Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, अतवार, ४ मार्च २०१२


उत्तर प्रदेश

  • रालोद अध्यक्ष अजीत सिंह साफ कर दिहलन कि उनुकर पार्टी समाजवादी पार्टी से कवनो तरह के गठबन्हन ना करी. कहलन कि रालोद के कांग्रेस से गठबन्हन बा आ कवनो फैसला कांग्रेस का साथही लिहल जाई.
  • प्रदेश मंत्रीमण्डल के बइठक में विधानसभा भंग करे के प्रस्ताव पर मंत्रियन के दस्तखत करवा लिहल गइल.
  • बसपा दुबारा जीते चाहे ना मायावती का नामे कई गो रिकार्ड दर्ज हो गइल बा. प्रदेश के ऊ अकेला मुख्यमंत्री हो गइली जे कवनो विधानसभा के पूरा अवधि का दौरान मुख्यमंत्री बनल रहल आ पहिला व्यक्ति जे चार बेर मुख्यमंत्री बनल.
  • हालात बतावत बा कि कांग्रेस खातिर सत्ता से अलगा बइठल आसान नइखे रहे वाला. ढेर दिन से कुर्सी का ओर ललचात नजर से तिकवत कांग्रेसी विधायकन खातिर आसान ना रही कुरसी से अलग रहल. अनेसा बा कि कांग्रेस में पहिले का तरह टूटफूट हो सकेला जइसे ९७ में नरेश अग्रवाल कइले रहले.
  • मंगल का दिने मतगणना करावे खातिर चुनाव आयोग सगरी तइयारी कर लिहले बावे. हर जिला में मतगणना वाला जगहा पर अर्द्ध सैनिक बल तैनात रही साथ में पुलिस आ होमगार्ड के जवानो रहीहें. उम्मीदवारन से कहल गइल बा कि कवनो विवादित आदमी के एजेंट मत बनावे लोग. साथ ही कवनो प्रत्याशी विजय जुलूस ना निकाल पाई. जे जीती ओकरा के प्रशासन खुद ओकरा घरे चहुँपाई.
  • आजु अतवार का दिने रंगभरी एकादशी मनावल गइल. एकरा साथे होरी के परम्परागत शुरूआत हो गइल. अयोध्या में नागा साधु होली खेलले आ पंचकोसी परिक्रमा कइले.

बिहार

  • महावीर मंदिर न्यास समिति वैशाली जिला के इस्माइलपुर का लगे दुनिया के सबले बड़हन हिंदू मंदिर बनावल जाई. पन्द्रह एकड़ में बने वाला एह मंदिर पर एक सौ करोड़ रुपिया खरच होखी आ बनावे में दस साल लागे के अनुमान बा. एह मंदिर के आकार कम्बोडिया के अंकोरवाट मंदिर जइसन होखी जवना के अबही ले दुनिया के सबले बड़हन मंदिर मानल जाला.
  • स्वास्थ मंत्री अश्विनी चौबे बतवले बाड़न कि भारत के पहिला राष्ट्रपति डा॰ राजेन्द्र प्रसाद आ मारीशस के राष्ट्रपति रहल सर शिवसागर राम गुलाम का नाम पर बिहार में मेडिकल कॉलेज खोले का योजना में मारीशस के अनेके उद्यमि आपन रूचि देखवले बाड़न. ई बात उनुका के मारीशस के शिक्षा मंत्री राजेश जीता बतवले. बिहार सरकार मारीशस के मैरवा में मेडिकल कॉलेज खोले खातिर जमीन देबे के पेशकश कइले बिया.
  • महान उपन्यासकार स्व॰ फणीश्वर नाथ रेणु के एकानवी जयंती पर आजु पटना में राजकीय श्रद्धांजलि कार्यक्रम कंकड़बाग में मनावल गइल आ रेणु के आदमकद प्रतिमा के अनावरण कइल गइल.

देश

  • भारत आ मिस्र का बीच कई गो सहमति पत्र पर दस्तखत भइल जवना से दुनु देश के आपसी संबंध अउरी ऊँचाई पर चहुँपल.
  • मणिपुर के पाँच गो जिला के नौ गो चुनाव क्षेत्र के ६३ गो बूथ पर काल्हु दुबारा वोट डालल गइल. करीब सत्तर फीसदी मतदान भइल. चार गो बूथ पर सोमार का दिने मतदान करावल जाई.
  • भोपाल के शहला मसूद हत्या काण्ड का मामिला में सीबीआई भाजपा विधायक ध्रुव नारायण सिंह के भोपाल आवास पर छापा मरलसि. कहल जात बा कि विधायक के संबंध शहला मसूद के हत्या करावे के आरोपी जाहिदा परवेज से संबंध रहुवे. एह मामिला में जाहिदा परवेज, सबा फारूखी आ साकिब अली मंगल का दिन से सी बी आई हिरासत में बावे लोग.
  • कांग्रेस महासचिव दिग्विजय सिंह सोच सोच के परेशान बाड़े कि संघ के लोग सेना आ प्रशासन में घूसल जात बा. अब त संघ यूपीएससी खातिर कोचिंगो शुरू कर दिहले बावे जवना में पहिले से बहाल आईएएस लोग दिशानिर्देशन देला.
  • केन्द्र सरकार देश के ७७ गो एनजीओ के निगरानी सूची में रखले बिया. भारतीय दूतावासन से कहल गइल बा कि एह एनजीओ के सदस्यन के वीजा जारी करे से पहिले बढ़िया से छानबीन कर लिहल जाव.
  • जैसलमेर का पखरण में अतवार का दिने सेना के ब्रह्मोस मिसाइल के सफल परीक्षण कइल गइल. एकरा के दुनिया के अकेला सुपरसोनिक मिसाइल बतावल जात बा.

दुनिया

  • रूस में अतवार का दिने राष्ट्रपति चुनाव खातिर मतदान करावल गइल. साल २‍‍००० से २००८ ले राष्ट्रपति रहल आ फेर २००८ से २०१२ ले प्रधानमंत्री रहल व्लादिमीर पुतिन फेरु राष्ट्रपति चुनाव लड़त बाड़े. ओहिजा के संविधान में व्यवस्था बा कि केहु लगातार तीन बेर राष्ट्रपति ना बनि सके. एहसे पिछला बेर ऊ प्रधानमंत्री बन गइल रहले.
  • कांगो में शस्रागार में भइल एगो भयंकर विस्फोट में डेढ़ सौ से अधिका लोग के जान चल गइल. सौ से बेसी लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • चीन आपन रक्षा बजट ११ फीसदी बढ़ा दिहलसि. अब ओकर सैनिक खर्च १०६ अरब डॉलर से बेसी हो गइल बा.

शिक्षा

  • नई दिल्ली में नौ दिन से चलत २०वां पुस्तक मेला अतवार का दिने खतम हो गइल. एह दौरान साठ गो किताब के विमोचन करावल गइल. एह मेला में करीब सात लोख लोग आइल रहे.
  • यूपी बोर्ड़ परीक्षा में अब उहो विद्यार्थी शामिल हो सकीहें जिनकर आवेदन पत्र देरी से बोर्ड चहुँपल रहुवे. बलिया के नाहियो त साठ हजार विद्यार्थियन के भविष्य पर एह चलते ग्रहण लागल रहुवे. अब लोग राहत के साँस लिहल.
  • साढ़े चार लाख रुपिया सालाना से कम कमाये वाला बाप महतारी के लड़िका लड़िकीन के पेशेवर कॉलेजन में ट्यूशन फीस ना लागी. हालांकि दोसर फीस देबे के पड़ी. ओह लोग खातिर प्रोफेशनल कॉलेजन में पाँच फीसदी जगहा आरक्षित कर दिहल गइल बा.
  • नालंदा खुला विश्वविद्यालय के सतवाँ दीक्षान्त समारोह आजु पटना के एसकेमेमोरियल हॉल में मनावल गइल. मुख्य अतिथि रहलन विक्रम साराभाई संस्थान के प्रोफेसर वाई एस राजन. अध्यक्षता बिहार के राज्यपाल देवानंद कुंवर कइलन.

खेल

  • पटना में होखत पहिलका विश्व महिला कबड्डी के फाइनल में काल्हु भारत इरान के पचीस बनाम उनइस अंक से हरा के खिताब जीत लिहलसि.
  • ब्रिसबेन में भइल तिकोनिया एकदिना क्रिकेट का पहिला फाइनल में आस्ट्रेलिया श्रीलंका के १५ रन से हरा दिहलसि.
  • एएफपी चैलेंज कप में शामिल होखे खातिर भारत के फुटबाल टीम अतवार का दिने काठमांडू रवाना हो गइल.

बिजनेस

  • सुप्रीम कोर्ट पुणे का मावल मे हिन्दुस्तान इलेक्ट्रिसिटी जेनरेशन कंपनी प्राइवेट लिमिटेड के ३५५ मेगावाट गैस आधारित परियोजना के पर्यावरण मंजूरी पर रोक लगा दिहलसि. अब अगिला सुनवाई १३ मार्च के होखी.
  • राज्य सरकारन के केन्द्र से माँग बा कि केन्द्रीय बिक्री कर में कमी का चलते राज्यन के होखे वाला नुकसान के भरपाई कइल जाव ना त एकरा के फेर से बढ़ा के चार फीसदी कर दिहल जाव. ई मांग दिल्ली में भइल राज्य वित्तमंत्रियन के अधिकारप्राप्र समिति का बइठक में उठावल गइल.

%d bloggers like this: