web analytics

टटका खबर, बुध, १४ मार्च २०१२

उत्तर प्रदेश

  • सपा भाजपा आ कांग्रेस के लोग माँग कइले बा कि मायावती के संपति के जाँच करावल जाव कि कइसे ऊ अतना धन कमइली. बाकिर सपा मुखिया आ संप्रग मुखिया का बारे में केहु कुछ नइखे कहत. आजुवे सोनिया गाँधी का लगे ९८४ अरब के संपति होखे के खबर सामने आइल बा.
  • रेल बजट में यूपी के सात गो नया रेलगाड़ी मिलल बा जवना में इलाहाबाद कानपुर, बरेली कासगंज, छपरा मड़ुवाडीह गाड़ी शामिल बाड़ी सँ. छपरा लखनऊ, झाँसी टीकमगढ़, कानपुर अमृतसर, अहमदाबाद गोरखपुर आ झाँसी मुबंई गाड़ीओ चलीहें सँ.
  • अखिलेश यादव बियफे का दिन यूपी के नयका मुख्यमंत्री बनीहे. लखनऊ के लामाटीनियर स्कूल का मैदान में उनुका के किरिया दिहल जाई. एह मौका पर देश के बहुते नेता आ मुख्यमंत्रियन के बोलावा भेजल गइल बा.
  • गाजियाबाद के सीबीआई अदालत बाबू सिंह कुशवाहा आ रामप्रसाद जायसवाल के चौदह दिन के न्यायायिक हिरासत में भेज दिहलसि. दुनु जने के सीबीआई चार दिन अउर खातिर ापना हिरासत में मंगले रहुवे जवना से अदालत इन्कार कर दिहलसि. एह लोग के छह मार्च के सीबीआई गिरफ्तार कइले रहे.
  • जौनपुर के बसपा सांसद धनंजय सिंह के बेलाँव घाट के दोहरा हत्याकांड मामिला में हाईकोर्ट से जमानत मिल गइल. धनंजय के पिछला साल एगारह दिसम्बर के गिरफ्तार कइल गइल रहे.
  • गोरखपुर के गगहा इलाका के मुंडेरवा बाजार का लगे एगो ट्रैक्टर का चपेटा में आइल मोटरसाइकिल पर सवार एक आदमी घवाहिलहो गइल जबकि एगो औरत के मौत ओहिजे हो गइल.
  • पिछला दू दिन में भइल बरखा का चलते फसलन के त नुकसान भइबे कइल जाड़ो लवटि आइल बा.

बिहार

  • दिल्ली में होखे जात बिहार शताब्दी उत्सव में बिहार के बीस गो प्रतिभा के सम्मानित कइल जाई.
  • रेलबजट में बिहार के मिलल नयकी रेलगाड़ियन में दरभंगा सिकंदराबाद, पटना बिलासपुर, हावड़ा रक्सौल, कोलकाता जयनगर, छपरा लखनऊ, छपरा मंड़ुआडीह, दरभंगा अजमेर गाड़ी शामिल बाड़ी सँ. एकरा अलावे वलसाड सोनपुर आ बापूधाम मोतिहारी के मुजफ्फरपुर ले, सूरत वाराणसी के छपरा ले, आ कोलकाता दरभंगा के सीतामढ़ी ले बढ़ा दिहल गइल बा.
  • पिछला साल जुलाई में बक्सर के सिमरी पंचायत में एगो नवही गड़हा में डूब गइल रहे जवना का बाद खिसियाइल लोग सरकारी दफ्तर में तूड़फोड़ मचा दिहले रहुवे . अब जिला दंडाधिकारी सिमरी पंचायत के सगरी पुरुष मतदाता पर पंद्रह लाख रुपिया के सामूहिक जुर्माना लगावे के आदेश दिहले बाड़न.
  • रोहतास के नासरीगंज में माले सचिव भईयाराम यादव के कुछ लोग गोली मार के हत्या कर दिहलसि.
  • पश्चिमी चंपारण के भैरोगंज इलाका में जुड़ा पुल पर गिरल ठनका के चपेटा में आ के बगहा इलाका कुभ्हिया गांव निवासी मदन यादव के बेटा समेत मौत हो गइल आ एगो भैंसा झँउस गइल. मदन यादव के परिवार के अउरी लोग झँउस गइल बा आ चारो औरतन लड़िकियन के पटना रेफर कर दिहल गइल बा.
  • मढ़ौरा पुलिस चार गो बदमाशन के गिरफ्तार कर लिहलसि जे छिनतई आ लूट में लागल रहुवे. एह बदमाशन में असोइयां के अरविंद कुमार आ अभय कुमार, तकिना के अरविंद कुमार आ शाहपुर सोनपुर के मनीष कुमार शामिल बाड़े,
  • रोहतास के मोकर गाँव का नियरा सासाराम आरा रोड पर एगो शिक्षिका के मौत सड़क दुर्घटना में हो गइल. दू जने घवाहिलो भइल बाड़न.

देश

  • रेल भाड़ा बढ़ावल रेलमंत्री दिनेश त्रिवेदी के बहुते महँग पड़ल आ देश का इतिहास में पहिला बेर अइसन भइल कि रेलबजट पेश कइला का दिनही रेलमंत्री के इस्तीफा देबे के पड़ गइल. भाड़ा बढ़वला के खबर सुनते ममता बनर्जी के पारा चढ़ गइल आ ऊ एह बढ़ोतरी के वापिस लेबे के कहली. दिनेश त्रिवेदी इंकार कइले त तृणमुल सांसद उनुकर विरोध करे लगलन आ ममता प्रधानमंत्री के आपन हुकुम सुना दिहली कि दिनेश त्रिवेदी के बर्खास्त कर के मुकुल राय के रेल मंत्री बना दिहल जाव. देर रात दिनेश त्रिवेदी इस्तीफा दे दिहलन जवना के प्रधानमंत्री मंजूरो कर लिहलन. कहल जात बा कि रेलमंत्री कांग्रेस का उकसावा पर अइसन काम कइले रहलन जवना से ममता बनर्जी के पारा चढ़ गइल.
  • संसद के बजट सत्र यूपीए गठबन्हन खातिर बहुते भारी पड़े वाला बुझात बा. तृणमूल आतंकवादी विरोधी केन्द्र का खिलाफ सरकार का खिलाफ वोट करे के मन बना लिहले बावे. हालांकि प्रणव मुखर्जी चेतवले कि अइसन कइला से सरकार जा सकेले. संजोग से लोकसभा स्पीकर सुषमा स्वराज के प्रस्ताव के सकार लिहले बाड़ी आ अब ओही प्रस्ताव पर चरचा होखी. बाकिर सरकार के अइसन फजीहत होखे के अंदाजा ना रहुवे जइसन होखत बुझात बा.
  • उत्तराखंड के मुख्यमंत्री विजय बहुगुणा के आपब बहुमत साबित कर देबे के भरोसा बा, उनतीस मार्च के विश्वास प्रस्ताव पर विधानसभा में ताकत आजमाइश होखी.
  • रेल बजट में मालभाड़ा त ना बढ़ावल गइल बाकिर सवारी भाड़ा में मामूली बढ़ोतरी जरूर कर दिहल गइल. प्लेटफार्म टिकट अब तीन का जगहा पाँच रूपिया में मिलल करी. ७५ गो नया रेल गाड़ी चलावे, ३९ गो के दउड़ान आ २३ गो के फेरा बढ़ावे के घोषणा भइल बा, बाकिर बिहार आ यूपी खातिर कवनो सौगात नइखे. बस एगो इन्टरसिटी छपरा से मड़ुआडीह खातिर चलावे के बात कहल गइल बा.
  • सरकार कहलसि कि संसद के बजट सत्र में लोकपाल विधेयक के सूची में उपर राखल बा.
  • प्रकाश सिंह बादल आजु पॉंचवी हाली पंजाब के मुख्यमंत्री पद के किरिया लिहले. सुखबीर सिंह बादल के उप मुख्यमंत्री पद के किरिया दिहल गइल. एह मौका पर भाजपा के वरिष्ठ नेता लालकृष्ण आडवाणी आ भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी समेत अनेके राज्यन के मुख्यमंत्री मौजूद रहले. भाजपा के चार गो मंत्रियन समेत अठारह गो मंत्री के किरिया दिहल गइल.
  • मणिपुर में कांग्रेसे ओकराम इबोबी सिंह आजु तिसरा बेर मुख्यमंत्री पद के किरिया लीहें.
  • छत्तीसगढ़ सरकार बिलासपुर के जिला पुलिस अधीक्षक राहुल शर्मा के आत्महत्या के जांच सीबीआई से करवावे के फैसला लिहलसि.

दुनिया

  • सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल असद आजु एलान कइलन कि सात मई के संसद के चुनाव करवावल जाई. ओने हिंसा में मंगल का दिने ४५ लोग के जान चलि गइला के खबर बा.
  • सोमालिया के राजधानी में भइल एगो बम विस्फोट से तीन आदमी के जान चलि गइल बा. विस्फोट संसद के स्पीकर का घर का नियरा भइल बा.
  • इथियोपिया में एगो बस पर हमला कर के कुछ बंदूकधारी अनइस लोग के जान ले लिहलन सँ.

खेल

  • इंडियाना वेल्स में एटीपी मास्टर्स टेनिस टूर्नामेंट में भारत के लिएंडर पेस आ चेक गणराज्य के रेडेक स्टेपनिक के जोड़ी पुरूष डबल्स के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बिया.
  • इण्डियाना वेल्स टेनिस टूर्नामेंट में भारत के सानिया मिर्जा आ रूस के खिलाड़िन के जोड़ी क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइल.
  • नेपाल में होखत एएफसी फुटबाल कप का मैच में उत्तर कोरिया भारत के चार शून्य से हरा दिहलसि.
  • आईसीसी विश्व बीसबीसा क्वालिफायर मैच आजु दुबई में शुरू हो गइल, पहिला मैच में अफगानिस्तान आ पापुआ न्यू गिनिया का बीच मैच होखी. एह टूर्नामेंट में सोलह गो टीम खेलत बाड़ी सँ जवना में से माथ दू गो टीम के श्रीलंका में होखे वाला विश्व कप में खेले के मौका दिहल जाई.

बिजनेस

  • खाये क सामान, सब्जी आ प्रोटीन वाला भोजन सामग्री के दाम में बढ़ोतरी का चलते फरवरी में मँहगाई दर बहुते बढ़ के छह दशमलव नौ-पांच प्रतिशत रहल.
  • मुंबई शेयर बाजार के सूचकांक आजु लगातार तिसरको दिने बढ़ल आ १०६ अंक चढ़ि के १७९१९ पर बंद भइल. आजु डालर के मुकाबले रुपिया में आउ पइसा के मजबूती देखे के मिलल.

शिक्षा

  • पटना पुस्तक मेला काल्हु से गाँधी मैदान में शुरू होखे वाला बा. मेला छब्बीस मार्च ले चली.

 348 total views,  10 views today

%d bloggers like this: