web analytics

टटका खबर, सोमार, २७ फरवरी २०१२

बिहार

  • राज्य के शिक्षकन के अब तीन गो ग्रेड रही आ तीनो के वेतनमान अलग अलग. ई नयका नियम पहिले से नियोजित आ अब होखे वाला सभे पर एक जइसन लागू होखी. प्रधानाध्यापक ग्रेड में खाली प्रशिक्षिते शिक्षक पदस्थापित होखीहें. आधा पद महिला वर्ग खातिर आरक्षित हो जाई.
  • सारण जिला के करिंगा गाँव का लगे एगो मिनी बस पलट गइला से एगो सवारी के मौत हो गइल आ एक दर्जन घवाहिलन के छपरा सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • पश्चिमी चंपारण के रामनगर इलाका के पथरी गाँव में अतवात का राति लागल आग से सैकड़ों घर तबाह हो गइल बा. एगो दोसरा घटना में बगहा के मदनपुर इलाका में लागल आग से सैकड़ो एकड़ में लागल जंगल तबाह बरबाद हो गइल. वन विभाग एह घटना के अपराधियन के काम बतावत बावे.
  • रोहतास के कखड़िया बासा पहाड़ी इलाका में अवैध खनन का आरोप में इकावन आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. एह लोग पर काल्हु अतवार का दिने पुलिस अधिक्षक मनु महाराज पर हमलो करे के आरोप लगावल गइल बा.
  • कैमूर जिला के वसन्तपुर गाँव के सेनानी लाल गोविन्द सिंह के निधन अठासी साल का उमिर में दिल के दौरा पड़ला से हो गइल.

उत्तर प्रदेश

  • प्रदेश के छठा दौर के मतदान वाला इलाकन में काल्हु से प्रचार के काम बंद हो जाई. ओहिजा काल्हु मंगल का दिने वोट पड़ी.
  • महान स्वतंत्रता सेनानी आ अमर शहीद चन्द्रशेखर आजाद के ८१वीं पुण्यतिथि पर राज्य भर में श्रद्धांजलि दिहल गइल. इलाहाबाद का अल्फ्रेड पार्क में आजुवे का दिने उनुका के गोली मार दिहले रहुवे ब्रिटिश पुलिस.
  • निर्वाचन आयोग कहले बा कि लखनऊ के सरोजिनी नगर आ मोहनलालगंज निर्वाचन क्षेत्रन के इलेट्रोनिक वोटिंग मशीन सुरक्षित बाड़ी सँ. स्ट्रोंग रूम में पानी रिसला के खबर का बाद आयोग दू गो प्रेक्षक ओहिजा भेजले रहुवे.
  • हालही में लखीमपुर खीरी जिला में स्वास्थ्य विभाग के कर्मचारी महेन्द्र शर्मा के रहस्यमय मृत्यु के सीबीआई से जांच करवावे के सिफारिश राज्य सरकार कइले बिया.

देश

  • रक्षा मंत्री ए के एंटनी के अरूणाचल प्रदेश यात्रा परसवाल उठावे वाला चीन के बयान के भारत सरकार दुर्भाग्यपूर्ण आ बेहूदा बतवले बिया. एंटनी कहलन कि अरुणाचल प्रदेश भारत के हिस्सा ह आ देश के रक्षा मंत्री पूरा देश में जा सकेला.
  • भारत सरकार एह बाति पर चिंता जतवले बिया कि नॉर्वे दू गो बच्चन के ओकनी के महतारी बाप के सँउपे में देरी कइले बा. एह मामिला में नार्वे के विदेश मंत्री से बतियावे खातिर विदेश मंत्रालय में सचिव मधुसूदन गणपति के भेजल गइल बा. ओह बच्चन के दादा दादी दिल्ली में नार्वे दूतावास का बहरी धरना पर बइठल बावे लोग. आजु एह धरना में वंदा करात आ सुषमा स्वराजो शामिल भइली.
  • सुप्रीम कोर्ट केन्द्र सरकार के कहलसि कि नदियन के जोड़े के परियोजना के निश्चित समय का भीतर पूरा करा लिहल जाव.
  • मध्यप्रदेश विधानसभा में आज मुख्य विपक्षी कांग्रेस विधानसभा से वाकआउट कइलसि. ऊ लोग बेतमा में गैंग रेप आ एगो प्रतियोगी परीक्षा के प्रश्नपत्र में कमल के फूल छपला के मुद्दा उठावल चाहत रहले बाकिर अध्यक्ष अनुमति ना दिहले.
  • जम्मू-कश्मीर में प्राइवेट मीडिया आज विधानसभा अध्यक्ष मोहम्मद अकबर लोन के टिप्पणी का विरोध में विधानसभा सत्र के बहिष्कार कइलसि जवना में कहल रहे कि मीडिया उनुका नियंत्रण में बा.
  • गुजरात में साबरमती रेल अग्नि कांड के दसवीं बरसी पर आजु गोधरा आ गुजरात के दोसरा शहरन में सुरक्षा कड़ा कर दिहल गइल. दस साल पहिले साबरमति एक्सप्रेस के एगो बोगी में आग लगा के ५९ गो कारसेवकन के जिंदा जरा दिहल गइल रहे जवना का बाद पूरा गुजरात में बड़हन दंगा पसर गइल रहे.

दुनिया

  • अफगानिस्तान के जलालाबाद हवाई अड्डा का लगे भइल एगो आत्मघाती बम विस्फोट में नौ लोग मरा गइल आ छह लोग घवाहिल हो गइल.
  • पाकिस्तान सुप्रीम कोर्ट काल्हु प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी पर अदालत के अवमानना करे के मुकदमा के सुनवाई फेरू शुरू करी. दोषी मिलला पर गिलानी के छह महीना के जेल हो सकेला आ प्रधानमंत्री पद से हट जाये के पड़ी.
  • बिन लादेन के हवेली कि एबटाबाद में धँसा दिहल गइल जेहसे कि लादेन समर्थक ओकरा के स्मारक मत बना देसु.
  • नेपाल का राजधानी काठमांडू में आजु एगो बम विस्फोट में दू लोग के जान चलि गइल आ पाँच लोग घवाहिल हो गइल. विस्फोट नेपाल आयल कार्पोरेशन का आफिस का बहरी भइल.
  • उत्तरी कोरिया के विरोध के अनदेखी करत अमरीका आ दक्खिन कोरिया के सेना कोरिया प्रायद्वीप मे सैनिक अभ्यास शुरू कर दिहलसि.
  • चीन कहले बा कि सीरिया के मुद्दा अमेरिका घमंडी रूख अपनवले बा.
  • मिस्र के सैनिक शासक देश के नया संविधान बनावे खातिर एक सौ सदस्य के समिति बनावे के फैसला कइले बाड़न, एह खातिर शनिचर का दिने काहिरा में नयका निर्वाचित संसद के बइठक बोलावल गइल बा.
  • सीरिया में शनिचर का दिने बमबारी का बीच नया संविधान खातिर जनमत संग्रह करावल गइल, विपक्ष एकरा के नौटंकी बतावत एकर वहिष्कार कर दिहलसि.

शिक्षा

  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति से संबद्ध सगरी कॉलेजन में अब रोजगारमूलक कोर्स चलावल जाई. पहिले दस तरह के कोर्स शुरू होखी जवना में होटल मैनेजमेंट, नर्सिंग आ खेती के कोर्स शामिल रही.
  • बिहार में फौकानिया आ मौलवी के इम्तिहान बिहार स्टेट मदरसा एजुकेशन बोर्ड इकइस अप्रेल से करवावे के नोटिस दिहले बा.

बिजनेस

  • स्टेट बैंक शिक्षा ऋण पर ब्याज दर एक फीसदी घटा दिहलसि.
  • शेयर बाजार में आजु सूचकांक में ४७८ अंक के बड़हन गिरावट दर्ज कइल गइल.
  • अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष के कहना बा कि दुनिया के माली हालात अबहियो खराबे चलत बा.

खेल

  • आठ साल बाद लंदन ओलम्पिक में हाकी में भारत के टीम शामिल होखी. काल्हु भइल क्वालिफायर फाइनल मैच में भारत फ्रांस के ८-१ से हरवलसि.
  • भारत के हॉकी खिलाड़ी संदीप के मैन ऑफ द मैच, मैन आफ द टूर्नामेंट के खिताब दिहल गइल. जीत का बाद हॉकी खिलाड़ीयन पर इनाम के बरखा होखे लागल बा. हॉकी इण्डिया आ एगो निजी कंपनी का ओर से हर खिलाड़ी के दू दू लाख आ हर सहायक कर्मचारी के एक एक लाख रुपिया के इनाम घोषित भइल बा. हरियाणा सरकार हर खिलाड़ी के ढ़ाई-ढ़ाई हजार रूपए आ हरियाणा से जुड़ल खिलाड़ी के ११-११ लाख रूपिया इनाम देबे के एलान कइले बिया. मध्यप्रदेश सरकार हर खिलाड़ी के एक-एक लाख रूपिया इनाम देबे के कहले बिया.
  • मशहूर फुटबॉल खिलाड़ी शैलेन मन्ना के लमहर बेमारी का बाद काल्हु अतवार का भोर में कोलकाता में निधन हो गइल. ऊ ८७ साल के हो गइल रहेल. उनुका के फीफा सदी के सर्वश्रेष्ठ फुटबॉल खिलाड़ी के खिताब दिहले रहुवे. साल १९७१ में उनुका के पदमश्री से सम्मानित कइल गइल रहुवे.
  • तिकोनिया एकदिना क्रिकेट शृंखला के मैच में काल्हु भारत फेर आस्ट्रेलिया से हार गइल.

मनोरंजन

  • ८४वें एकेडमी फिल्म पुरस्कार समारोह में फ्रांस के फिल्म द आर्टिस्ट’ पांच गो पुरस्कार जीत लिहलसि. एहमें सर्वश्रेष्ठ फिल्म, सर्वश्रेष्ठ निर्देशक आ सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार शामिल बा. “द आर्टिस्ट” हॉलीवुड के शुरुआती दिनन का याद में बनावल मूक फिल्म हवे. साल १९२९ में विंग्स का बाद सर्वश्रेष्ठ फिल्म के ऑस्कर जीते वाली ई पहिला मूक फिलिम हवे. विदेशी भाषा के फिलिमन में पहिला बेर ईरान के एगो फिल्म द सैप्रेशन’ के सर्वश्रेष्ठ फिल्म के ऑस्कर पुरस्कार मिलल बा. एगो पाकिस्तानी फिल्म “सेविंग फेंस” के सर्वश्रेष्ठ डॉक्यूमेंटरी के पुरस्कार दिहल गइल बा. एह समारोह में संगीतकार ए आर रहमान एहू साल आपन कार्यक्रम पेश कइलन.
  • Loading

    कुछ कहे के बा ?

    %d bloggers like this: