शिक्षा
- यूपी बोर्ड के मैट्रिक आ इंटर परीक्षा में अबही ले नौ सौ चउवालीस परीक्षार्थियन के नकल करत पकड़ल गइल बा. आजुवे करीब साढ़े तीन सौ नकलचियन के पकड़ल गइल. परीक्षा में जम के नकल होखत बा आ ई सब छिटपुट कार्रवाई बा. सरकार आदेश दिहले बिया कि बीस अप्रेल ले साँझ छह बजे से रात दस बजे का बीच बिजली दिहल जाव जेहसे कि शहरी इलाका का तरह गँवईओ इलाकन में विद्यार्थियन के पढ़ाई चल सके.
- मेडिकल, लॉ, मैनेजमेंट वगैरह के पढ़ाई करे वाला अनुसूचित जाति के विद्यार्थियन के पढ़ाई के खरचा सरकार उठाई बशर्ते ओकरा परिवार के कमाई चार लाख रुपिया सालाना से कम होखी.
- केहुनी आ कलाई का बीच छोड़ दोसरा कवनो जगहा गोदना गोदावे वाला लोग के सेना में बहाल ना कइल जाई. मध्यप्रदेश में २५ अप्रेल से होखे वाला सेना भर्ती रैली का सिलसिला में ई जानकारी भर्ती कार्यालय जारी कइले बा.
उत्तर प्रदेश
- सगरी जिला मुख्यालयन से लखनऊ ले चार लेन के सड़क बनावे आ लखनऊ से दिल्ली खातिर सबले कम दूरी वाला सड़क बनावे के निर्देश दिहलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. कहलन कि साल २००७ में शुरू भइल सगरी पुल साल भर का भीतरे बनवा लिहल जाव. मायावती सरकार एह पुलन के काम रोकवा दिहले रहुवी.
- राज्य में फेर से पुरनका पुलिस जोन व्यवस्था लागू कर दिहल गइल जवना के साल २००९ में मायावती सरकार खतम कर दिहले रहुवी. एह फैसला का बाद अब आठ गो पुलिस महानिरीक्षक आ सतरह गो उपमहानिरीक्षकन के तैनाती जोन आ परिक्षेत्र में कइल जाई. माया सरकार के व्यवस्था में सीनियर आईपीएस अधिकारी अपना से जूनियर आईएएस अधिकारियन का मातहत काम करत रहले.
- लघु सिंचाई आ पशुधन मंत्री पारसनाथ यादव काल्हु जौनपुर में कहलन कि सिद्दिकीपुर कताई मिल फेर चालू करावल जाई आ जौनपुर के बी श्रेणी शहर बनावल जाई.
- एगो बीमार कैदी के मौत का बाद खिसियाइल कैदी बवाल कर दिहलन आ दू गो डिप्टी जेलर समेत पाँच गो पुलिस वालन के घवाहिल कर दिहलन. तीन गो कैदियो घवाहिल हो गइलन. बाद में पी॓एसी आ पुलिस बोलवा के हालात पर काबू कइल गइल.
- भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष कलराज मिश्र के विधानमंडल भाजपा दल के नेता बनावल जाई. कलराज मिश्र आजु राज्यसभा से इस्तीफा दे दिहलन. उनुकर कार्यकाल वइसहूं दू अप्रेल के खतम होत रहुवे.
- देवरिया के सत्र न्यायाधीश का अदालत में देवरिया के जिला विद्यालय निरीक्षक डा॰विजय प्रकाश सिंह के जमनात खारिज हो गइल आ उनुका के जेल भेज दिहल गइल.
बिहार
- बिहार के अब आपन राज्य गीत आ प्रार्थना होखी जवना के लोकार्पण आजु नीतीश कुमार पटना में कइलन. राज्यगीत के रचना कवि सत्यनारायण कइले बाड़न जबकि प्रार्थना एम आर चिश्ती. अब राज्य के सगरी स्कूलन में इहे प्रार्थना गवावल जाई.
- सिवान में साल १९९७ में भइल छात्र नेता चंद्रशेखर आ दू गो अउरी साथियन के हत्या का मामिला में तीन लोग के पटना सीबीआई अदालत दोषी करार दिहलसि. सजाय बियफे का दिन सुनावल जाई.
- औरंगाबाद के तिवारी बिगहा का लगे एगो ट्रक घर में घुस गइल जवना चलते पाँच लोग के मौत हो गइल.
- रोहतास के तरिगाँव में नेशनल हाईवे पर एगो साइकिल सवार कचरा गइल आ ओकर मौके पर मौत हो गइल.
- पश्चिम चंपारण के लौरििया नरकटियागंज रोड पर ट्रैक्टर लूट के ले भागे में ट्रैक्टर पलट गइल आ एगो लुटेरा ओकरा नीचे दबा के मर गइल.
- आरा के दीनदयाल अपहरण के आरोपी रिंकू सिंह के पटना हाई कोर्ट से जमानत मिल गइल जवना चलते आज ऊ जेल से रिहा कर दिहल गइल.
- गोपालगंज के बैकुंठपुर इलाका के मटियारी गाँव में गंडक नदी में नहात एगो लड़िका डूब के मर गइल.
- इंदिरा आवास खातिर पन्द्रह सौ रुपिया घूस लेबे का आरोप में गोपालगंज बरौली के नवादा पंचायत के मुखियापति पर केस दर्ज भइल. एकर आदेश जिलाधिकारी दिहलन.
- सिवान जिला के नबीगंज प्रखंड के लछुआ गाँव में एगो घर पर डकैती डाल के लाखो रुपिया के गहना नकदी लूट लिहल गइल आ बाद में फायरिंग करत डकैत भाग निकलले.
- गुठनी बीडीओ का घर में काल्हु रात में चोर दू गो मोबाइल, सोलर प्लेट आ बैट्री चोरा लिहलन स. बीडीओ खा के सूत गइल रहलन आ उनुका पता ना चलल.
- इसुआपुर इलाका से गायब एगो युवक के लाश मंगल का साँझ बरामद हो गइल. एह मामिला में युवक के बीबी का आरोप पर थाना में दू आदमी पर नामजद केस दर्ज भइल.
देश
- गाजियाबाद से महरावल का बीच बिहार संपर्क क्रांति एक्सप्रेस में डकैती डाल के साधारण बोगी के सवारियन के लूट लिहल गइल. बाद में ट्रेन रोक के लूटेरा भाग निकललन स आ पुलिस चहेटा के दिखावा करत रह गइल.
- केन्द्र सरकार के कर्मचारियन के महँगाई भत्ता पहिला जनवरी २०१२ से सात फीसदी बढ़ा दिहल गइल बा.
- काल्हु आइल उपचुनाव परिणाम में कर्नाटक से एगो लोकसभा सीट पर कांग्रेस के जीत भइल जबकि पाँच गो राज्य में विधानसभा के उपचुनाव में से कवनो सीट ना मिलल.
- मनमोहन सिंह से पवार के नाराजगी के तृणमूल सही बतवले बावे. तृणमूल के कहना बा कि दूरगामी असर वाला फैसला लिहला से पहिले गठबन्हन के सगरी सहयोगियन से राय मशविरा करे के चाहीं. भाजपा के कहना बा कि एह सरकार में प्रधानमंत्री छोड़ केहू दोसर खुश नइखे.
- दिल के दौरा पड़ला का चलते गोवा के पर्यटन मंत्री मातनही सलदन्हा के निधन हो गइल.
दुनिया
- गीता पर रोक लगावे वाली याचिका रूस के सर्वोच्च अदालत में खारिज कर दिहल गइल.
- चीन के लोग “फेरारी” के सर्च ना कर सकसु काहे कि कुछ दिन पहिले फेरारी दुर्घटना में एगो बड़का अधिकारी के बेटा मर गइल. लोग सवाल उठावल शुरू कर दिहल कि ओह अधिकारी का लगे अतना धन कहाँ से आइल कि अतना महँग गाड़ी खरीदलसि. एकरा बाद चीन सरकार सर्च इंजनन के “फेरारी” सर्च करे से रोक दिहलसि. “डेमोक्रेसी” पर रोक पहिले से लागू बा.
- पेरिस में इंडोनेशिया दूतावास का बहरी विस्फोट भइल बाकिर केहू घवाहिल नइखे भइल काहे कि समय से बम के पता लाग गइल रहुवे.
- मे्क्सिको में तेज भूकंप से ११ लोग घवाहिल. सैकड़ो घर तबाह बरबाद भइल.
खेल
- आजु पाकिस्तान आ बांगलादेश एशिया कप फाइनल मैच खेलीहें. बांगलादेश एह मैच के जीत के इतिहास बनावे का फेर में बा.
- एगो रोचक मुकाबला में आस्ट्रेलिया आ वेस्ट इंडीज का बीच होखत तिसरका एकदिना मैच बरोबरी पर रह गइल जब वेस्टइंडीज के पारी २२० रन पर समेटा गइल.
- सचिन तेंदुलकर कहले बाड़न कि अबही विराट कोहली के खेले दिहल जाव. उनुका पर कवनो तरह के दबाव मत बनावल जाव.
मनोरंजन
- बंगाली सिनेमा के मशहूर अभिनेता रहल सौमित्र चटर्जी के दादा साहेब फाल्के पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई. सौमित्र चटर्जी सत्यजीत रे का बीसेक फिलिमन में काम कइले रहलन.
404 total views, 2 views today