Archives for April 2012
शिक्षा रोजगार उत्तर प्रदेश में पीएचडी खातिर होखे वाली पात्रता परीक्षा अब एक जून के होखी. परीक्षा डा॰ राममनोहर लोहिया अवध विश्वविद्यालय संचालित करी. पटना हाई कोर्ट का आदेश का चलते बिहार में दू मई से होखे वाली मध्यमा परीक्षा टार दिहल गइल बा. परीक्षा के अगिला तारीख बाद में बतावल जाई. बिहार सरकार सगरी
उत्तर प्रदेश उत्तर प्रदेश में अबले पाँच लाख टन गेंहू खरीदल जा चुकल बा आ अउरी खरीद चालू बा. एगो निजी कंपनी के पचास हजार टन गेंहू खरीदे के अनुमति दिहल गइल बा, आ कुछ अउरी कंपनियन से बात चीत चलत बा. लखनऊ से झाँसी, दिल्ली, गोरखपुर आ बनारस खातिर प्लेटिनम लाइन वातानुकूलित बस चलावल
शिक्षा रोजगार यूपी के प्राथमिक शिक्षा मंत्री रामगोविन्द चौधरी कहलन कि गरीब विद्यार्थियन के प्रवेश ना देबे वाला स्कूलन के मान्यता रद्द कर दिहल जाई. आजु उत्तर प्रदेश में बीएड के संयुक्त प्रवेश परीक्षा होखे वाला बा. परीक्षा केन्द्र का पाँच सौ मीटर का दायरा में कवनो फोटो कापी, पीसीओ भा फैक्स के दूकान ना
शिक्षा रोजगार एह साल यूपी बोर्ड के रिजल्ट सीबीएसई जइसन होखी काहे कि अबकी तीस अंक स्कूल स्तर पर दिहल जाई. एहसे अबकी यूपी बोर्ड में जम के नंबर मिले के उमेद कइल जात बा. रिजल्ट मई का आखिरी सप्ताह में आवे के उमेद बा. केन्द् सरकार देश में चौदह गो नवाचार विश्वविद्यालय खोले के
उत्तर प्रदेश विधान परिषद के तेरह सीट के चुनाव में सगरी उम्मीदवार निर्विरोध जीत गइलन काहे कि तेरहे गो उमीदवार परचा दाखिल कइले रहले आ तेरहो के परचा सही मिलल. एह विजयी उम्मीदवारन में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, अंबिका चौधरी, उमर खान, राजेन्द्र चौधरी, मधु गुप्ता, रामसकल गुर्जर, नरेश चन्द्र उत्तम आ विजय यादव समाजवादी पार्टी
खास खबर आजु भिनसहरा में अग्नि पाँच के सफल परीक्षण हो गइल. काल्हु एकर प्रक्षेपण खराब मौसम का चलते टार दिहल गइल रहुवे. ओडिशा समुद्र तट का नियरा ह्वीलर आइजलैंड से एकर सफल प्रक्षेपण कइल गइल. अमेरिका एह पर कवनो टिप्पणी करे से इंकार करत कहलसि कि भारत हमेशा से परमाणु अप्रसार के समर्थक रहल
पिछला हफ्ता कई बेर अँजोरिया समूह के वेबसाइट सर्विस प्रवाइडर का चलते बाधित भइल जवना खातिर हम माफी माँगत बानी. बाकिर कुछ बाति अइसन होले जवना पर आपन वश ना चले. खास खबर दिल्ली नगर निगम का चुनाव में कांग्रेस के सूपड़ा साफ हो गइल बाकिर ओकरा खुशी बा कि ऊ पिछला बेर से अधिका
खास खबर मुंबई जा के जय महाराष्ट्र बोल अइलन बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार. अपना भाषण का आखिर में मराठी में आभार जतवले. बिहार सरकार नया पटना बसाई. एह काम खातिर मशहूर आर्किटेक्ट हफीज कन्ट्रैक्टर के पटना बोलावल गइल जहाँ ऊ सतरह सौ एकड़ में बने वाला बिहार के नया राजधानी नया पटना के योजना
उत्तर प्रदेश आजु अंबेदकर जयंती खातिर जोरदार तइयारी भइल बा. बाकिर अबकी ऊ गरमजोशी ना रही जवन मायावती शासन में रहत रहुवे. माता प्रसाद पाण्डेय के शुक का दिने विधानसभा के अध्यक्ष चुनाए के घोषणा कर दिहल गइल. उनुका खिलाफ केहू परचा दाखिल ना कइल से उनुका के निर्विरोध चुन लिहल गइल. भाजपा के प्रदेश
आजु सतुआन ह. हर साल चौदह अप्रेल के पड़े वाला सतुआन अबकी तेरह तारीख के पड़ल बा. शिक्षा रोजगार सुप्रीम कोर्ट बियफे का दिने अपना फैसला में शिक्षा के अधिकार कानून के संवैधानिक रूप से सही ठहरवलसि. कहलसि कि ओहु स्कूलन के गरीब छात्रन खातिर पचीस फीसदी सीट देबे के पड़ी जेकरा सरकार से कवनो
शिक्षा रोजगार बुध का दिने राज्य भर के शिक्षक हड़ताल पर रहलें आ पढ़ावे के काम ना कइलें. हालांकि शिक्षक लोग विद्यालयन में हाजिर रहे. प्रो॰ रामदेव प्रसाद के बिहार संस्कृत शिक्षा परिषद के अध्यक्ष बनावल गइल बा. एकर सूचना मंगला का दिने जारी कर दिहल गइल. बुध का दिने राज्य भर के शिक्षक हड़ताल
शिक्षा रोजगार बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी काल्हु मोतिहारी में कहलन कि मोतिहारी में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोलल केन्द्र के नैतिक जिम्मेदारी बा. पहिले सैद्धांतिक सहमति दिहला का बाद अब एह मामिला में पीछे हटल ठीक ना कहाई. कहलन कि केन्द्र सरकार गया में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले के अपना फैसला पर फेरू से सोचे. उत्तर
शिक्षा रोजगार इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा आजु देश भर में करावल जात बा. एह प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट अठारह मई के घोषित कइल जाई. सिक्किम में जल्दिये मेडिकल कॉलेज अस्पताल खोलल जाई जवना से सिक्किम में डाक्टरन के कमी दूर हो जाई. हालांकि सिक्किम में एगो मेडिकल कॉलेज पहिले से बा उत्तर प्रदेश शाही इमाम बुखारी
गहना पर एक फीसदी का दर से लगावल उत्पाद कर का खिलाफ इकईस दिन से होखत सराफा हड़ताल काल्हु शुक का दिने प्रणव मुखर्जी आ सराफा व्यापारियन का बीच भइल बातचीत का बाद एगारह मई तक ले टार दिहल गइल. अगर लोकसभा में ई कर वापिस ना लिहल गइल त दुबारा हड़ताल पर चल जइहें
शिक्षा रोजगार भारत आ संयुक्त अरब अमारात एगो समझौता पर दस्तखत कइले जवना का बाद अब रोजगार अनुबंध आनलाइन मिल जाई आ कामगार दलालन का फेर में ना पड़ीहें. राष्ट्रीय माध्यमिक शिक्षा अभियान में यूपी के चार सौ उनचास गो जूनियर हाईस्कूलन के अपग्रेड करके हाई स्कूल बना दिहल जाई. एह सब में नयका सेशन
उत्तर प्रदेश सीबीआई उत्तर प्रदेश में राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन घोटाला में सात लोग का खिलाफ आरोपपत्र गाजियाबाद के विशेष सीबीआई अदालत में दायर करवलसि. विधान परिषद के तेरह गो खाली होत सीट पर दुसाला चुनाव छब्बीस अप्रेल के करावल जाई. एकर अधिसूचना नौ अप्रेल के जारी होखी आ सोलह अप्रेल ले परचा दाखिल कइल
शिक्षा गोरखपुर के राकेश कुमार सिंह पीसीएस परीक्षा २००९ मे पहिला जगहा आइल बाड़न. महिला वर्ग में पहिला जगहा पर इलाहाबाद के अर्चना द्विवेदी आइल बाड़ी. यूपी के मुस्लिम बहुल इलाकन में अब उर्दू माध्यम से पढ़ावे वाला स्कूल खोलल जाए के एलान मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कइले बाड़न. जौनपुर के वीरबहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय के
शिक्षा युपी के पीसीएस परीक्षा २००९ के परिणाम निकल गइल जवना में पूर्वांचल के अभ्यर्थियन के बहुते सफलता मिलल बा. बलिया से खंडवा गाँव के अजीत सिंह, उरैनी गाँव के दुर्गेश सिंह, नीरूपुर के जीतेन्द्र तिवारी, हालपुर के शुभा सिंह, आ मनियर गुदरी बाजार के जितेन्द्र कुमार शामिल बाड़े. शिक्षा के अधिकार कानून का चलते
उत्तर प्रदेश काल्हु शनिचर का दिने जारी जनगणना के आंकड़ा का हिसाब से पिछला दस साल में राज्य के आबादी बत्तीस फीसदी बढ़ के चार करोड़ इक्यावन लाख बहत्तर हजार चार सौ तैंतालीस हो गइल बा. विकास का बारे में जनगणना के आंकड़ा बतावत बा कि अबहियो अधिका लोग किरासन तेल पर निर्भर बा रोशनी