web analytics

टटका खबर, शुक, ३० मार्च २०१२

शिक्षा

  • एनसीसी सगरी राज्यन में एनसीसी एकेडेमी खोले के प्रस्ताव राज्य सरकारन का लगे भेजलसि. गुजरात, पंजाब आ तमिलनाडु में त एह पर कामो शुरू हो गइल बा. एनसीसी के लेफ्टिनेंट जनरल भल्ला कहलन कि मेडिकल आ इंजिनियरिंग में प्रबेश खातिर एनसीसी कैडेटन के सहूलियत मिले के चाहीं.

उत्तर प्रदेश

  • बसपा सरकार का समय मूर्तियन आ पार्कन के सुरक्षा खातिर बहाल होमगार्डन के हटा दिहल गइल बा. अब ओह लोग के जरूरत वाला जगहन पर तैनात कइल जाई. मूर्ति आ पार्क के सुरक्षा खातिर अलगा से बहाली का बादो एह होमगार्डन के रिलीज ना कइल गइल रहुवे.
  • अयोध्या राममंदिर में रामलला के दर्शन खातिर अधिका भीड़ जुटला का चलते दर्शन के समय दू घंटा अधिका कर दिहल गइल बा. अब दू अप्रेल ले भोरे सात बजे से दुपहरिया बारह बजे ले आ फेर एक बजे से साँझ छह बजे ले दर्शन पूजन कइल जा सकेला.
  • राज्य सरकार दूध उत्पादन बढ़ावे खातिर पशुपालकन के हर तरह के सहायता दिहल तय कइलसि. पशुप्रजनन नीति में सुधार करी आ नया डेयरी लगावल जाई. अम्बेडकर नगर में तीन करोड़ के लागत से डेयरी लगावल जाई.
  • बेरोजगारी भत्ता खातिर पंजीकरण के तारीख बढ़ा दिहल गइल बा. पंजीकरण का बाद ओकर स्क्रूटनी होखी आ ओकरा बाद बाकी औपचारिकता पूरा भइला पर पैंतीस साल के हाईस्कूल पास बेरोजगारन के एक हजार रुपिया महीन भत्ता दिहल जाई.

बिहार

  • बिहार सरकार पहड़न के खोने पर पूरा तरह से रोक लगावे के फैसला लेबे खातिर एगो उच्च स्तरीय समिति बनवले बिया. अब पहाड़न के खोने के लाइसेंस ना दिहल जाई आ पहिले से दिहल लाइसेंस के नवीकरण ना होखी.
  • बिहार में गरीबी रेखा का नीचे वाला परिवारन के संख्या ११२३६६०७ बा जबकि केन्द्र मात्र चालीस लाख बाइसे हजार परिवारन खातिर खाद्यान्न देबेले. एह चलते बिहार सरकार बीपीएल परिवारन के हर महीना पैंतीस किलो अनाज नइखे दे पावत.
  • चारा घोटाला के एगो आरोपी ध्रुव भगत जे पहिले विधायक रहलन के गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहल गइल बा. ऊ बियफे का दिने अदालत में समर्पण करि के जमानत देबे के निहोरा कइलन बाकिर अदालत से जमानत ना मिलल आ उनुका जेल भेज दिहल गइल.
  • छठ पूजा का दौरान पाँव गो नवही पटना का अलग अलग इलाका में गंगा में डूब गइलन. बादमें ओह लोग के लाश निकालल गइल. चार दिन के चैती छठ के पर्व बियफे का दिने खतम हो गइल.

देश

  • भारत सरकार के कहना बा कि सेनाध्यक्ष जनरल वी के सिंह पर ओकरा पूरा भरोसा बा. रक्षा मंत्री ए के एंटनी कहलन कि जनरल सिंह का खिलाफ कवनो कार्रवाई नइखे होखे वाला बाकिर उनुकर चिट्ठी लीक करे वाला पर कड़ा कार्रवाई होखी. जनरल सिंह जम्मू से जारी अपना बयान में कहलन कि चिट्ठी लीक होखे के मामिला देश द्रोह जइसन बा आ दोषी पर बहुते सख्त कार्रवाई होखे के चाहीं.
  • दिल्ली के एगो अदालत काल्हु बियफे का दिने सेवानिवृत्त लेफ्टीनेंट जनरल तेजिन्दर सिंह के मानहानि याचिका सकार लिहलसि जवना में ऊ सेनाध्यक्ष जनरल वी के सिंह आ चार गो दोसर माथ अधिकारियन पर अपना के बेइज्जत करे के आरोप लगबले बाड़न. याचिका पर सबूत दस अप्रेल के रिकार्ड कइल जाई.
  • लोकसभा काल्हु बियफे का दिने न्यायिक मानक अउर जवाबदेही विधेयक-२०१० के पारित कर दिहलसि. एह विधेयक में अधिकतम न्यायिक स्वतंत्रता आ न्यायधीशन के जवाबदेही बढ़ावे क व्यवस्था बावे.
  • राज्यसभा बियफे का दिने सीमा सुरक्षा बल संशोधन विधेयक २०११ के टार दिहलसि कि अगिला महीना दिल्ली में होखे वाला मुख्यमंत्री सम्मेलन का बाद एह पर चरचा होखी.
  • भठियरपन के भंडाफोड करे वालन के सुरक्षा खातिर आइल विधेयक पर बियफे का दिने राज्यसभा में चरचा ना हो पावल काहे कि विपक्ष अउरी समय चाहत रहे. लोकसभा एह विधेयक के पिछला साल दिसंबरे में पास कर दिहले बिया.
  • उत्तराखण्ड के विजय बहुगुणा सरकार बियफे का दिने विधानसभा में विश्वास मत हासिल कर लिहलसि. ओह समय भाजपा के विधायक सदन से बाक आउट कर गइल रहले काहे कि ऊ चाहत रहले कि गुप्त मतदान करावल जाव.
  • केरल उच्च न्यायालय बियफे का दिने इटली के जहाज एनरिका लेक्सी के तीन करोड़ रुपिया के बांड पर छोड़ देबे के आदेश दे दिहलसि.
  • कर्नाटक में बियफे का दिने पुलिस पहिले लोकायुक्त रहल न्यायमूर्ति एन संतोष हेगड़े आ आपराधिक जांच विभाग के प्रमुख आर के दत्ता का खिलाफ केस दर्ज कर लिहलसि. भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी हेमंत निम्बालकर शिकायत कइले बाड़न कि एह लोग के लगावल झूठ आरोपन से उनुका मानसिक कष्ट भइल रहे.
  • पंजाब में हिंसा का बाद गुरदासपुर शहर में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा. ओहिजा के हालात अब काबू में बावे.
  • अमृतसर का लगे भारत पाकिस्तान सीमा पर बीएसएफ से मुठभेड़ में तीन गो तस्कर मरा गइले. एहमें दू गो पाकिस्तानी आ एगो भारत के तस्कर रहुवे.
  • असम के विपक्षी दल विधानसभा के वहिष्कार के फैसला वापिस लिहलन.
  • सुप्रीम कोर्ट बेअंत सिंह के हत्यारा बलवंत सिंह राजोआना के बचावे खातिर राज्य सरकार के आलोचना कइलसि.

दुनिया

  • पाकिस्तान सुप्रीम कोर्ट ओहिजा के प्रधानमंत्री युसुफ रजा गिलानी के अवमानना के दूसरका नोटिस जारी करे के चेतावनी दिहलसि.
  • पाकिस्तान के बलूचिस्तान में गोलीवारी से सात लोग के मौत हो गइल.
  • अरब शिखर सम्मेलन के शुरुआत बगदाद शहर में बियफे का दिने भइल. एह सम्मेलन में सीरिया संकट पर विचार होखे वाला बा.

खेल

  • लियेंडर पेस आ चैक गणराज्य के राडेक स्टेपानेक के जोड़ी मियामी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के डबल्स सेमीफाइनल में पहुंच गइल बिया.
  • गैल टेस्ट में श्रीलंका इगलैंड के ७५ रन से हरा दिहलसि.
  • बांगलादेश क्रिकेट टीम के ओपनर तमिम इकबाल आईपीएल में पुणे वैरियर्स का तरफ से खेलीहें.
  • ओलम्पिक क्वालिफायर टूर्नामेंट जीते वाली भारतीय हॉकी टीम के बियफे का दिने बेंगलुरु में सम्मानित कइल गइल. हर खिलाड़ी के एक एक लाख रुपिया के चेक दिहल गइल आ होटल अपना तरफ से सबके एक एक गो आईपॉड दिहलसि.
  • शुक का दिने भारत आ दक्खिन अफ्रीका का बीच अकेला बीसबीसा मैच होखी. ओने वेस्ट इंडीज आ आस्ट्रेलियो का बीच बीस बीसा मैच होखे वाला बा.

बिजनेस

  • ब्रिक्स संगठन के देश – भारत, चीन, रूस, ब्राजील आ दक्खिन अफ्रीका आजु अपना स्थानीय मुद्रा में व्यापार शुरू करे खातिर दू गो समझौता पर दस्तखत कइले. एहसे एह देशन के अमरीकी डॉलर, यूरो भा पाउंड पर निर्भरता कम होखी आ लेनदेन के लागत घटी.
  • बियफे का दिने शेयर बाजार में मामूली गिरावट ६३ अंक के आइल. बाकिर डॉलर का मुकाबले रुपिया बहुते कमजोर पड़ गइल आ एक डॉलर के दाम ५१ रूपिया ४० पइसा हो गइल.
  • महाराष्ट्र सरकार रसोई गैस पर प्रस्तावित पांच प्रतिशत मूल्य आधारित कर में दू प्रतिशत कमी करे के घोषणा कइलसि.

 380 total views,  2 views today

%d bloggers like this: