गाजीपुर जिला के चुनाव परिणाम
जखनिया से सपा के सुब्बा राम बसपा के विजय कुमार के पन्द्रह हजार से बेसी वोट से हरा दिहलन.
सैदपुर से सपा के सुभाष बसपा के अमरिका के बयालीस हजार वोट से हरा दिहलन.
गाजीपुर से सपा के विजय कुमार मिश्र बसपा के राज कुमार के २४१ वोट से हरवले.
जंगीपुर से सपा के कैलाश बसपा के मनीष चन्द्र पान्डेय के करीब दस हजार वोट से हरवलन.
जहूराबाद से सपा के सइदा शादाब फातिमा बसपा के कालीचरण के करीब एगारह हजार वोट से हरा दिहली.
मोहम्मदाबाद से कौमी एकता दल के सिबगतुल्ला अंसारी सपा के राजेश राय के सात हजार वोट से हरा दिहलन.
जमानिया से सपा के ओमप्रकाश बसपा के उमाशंकर कुशवाहा के करीब तीस हजार वोंट से हरवलन.
जौनपुर जिला के चुनाव परिणाम
बदलापुर से सपा के ओमप्रकाश बाबा दूबे बसपा के लालजी यादव के सोलह हजार वोट से हरवलन.
शाहगंज से सपा के शैलेन्द्र यादव ललाई बसपा के धरमराज निषाद के दस हजार से बेसी वोट से हरवले.
जौनपुर से कांग्रेस के नदीम जावेद बसपा के तेजबहादुर मौर्य पप्पू के बारह सौ वोट से हरवले.
मलहानी से सपा के पारसनाथ यादव निर्दलीय डा॰ जागृति सिंह के इकतीस हजार वोंट से हरवलन.
मुगरा बादशाहपुर से भाजपा के सीमा बसपा के रमेश के छह हजार वोट से हरा दिहली.
मछलीशहर से सपा के जगदीश सोनकर बसपा के रामफेर गौतम के चौबीस हजार वोट से हरवलन.
मरियाहू से सपा के श्रद्धा यादव बसपा के सावित्री पटेल के साढ़े बारह हजार वोट से हरा दिहली.
जाफराबाद से सपा के सच्चिदानन्द त्रिपाठी बसपा के जगदीश नारायण के पाँच हजार वोट से हरवलन.
केराकात से सपा के गुलाब चन्द बसपा के विजय लक्ष्मी के दस हजार वोट से हरा दिहलन.
मऊ जिला के चुनाव परिणाम
घोसी से सपा के सुधाकर बसपा के फागू चौहान के साढ़े पन्द्रह हजार वोट से हरा दिहले.
मधुबन से बसपा के उमेश पाण्डेय सपा के राजेन्द्र मिश्र के तेरह सौ वोट से हरवले.
मऊ से कौमी एकता दल के मुख्तार अंसारी बसपा के भीम राजभर के करीब छह हजार वोट से हरवलन.
मोहम्मदाबाद गोहना से सपा के बैजनाथ बसपा के राजेन्द्र के तीन हजार वोट से हरा दिहले.
वाराणसी जिला के चुनाव परिणाम
रोहनिया से अपना दल के अनुप्रिया पटेल बसपा के रामाकान्त सिंह से साढ़े सतरह हजार वोट से हरा दिहली.
पिण्डरा से कांग्रेस के अजय बसपा के जय प्रकाश के नौ हजार से बेसी वोट से हरा दिहलन.
अजगरा से बसपा के त्रिभुवन राम सपा के लालजी के दू हजार वोट से हरवलन.
शिवपुर से बसपा के उदय लाल मौर्या सपा के डा॰ पियूष यादव के साढ़े बारह हजार वोट से हरवलन.
वाराणसी उत्तर से भाजपा के रविन्द्र जायसवाल बसपा के सुजीत कुमार मौर्य के दू हजार से बेसी वोट से हरा दिहले.
वाराणसी दक्खिन से भाजपा के श्यामदेव चौधरी कांग्रेस के डा॰ दयाशंकर मिश्र के साढ़े तेरह हजार वोट से हरवलन.
वाराणसी कैंट से भाजपा के ज्योत्सना श्रीवास्तव कांग्रेस के अनिल श्रीवास्तव के करीब तेरह हजार वोट से हरा दिहली.
सेवापुरी से सपा के सुरेन्द्र सिंह पटेल अपना दल के नील रतन पटेल के करीब बीस हजार वोट से हरा दिहले.
देवरिया जिला के चुनाव परिणाम
बरहज से प्रेम प्रकाश सिंह बसपा के रेनू जायसवाल के लगभग बारह हजार वोट से हरवले.
भाटपार रानी से सपा के कामेश्वर बसपा के सभाकुंवर से तेरह हजार वोट से आगे बाड़न.
देवरिया से भाजपा के जनमेजय सिंह बसपा के प्रमोद सिंह के करीब चौदह हजार वोट से आगा बाड़न.
पथरदेवा से सपा के शकीर अली भाजपा के सूर्य प्रताप शाही से साढ़े आठ हजार वोट से आगे बाड़न.
रामपुर करखना से सपा के गजाला लारी निर्दलीय गुड्डू शाही से तीन हजार वोट आगे बाड़न.
रुद्रपुर से कांग्रेस के अखिलेश प्रताप सिंह सपा के मुक्तिनाश यादव के करीब सात हजार वोट से हरा दिहले.
सलेमपुर से सपा के मनबोध भाजपा के विजय लक्ष्मी से करीब सोलह हजार वोट आगे बाड़े.
गोरखपुर जिला के परिणाम
बांसगाँव से बसपा के डा॰ विजय कुमार सपा के शारदा देवी के करीब आठ हजार तीन सौ वोट से हरवले.
चौरी चौरा से बसपा के जय प्रकाश सपा के अनूप कुमार पाण्डेय के करीब बीस हजार वोट से हरा दिहले.
चिल्लूपार से बसपा के राजेश त्रिपाठी सपा के सीपी चन्द से एगारह हजार वोट आगे बाड़न.
केम्पेययगंज से कांग्रेस के फतेहबहादुर सपा के चिन्ता यादव से करीब सात हजार वोट आगे बाड़न.
गोरखपुर ग्रामीण से भाजपा के विजय बहादुर यादव सपा के जफर अमीन से करीब आठ हजार वोट आगे बाड़न.
गोरखपुर शहरी से भाजपा के डा॰ राधा मोहन अग्रवाल सपा के राजकुमारी यादव से करीब एकईस हजार वोट से आगे बाड़न.
खजनी से भाजपा के संत प्रसाद बसपा के रामसमुझ से करीब साढ़े नौ हजार वोट से आगे बाड़न.
पिपराइच से सपा के राजमति बसपा के जीतेन्द्र से करीब तैंतीस हजार वोट आगे बाड़न.
सहजनवा से बसपा के राजेन्द्र भाजपा के अश्विनी से साढ़े बारह हजार वोट से आगे बाड़न.
बलिया जिला के चुनाव परिणाम
बैरिया से भाजपा के भरत सिंह सपा के जय प्रकाश अंचल से ५५७ वोट से पीछे बाड़न.
बलिया नगर से सपा के नारद राय कौमी एकता के रामजी गु्प्ता के २५१२८ वोट से हरा दिहले.
बाँसडीह से सपा के रामगोविन्द चौधरी भाजपा के केतकी सिंह के २२८७७ वोट से हरवले.
सिकन्दरपुर से सपा के जियाउद्दीन रिजवी बसपा के चन्द्रभूषण राजभर के साढ़े अठाईस हजार वोट से हरा दिहले.
फेफना से भाजपा के उपेन्द्र तिवारी सपा के अम्बिका चौधरी के सात हजार चार सौ वोट से हरवलन.
बेल्थरारोड से सपा के गोरख पासवान बसपा के छट्ठू राम के दस हजार वोट से हरवलन.
रसड़ा से बसपा के उमाशंकर सिंह सपा के सनातन पाण्डेय के करीब पचास हजार वोट से हरा दिहले.
उत्तर प्रदेश में विधानसभा सीटवार परिणाम जाने खातिर चुनाव आयोग के वेबसाइट पर जाईं.
उत्तर प्रदेश कुल सीट : – 403 |
|
पार्टी | रिजल्ट |
सपा | 224 |
बसपा | 80 |
भाजपा | 47 |
कांग्रेस + | 37 |
अन्य आ निर्दलीय | 15 |
उत्तराखंड कुल सीट : – 70 |
|
पार्टी | रिजल्ट |
भाजपा | 31 |
कांग्रेस | 32 |
अन्य आ निर्दलीय | 7 |
मणिपुर कुल सीट 60 |
|
पार्टी | रिजल्ट |
कांग्रेस | 42 |
अन्य आ निर्दलीय | 18 |
गोवा कुल सीट 40 |
|
पार्टी | रिजल्ट |
भाजपा + | 24 |
कांग्रेस + | 9 |
यूजीडीपी+ | 2 |
अन्य आ निर्दलीय | 5 |
पंजाब कुल सीट 117 |
|
पार्टी | रिजल्ट |
शि॰अकाली दल + | 68 |
कांग्रेस | 46 |
पीपीपी | 0 |
अन्य आ निर्दलीय | 3 |
- साँझ चार बजे ले तय हो गइल कि यूपी में सपा, पंजाब में अकाली भाजपा गठबन्हन, गोवा में भाजपा गठबन्हन आ मणिपुर में कांग्रेस के सरकार बने जात बावे. बस उत्तराखंड रह गइल जहवाँ अबही ले हालात साफ नइखे भइल. वइसे भाजपा बसपा से समर्थन ले के सरकार बना सकेले.
- उत्तराखंड में भुवनचंद्र खंडूरी चुनाव हार गइलन. एकरा बावजूद कांग्रेस उत्तराखंड में पीछे चलत बिया.
- यूपी में मिलल हार के जिम्मेदारी सकारत राहुल गाँधी कहलन कि राज्य में कांग्रेस के मजबूत बनावे में लागल रहीहें.
- यूपी में दिन के बारह बजे तक मिलल रूझान बतावत बा कि प्रदेश में सपा के सरकार बने जात बा आ हो सकेला कि ओकरा अकेले बहुमत मिल जाव. भाजपा आ कांग्रेस का बीच तीसरा जगहा के लड़ाई चलत बा बाकिर दुनु दल राजनीति का हाशिया से उपर उठत नइखन लागत.
- पंजाब में परम्परा से उलट शिरोमणि अकाली दल भाजपा गठबन्हन के सरकार बनल रहि जाई. पिछला कई चुनाव से एहिजा सरकार बदलत आइल बा.
- गोवा में कांग्रेस के सरकार रहल बाकिर अब भाजपा ओहिजा सरकार बनावे जात लागत बिया.
- उत्तराखंड में भाजपा आ कांग्रेस का बीच रस्साकशी जारी बा बाकिर लागत बा कि आखिर में भाजपा आपन सरकार बचावे में कामयाब हो जाई.
- मणिपुर में अबही के रूझान साफ बतावत बा कि ओहिजा कांग्रेस के सरकार कायम रही.