Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, शुक, ९ मार्च २०१२


उत्तर प्रदेश

  • आजुओ प्रदेश में कई जगहा धुमधाम से होली मनावल जात बा. पूर्वांचल आ बिहार में अबकी एह चलते दू दिन होली मनावल लोग.
  • उत्तरप्रदेश में समाजवादी पार्टी विधायक दल काल्हु आपन नेता चुनी जेकरा के मुख्यमंत्री बनावल जाई. संकेत मिलत बा कि अखिलेश यादव मुख्यमंत्री बनीहें जबकि मुलायम सिंह के देश के प्रधानमंत्री के दावेदार का रूप में राखल जाई. एह बात के संकेत खुद मुलायम सिंह सैफई में अपना कार्यकर्ता लोग से बतियावत में दिहले.
  • उत्तरप्रदेश में कांग्रेस के दुर्दशा खातिर अपना के जिम्मेवार बतावत रीता बहुगुणा जोशी आजु आपन इस्तीफा सोनिया गाँधी के सँउपो दिहली.

बिहार

  • राज्य सभा के बिहार से छह सीट के चुनाव में छहो सीट राजग गठबन्हन जीत ले जाई आ कांग्रेस राजद आ लोजपा मिलियो के एको सांसद ना जीता पइहें. छह सीट में से चार गो पर जदयू के सदस्य जइहें आ दू गो पर भाजपा के. अबही भाजपा के रविशंकर प्रसाद के सीट खाली होखे जात बा आ पूरा उमेद बा कि भाजपा के आपने नियम तूड़त उनुका के तिसरका बेर राज्यसभा भिजवा दिहल जाई. दोसरका सीट खातिर पार्टी के अनेके दिग्गज तिकवत बाड़े.
  • रोहतास के नासरीगंज इलाका के अमियार गाँव में जहरीला शराब पियला से काल्हु दू जने के मौत हो गइल आ चार जने बेमार पड़ गइलन. एह लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा आ हालत खराब बतावल जात बा.
  • एक सौ एक साल के जई सिंह के काल्हु सासाराम में निधन हो गइल. जई सिहं भा जयकुमार सिहं स्वतंत्रता सेनानी रहलन.

देश

  • तीन गो निर्दलीय आ एगो यूकेडीपी विधायकन का समर्थन से काग्रेस उत्तराखंड में सरकार बनावे के दावा पेश कइलसि. कांग्रेस का लगे बत्तीस विधायक, भाजपा का लगे इकतीस विधायक आ तीन गो बसपा विधायक चुनाइल बाड़न अबकी का चुनाव में. अब सत्ता पक्ष का तरफ छत्तीस विधायक रहीहें आ विपक्ष में पैंतीस. वइसे कांग्रेस के पूरा उमेद बा कि सरकार बनते बसपा के तीनो विधायक ओकरा के समर्थन दे दीहें. राज्यपाल मारग्रेट अल्वा कांग्रेस प्रतिनिधिमण्डल से आपन नेता बतावे के कहली जेकरा के मुख्यमंत्री बनावल जाव.
  • गोआ में भाजपा नेता मनोहर पर्रिकर का नेतृत्व में नया सरकार के आजु शपथ दिआवल जाई. पर्रिकर प्रतिष्ठित संस्थान आईआईटी मुंबई के स्नातक हउवे. पर्रिकर तिसरका बेर गोआ के मुख्यमंत्री बनीहें.
  • पंजाब में प्रकाश सिंह बादल के काल्हु बुध का दिने मुख्यमंत्री पद के किरिया खिआवल जाई. भाजपा एह सरकार में शामिल रही.
  • मध्यप्रदेश में आईपीएस अधिकारी के हत्या पर दिग्विजय सिंह ओहिजा के भाजपा सरकार पर आरोप लगवले बाड़न. कहलन कि भाजपा सरकार का चलते पूरा राज्य में अवैध खनन होखत बा.
  • मुंबई में काल्हु खतरनाक केमिकल रंग से बीमार पड़े वाला लड़िकन में से तेरह साल के एगो लड़िका के राजावाड़ी अस्पताल में मौत हो गइल. पुलिस लापरवाही के केस दर्ज कइले बिया.
  • हरियाणा में जाट आंदोलनकारी आजु नेशनल हाइवे जाम कर दिहले जब अल्टीमेटम दिहला का बादो सरकार गिरफ्तार आंदोलनकारियन के ना छोड़लसि.
  • जम्मू-कश्मीर के राजौरी में आज दुसरको दिने कर्फ्यू जारी बा बाकिर कतहीं से कवनो घटना के खबर नइखे.
  • रेलवे आजु २६ गो नया रेलगाड़ियन के शुरू करे के घोषणा कइलसि. एह गाड़ियन के बारे में पिछले रेल बजट में प्रस्ताव पारित भइल रहे. अबहियो सतरह जोड़ी प्रस्तावित ट्रेन चालू होखे का इन्तजार में बाड़ी सँ.

दुनिया

  • सीरिया खातिर नियुक्त संयुक्त राष्ट्र के विशेष दूत कॉफी अन्नान शनिचर का दिने सीरिया के राजधानी दमिश्क जइहें. अन्नान के कहना बा कि सीरिया में बाहरी दखल से हालात अउरी खराबे होई.
  • ग्रीस एलान कइले बा कि ओकर अधिकतर लेनदार अरबो रुपिया के यूरो बांड लेबे पर तइयार हो गइल बाड़न. एहसे ग्रीस के कर्जा आधा रहि जाई.
  • इस्राइल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतनयाहू के कहना बा कि इजरायल अबही इन्तजार करी आ देखी कि ईरान पर लगावल प्रतिबंधन के का नतीजा आवत बा.
  • बंगलादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना अपना विरोधी दल पर आरोप लगवले बाड़ी कि पिछला चुनाव में ऊ पार्टी पाकिस्तान के आईएसआई से टका लिहले रहुवे. हालांकि बांगलादेश नेशनलिस्ट पार्टी एह आरोप के झूठ बतवले बिया.
  • केन्या के सरकार अपना पचीस हजार हड़ताली स्वास्थ्य कर्मचारियन के बर्खास्त करे के एलान कइले बिया.
  • चीन में झिनझियांग प्रांत में एगो बड़हन भूकंप अइला के खबर बा. अबही कवनो नुकसान के खबर सामने नइखे आइल.

खेल

  • काठमांडू में होखत फुटबाल टूर्नामेंट में आजु भारत आ ताजिकिस्तान का बीच मैच होखे वाला बा.
  • क्रिकेट खिलाड़ी राहुल द्रविड़ अन्तर्राष्ट्रीय क्रिकेट से सन्यास ले लिहले. कहलन कि सोलह साल खेलला का बाद सन्यास लेबे के समय आ गइल रहुवे. वइसे कहल जात बा कि धोनी से सहमत ना होखला का चलते ऊ सन्यास लिहले बाड़न.
  • भारत के बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल आल इंगलैण्ड के वीमेन्स सिंगल के क्वार्टर फाइलन में चहुँप गइली.

बिजनेस

  • बम्बई शेयर बाजार में आज उछाल के रूख रहल आ निवेशक जम के लिवाली कइलन. विदेशी मुद्राबाजार में डॉलर के मुकाबले रूपया ३४ पइसा मजबूत भइल. कच्चा तेल के दाम बढ़ल.

शिक्षा

  • बिहार में भइल शिक्षक पात्रता परीक्षा के परिणाम एह महीना के आखिर ले निकले के उमेद बा.
  • छब्बीस मार्च से बिहार में बोर्ड के इंटर परीक्षा शुरू होखे वाला बा. प्रायोगिक परीक्षा एकरा पहिलही करा लिहल जाई.

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: