टटका खबर
- अखिलेश यादव के नाम मुख्यमंत्री खातिर सामने आइल. संसदीय दल का बइठक का बाद अब विधायक दल का बइठक में आखिरी फैसला लिहल जाई.
- मायवती आपन इस्तीफा राज्यपाल के सँउप दिहली. बाद में कहली कि कांग्रेस आ भाजपा का चलते उनुकर हार भइल काहे कि ई लोग सवर्ण वोट काट लिहल. अपना हार खातिर मीडियो के दोषी ठहरवली मायावती. इहो कहली कि मुसलमान भाजपा आवे का डर से सपा के वोट दे दिहले.
- हार पर विचार करे खातिर भइल बइठक का बाद कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी कहली कि हार के असल कारण रहल कि उम्मीदवार सही ना रहले. बाकिर ई ना कहली कि चुनल के उम्मीदवारन के. यूपी का बारे में कहली कि ओहिजा संगठन कमजोर बा बाकिर इहो ना कहली कि पिछला कई साल से राहुल संगठन बनावे में लागल रहलन.
- सोनिया गाँधी के कहना बा कि हाल के विधानसभा चुनाव परिणाम से संप्रग पर कवनो खतरा नइखे बढ़ल.
- बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि यूपी के चुनाव परिणाम राष्ट्रीय दलन खातिर चेतावनी बा कि देश के संघीय ढाँचा से छेड़छाड़ ना करे लोग.
- विद्या बालन के फिल्म डर्टी पिक्चर खातिर बेहतरीन अभिनेत्री के पुरस्कार दिहल जाई. बेहतरीन अभिनेता के पुरस्कार गिरीश कुलकर्णी के मिलल उनुका मराठी फिल्म देओल खातिर.
- राजठाकरे पहिला बार शिवसेना के बिना कवनो शर्त लगवले समर्थन दिहले ठाणे नगरपालिका के मेयर पद का चुनाव में. एकरा बाद मेयर पर शिवसेना के उम्मीदवार आ डिप्टी मेयर पर भाजपा के उम्मीदवार जीत गइले.
- लोकायुक्त का रपट का आधार पर कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल येदियुरप्पा का खिलाफ दर्ज एफआईआर हाईकोर्ट खारिज कर दिहलसि.
- महाराष्ट्र के आदर्श हाउसिंग घोटाला में मामिला खराब करे का कोशिश में लागल आ आरोपियन से घूस बिटोरे का आरोप में स्पेशल पब्लिक प्रासेक्यूटर मंदर गोस्वामी, इन्कमटैक्स वकील जे के जगियासी, कांग्रेसी विधायक रहल कन्हैयालाल गिडवानी के उनुका बेटा कैलाश समेत गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
- उत्तराखंड के राजनीतिक अनिश्चितता के माहौल बरकरार बा काहे कि कवनो पार्टी के बहुमत नइखे मिलल आ कांग्रेस भाजपा में एके विधायक के अन्तर बा. कांग्रेस चाहत बिया कि सेकूलरिज्म का नाम पर बसपा ओकर समर्थन कर देव.
आजमगढ़ जिला के चुनाव परिणाम
अतरौलिया से सपा के डा॰ संग्राम यादव बसपा के सुरेंद्र प्रसाद मिश्र के करीब चउवालीस हजार वोट से हरवले.
गोपालपुर से सपा के वसीम अहमद बसपा के कमला प्रसाद यादव के तीस हजार वोट से हरवले.
सगड़ी से सपा के अभय नारायण पटेल बसपा के संतोष कुमार सिंह के दस हजार वोट से हरा दिहलन.
मुबारक पुर से बसपा के शाह आलम सपा के अखिलेश यादव के नौ हजार वोट से हरवले.
आजमगढ़ से सपा के दुर्गा प्रसाद यादव बसपा के सर्वेश सिंह सीपू के इकतीस हजार वोट से हरा दिहले.
निजामाबाद से सपा के आलम बदीर बसपा के कलामुद्दीन के तेइस हजार वोट से हरवलन.
फूलपुर पवई से सपा के श्यामबहादुर सिंह यादव बसपा के अबुल कैस आजमी के चार हजार वोट से हरवले.
दीदारगंज से सपा के आदिल शेख बसपा के सुखदेव राजभर के दू हजार वोट से हरा दिहलन.
लालगंज से सपा के बेचई सरोज बसपा के हीरालाल गौतम के एगारह हजार वोट से हरवले.
मेंहनगर से सपा के बृजलाल सोनकर बसपा के विद्या चौधरी के छह हजार वोट से हरवले.
चंदौली जिला के चुनाव परिणाम
मुगलसराय से बसपा के बब्बन सिंह चौहान सपा के बाबूलाल के सोलह हजार वोट से हरा दिहले.
सकलडीहा से निर्दलीय सुशील सिंह सपा के प्रभुनारायण यादव के सात हजार वोट से हरवलन.
सैयदराजा से निर्दल मनोज सिंह डबलू प्रमासपा के बृजेश सिंह के अठारह सौ वोट से हरवले.
चकिया से सपा के पूनम सोनकर बसपा के जीतेन्द्र कुमार के नौ हजार वोट से हरा दिहली.
संत रविदास नगर के चुनाव परिणाम
भदोही से सपा के जाहिद जमाल बेग बसपा के रवीन्द्र नाथ त्रिपाठी के सोलह हजार वोट से हरवले.
ज्ञानपुर से सपा के विजय मिश्र बसपा के दिनेश सिंह के चालीस हजार वोट से हरा दिहले.
औराई से सपा के मधुबाला पासी बसपा के बैजनाथ गौतम के बाइस हजार वोट से हरवली.
मिर्जापुर के चुनाव परिणाम
छानवे से सपा के भाईलाल बसपा के शशिभूषण के नौ हजार वोट से हरा दिहले.
मिर्जापुर से सपा के कैलाश चौरसिया बसपा के रंगनाथ मिश्र के बीस हजार वोट से हरवले.
मझवा से बसपा के रमेश बिंद सपा के राजेन्द्र प्रसाद पांडेय के दस हजार वोट से हरा दिहलन.
चुनार से सपा के जगतम्बा सिहं बसपा के घनश्याम पटेल के सोलह हजार वोट से हरवलन.
मड़िहान से कांग्रेस के ललितेश त्रिपाठी सपा के सत्येन्द्र पटेल के आठ हजार वोट से हरवले.
सोनभद्र जिला के चुनाव परिणाम
घोरावल से सपा के रमेश दुबे बसपा के अनिल मौर्य के पन्द्रह हजार वोट से हरा दिहले.
रॉबर्ट्सगंज से सपा के अविनाश कुशवाहा बसपा के ई॰रमेश पटेल के छह हजार वोट से हरवलन.
ओबरा से बसपा के सुनील यादव भाजपा के देवेन्द्र शास्त्री के सात हजार वोट से हरवले.
दुद्धी से निर्दल रूबि प्रसाद सपा के रामनरेश पासवान के सात हजार वोट से हरा दिहली.
बलिया, गाजीपुर, देवरिया, गोरखपुर, वाराणसी, मऊ , जौनपुर के परिणाम काल्हु दिहल जा चुकल बा.