web analytics

टटका खबर, बुध, २९ फरवरी २०१२

बिहार

  • दाँत के डाक्टरन का बहाली में गड़बड़ी करे का आरोप में मोतिहारी के सिविल सर्जन कामेश्वर मंडल, रोहतास के सिविल सर्जन शिवानंद सिन्हा, आ सारण के सिविल सर्जन रहल अमरनाथ झा के निलंबित कर दिहल गइल.

उत्तर प्रदेश

  • प्रदेश में विधानसभा चुनाव के सतवाँ आ आखिरी दौर के प्रचार काल्हु बियफे का साँझ के खतम हो जाई. एह दौर के मतदान तीन मार्च के होखे वाला बा.
  • एनआरएचएम घोटाला में मंत्रियन ठेकेदारन आ सीएमओवन के बीच के त्रिकोण के सुबूत देत बिया ओह लोग के फोन कॉल्स डिटेल. दु दू घंटापर मंत्री फोन करसु ठेकेदारन के आ ओकरा बाद ठेकेदार फोन कर सँ सीएमओ के आ ऊपर से आइल निर्देश बता के हड़कावऽ सँ, काल्हु बनारस के संयुक्त निदेशक डा॰ आड़एस॰ वर्मा से दू घंटा पूछताछ कइलसि सीबीआई.
  • नसीमुद्दीन के जाँच करावे से मायावती के इंकार पर लोकायुक्त के कहना बा कि छह मार्च का बाद अगिला कदम उठइहे. सरकार से आईल चिट्ठी के लोकायुक्त खारिज कर दिहले बाड़े आ आपन पहिलके सिफारिश फेर से सरकार के भेजे सकेले. हो सकेला कि स्पेशल रिपोर्ट राज्यपालो के लगे भेजल जाव.

देश

  • दिल्ली पुलिस आजु दि्ल्ली में लश्कर-ए-तैयबा के दू गो संदिग्ध आतंकवादियन के गिरफ्तार कइलसि आ दुनु के दस दिन के पुलिस रिमांड पर दे दिहल गइल. एकनी के इरादा दिल्ली के कवनो भीड़ भरल बाजार में बड़हन विस्फोट करे के रहुवे.
  • राष्ट्रीय आतंकवाद निरोधक केन्द्र पर बतियावे खातिर नौ मार्च के सगरी राज्यन के मुख्य सचिव आ पुलिस महानिदेशकन के बइठक बोलावल गइल बा.
  • राजस्थान के भंवरी देवी अपहरण आ हत्या मामिला में आजु सीबीआई जोधपुर के एगो खास अदालत में तेरह लोग का खिलाफ आरोप पत्र दाखिल कइलसि. एहमें राजस्थान के कांग्रेसी मंत्री रहल महिपाल मदेरणा अउर विधायक मलखान सिंह बिश्नोई के मुख्य आरोपी बनावल गइल बा.
  • भोपाल में आर टी आई कार्यकर्ता शहला मसूद के हत्या का मामिला में दू गो गिरफ्तार आरोपियन के सीबीआई इंदौर के अदालत में पेश कइलसि जहाँ से दुनु के सीबीआई का हिरासत में दे दिहल गइल.
  • गोवा विधानसभा के चुनाव प्रचार काल्हु साँझ के खतम हो जाई. एहिजा तीनमार्च के वोट डालल जाई.
  • प्रधानमंत्री रहल मोरारजी देसाई के जन्म दिन आजु मनावल गइल. २९ फरवरी के जनम भइला का चलते उनुकर जनमदिन चार साल में एक बेर पड़ेला.
  • केरल का कोच्चि में राष्ट्रीय जांच एजेंसी-एनआईए के अदालत में देश का खिलाफ युद्ध करे खातिर केरल से जवान बहाल करे का आरोपमें चौबीस गो आरोपियन पर मुकदमा शुरू कइल गइल. ई सुनवाई बंद कमरा में होखत बा.
  • मुंबई पुलिस बेहिसाब संपत्ति राखे का मामिला में मुंबई कांग्रेस के प्रमुख रहल कृपाशंकर सिंह का खिलाफ केस दर्ज कर लिहलसि. एह मामिला में कृपाशंकर का साथे उनुकर बीबी, बेटा, पतोहु,बेटी आ दामादो के नाम शामिल बा. कबो ठेला पर सब्जी बेचे वाला कृपाशंकर सिंह देखते देखत करोड़ो के मालिक बन गइलन.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि देश में सड़क दुर्घटणा कम करे खातिर १२वीं पचसाला योजना में अनेके उपाय कइल जाई.
  • जम्मू में निजी मीडिया विधान सभा के तीन दिन से चलत आवत बहिष्कार खतम कर दिहलसि.
  • असम में १२६ सदस्य वाली विधानसभा बिया जवना में मुख्य मंत्री १९ गो मंत्री बना चुकल बाड़न, अब २१ गो विधायकन के संसदीय सचिव बना के ओहु लोग के कैबिनेट मंत्री के दर्जा दे दिहल गइल. एह तरह अब ओहिजा चालीस गो “मंत्री” हो गइले.
  • डीएमके पार्टी केंद्र से गोहार कइले बा कि भारत श्रीलंका का खिलाफ प्रस्ताव पर संयुक्त राष्ट्र मानवाधिकार सम्मेलन में श्रीलंका के समर्थन मत करे.
  • मणिपुर में भाकपा कांग्रेस नीत सरकार से आपन समर्थन वापिस लिहलसि.
  • भाजपा प्रेस परिषद के अध्यक्ष न्यायमूर्ति मार्कडेय काटजू के सलाह दिहलसि कि ऊ अपना बोली पर संयम राखसु आ आपन मर्यादा बनवले राखसु.

दुनिया

  • संयुक्त राष्ट्र मानवाधिकार परिषद सीरिया सरकार से नागरिकन पर होखत सुरक्षा बल के हमला तुरते रोके के कहले बा.
  • चीन के विदेश मंत्री यांग ची इचि दू दिन के सरकारी यात्रा पर आजु नई दिल्ली पहुंचले.
  • नेपाल में संविधान सभा के अध्यक्ष सुभाष चंद्र नेमवांग प्रधानमंत्री बाबू राम भट्टाराई से भेट कर के इयाद दिअवले कि नयका संविधान के मसौदा २८ मई ले तइयार हो जाये के चाहीं.
  • उत्तर कोरिया के अमरीका से जरूरी खाद्य सहायता लेबे से पहिले अपना परमाणु कार्यक्रम पर कुछ शर्ते माने के पड़ी.
  • पाकिस्तान सुप्रीम कोर्ट में आईएसआई का तरफ से नेतवन के धन देबे का खिलाफ मामिला में दायर याचिका पर सुनवाई शूरू कर दिहलसि.
  • अफगानिस्तान निर्यात खातिर सात गो सामान के पहिचान कइलसि.
  • दक्खिन कोरिया जेजू में नौसेनिक बेस बनावे के काम जारी राखी.
  • कैरो हवाई अड्डा पर अलकायदा नेता सैफ अल अदेल के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • पाकिस्तान में दू गो कोरिया के डाक्टन के अपहरण कर लिहल गइल.
  • नेपाल में वनमंत्री लक्ष्मणमहतो के निजी सचिव के घूस लेत गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • चीन अरुणाचल में बहे वाला सियांग नदी के पानी रोक लिहलसि जवना से अरुणाचल में नदी अचके में सूख गइल.
  • नेपाल में राजपरिवार के पारस शाह अचानक राजनीति में बहुते सक्रिय हो गइल बाड़न. एह काम में उनुका साथे उनुकर पत्नियो बाड़ी.

शिक्षा

  • बीएचयू के वेद विभागाध्यक्ष अउर चीफ प्राक्टर पर कार्रवाई करे के फैसला कइलन कुलपति. वेद विभागाध्यक्ष आ चीफ प्राक्टर आनन्द दत्त झा का साथे कुछ बवाल भइला का दौरान ऊ छात्र परिषद सचिव सुनील के थप्पड़ मार दिहले रहले.
  • केन्द्र सरकार के बारहवीं पचसाला योजना में बिहार आ यूपी के विश्वविद्यालयन में ढाँचागत सुविधा विकसित करे खातिर बड़हन वित्तीय सहायता दिहल जाई. एह धन से छात्रावास,कंप्यूटर लैब आ लाईब्रेरी वगैरह विकसित करावल जाई.
  • बिहार सरकार केन्द्र से विरोध जतवले बिया कि गया में केन्द्रीय विश्वविद्यालय ना खोल के मोतिहारी में खोलल जाव जवना महात्मा गाँधी के कर्मभूमि रहल. अगर केन्द्र अपना जिद पर अरल रहल त राज्य सरकार ओकरा से सहयोग ना करी. केन्द्र के कहना बा कि मोतिहारी में राज्य विश्वविद्यालय खोल लिहल जाव.

खेल

  • अगिला महीना होखे वाला एशिया कप क्रिकेट खातिर भारत के पन्द्रह सदस्यीय टीम के चुन लिहल गइल. एहमें वीरेन्द्र सहवाग, जहीर खान आ उमेश यादव के नइखे राखल गइल बाकिर सचिन तेंदुलकर शामिल बाड़े. विराट कोहली के उपकप्तान बनावल गइल बा. धोनी कप्तान बनल रहीहे.

बिजनेस

  • केन्द्र सरकार १२वीं पंचवर्षीय योजना के आखिर ले स्वास्थ्य क्षेत्र पर कुल खरचा बढाके सकल घरेलू उत्पाद के अढ़ाई फीसदी करे के फैसला लिहले बिया.
  • देश के आर्थिक विकास दर चालू वित्त वर्ष के तिसरकी तिमाही में घटि के छह दशमलव एक फीसदी रह गइल जवन पिछला दू साल के कवनो तिमाही में सबले कम बावे. वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी एह गिरावट पर निराशा जतवले बाड़े.
  • पाकिस्तान आजु भारत का साथ व्यापार खातिर नकारात्मक सूची व्यवस्था अपनावे के मंजूरी दे दिहलसि. एहसे भारत आ पाकिस्तान का बीच व्यापार बहुते बढ़ सकेला. अबहीं सकारात्मक सूची का चलते १९५० सामान के निर्यात कइल जा सकेला पाकिस्तान के. नकारात्मक सूची के मतलब भइल कि जवन सामान के व्यापार ना कइल जा सकी ओकरे नाम दिहल जाई.
  • मुंबई शेयर बाजार में आजु मामूली तेजी दर्ज भइल आ सूचकांक २२ अंक चढ़ के बंद भइल. रूपया डालर का मुकाबले ६ पइसा मजबूत भइल.
  • नागर विमानन मंत्री अजीत सिंह कहलन कि सिर्फ घाटा होखला का चलते किंगफिशर एयरलाइन्स के बंद ना कइल जा सके, एकरा के बंद करे के बाति तब हो सकेला जब यात्रियन के सुरक्षा पर खतरा होखे भा एयरलाइन्स समयसारिणी के पालन ना कर सके. ओने बैंकन के कहना बा कि पहिले एह कंपनी में विजय माल्या आपन पूंजी लगावसु.
  • न्यूज इंटरनेशनल के अध्यक्ष पद से जेम्स मर्डोक इस्तीफा दिहलन.
  • केन्द्र सरकार ओएनजीसी में आपन पाँच फीसदी हिस्सा के विनिवेश करे के फैसला कइलसि. एह हिस्सा के नीलामी कर के बेचल जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: