Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, बुध, ४ अप्रेल २०१२


उत्तर प्रदेश

  • सीबीआई उत्तर प्रदेश में राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन घोटाला में सात लोग का खिलाफ आरोपपत्र गाजियाबाद के विशेष सीबीआई अदालत में दायर करवलसि.
  • विधान परिषद के तेरह गो खाली होत सीट पर दुसाला चुनाव छब्बीस अप्रेल के करावल जाई. एकर अधिसूचना नौ अप्रेल के जारी होखी आ सोलह अप्रेल ले परचा दाखिल कइल जा सकेला. एह तेरह गो खाली होखत सीट में से छह गो समाजवादी पार्टी का लगे, चार गो बसपा का लगे आ तीन गो भाजपा का लगे रहुवे.
  • वायुसेना के मध्य कमान के कमाण्डरन के तीन दिन के सम्मेलन मंगल का दिने इलाहाबाद में शुरू भइल जवना के उद्घाटन वायुसेना अध्यक्ष एन॰ए॰के॰ब्राउन कइलन.
  • मशहूर साहित्यकार मोहन अवस्थी के सोमार का दिने इलाहाबाद में निधन हो गइल. ऊ पचासी साल के रहलन आ लमहर समय से बेमार रहले. मोहन अवस्थी के साल १९९८ में साहित्य भूषण पुरस्कार दिहल गइल रहुवे.

बिहार

  • साल २०११ के कैग रिपोर्ट मंगल का दिने विधानसभा में पेश कइल गइल. एह रिपोर्ट में कहल गइल बा कि बार बार मँगला का बावजूद अबही ले करीब तेइस हजार करोड़ रुपिया के हिसाब नइखे दिहल गइल. कहलन कि पिछला साल चार सौ नौ करोड़ रुपिया के गबन भइल बा जवना में सबले बेसी गबन ग्रामीण विकास विभाग में भइल बा.
  • विपक्ष के नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी कहलन कि ३१ मार्च का दिने सरकार के खजाना खालीए ना भइल बलुक अरबो रुपिया के ओवरड्राफ्ट में चल गइल तब आनन फानन प्रधान सचिवन के रात में जगा के कोषागार में धन जमा करे के संदेश भेजल गइल. ओकरा बादे राज्य के वित्तीय स्थिति सामान्य हो सकल. कहलन कि बिहार सरकार मार्च लूट रोके में विफल रहल बिया.
  • सारण जिला के आमी गाँव में मूर्ति विसर्जन करत घरी एगो नवही गंगा नदी में डूब गइल. ओकर नाम सरोज बतावल जात बा.
  • सारणे जिला के पानापुर के मुहम्मदपुर गाँव में सड़क दुर्घटना से एगो स्कूल छात्र के मौत हो गइल.

देश

  • जमात उद दावा मुखिया आ मुंबई हमला के सरगना हाफिज सईद के जिन्दा भा मुर्दा पकड़वावे वाला के अमेरिकी सरकार एक करोड़ डॉलर के इनाम दी. भारत सरकार एह घोषणा के स्वागत कइले बिया आ उमेद जतवले बिया कि अब पाकिस्तान सरकार हाफिज सईद का खिलाफ कार्रवाई करी.
  • भारतीय जनता पार्टीओ अमेरीकी घोषणा के स्वागत कइले बिया.
  • ममता बनर्जी का दबाव का सोझा मूड़ी नवावत केन्द्र सरकार एन सी टी सी का बारे में विचार करे खातिर देश भर के मुख्यमंत्रियन के सम्मेलन पाँच मई के बोलवलसि. पहिले एह पर १६ अप्रेल के बइठक में विचार होखे वाला रहुवे. अब १६ अप्रेल के बइठक में बाकी मुद्दा पर विचार होखी आ एनसीटीसी खातिर बाद में फेर बइठक बोलावल जाई.
  • सीबीआई मंगल का दिने मुंबई में आदर्श हाउसिंग सोसायटी घोटाला मामिला में महाराष्ट्र के दू गो वरिष्ठ आई.ए.एस. अधिकारियन, जयराज पाठक आ रामानंद तिवारी, के गिरफ्तार कर लिहलसि. सात जने पहिले से गिरफ्तार बाड़े.
  • ओडिशा में नक्सली सरकार के बियफे तक के समय दिहले बाड़े जबले सरकार ओकनी के माँग मान लेव. नक्सली एगो बीजद विधायक झिना हिकाका आ इटली के एगो पर्यटक के अपहरण कर के रखले बाड़न सँ.
  • दिल्ली के एगो अदालत १३ फरवरी के इजरायली राजनयिक का कार में बम विस्फोट करवावे के मामिला में गिरफ्तार सैयद मोहम्मद अहमद काजमी के जमानत याचिका नामंजूर कर दिहलसि. काजमी अपना के एहो ईरानी अखबार के पत्रकार बतावेला.
  • केरल उच्च न्यायालय के खंडपीठ एकल पीठ के ओह आदेश के रद्द कर दिहलसि जवना में तीन करोड़ रूपिया के बांड पर इटली के जहाज एनरिका एलैक्सी के छोड़ देबे के कहल गइल रहे.
  • ढेर दिन से राजनीतिक मंच से गायब राहुल गाँधी छह अप्रेल के दिल्ली में यूपी के विधायक सांसद आ चुनाव में हारलो उम्मीदवारन के बइठका लीहें. एह में विचार होखी कि पार्टी हारल काहें.
  • रूस के बनल परमाणु पनडुब्बी नेरपा आजु बुध का दिने आई एन एस चक्र का नाम से दस साल खातिर भारत के नौसेना में शामिल कइल जाई.

दुनिया

  • आसियान नेता लोगन के बइठक कंबोडिया में होखत बा जवना में उत्तर कोरिया के राकेट छोड़े के मामिला आ हाल के म्यांमाँ चुनाव पर चरचा होखे के उमेद बा. ई सम्मेलन कंबोडिया के राजधानी नॉमपेन्ह में होखत बावे.
  • संयुक्त राष्ट्र के विशेष दूत कोफी अन्नान अगिला दू दिन में सात गो विशेषज्ञन के एगो दल सीरिया भेजीहें जे ओहिजा जारी हिंसा रोके पर विचार विमर्श करी.
  • दक्खिनी यमन में भइल हवाई हमला से नाहियो त ४० गो संदिग्ध आतंकवादियन के मरइला के खबर बावे.

खेल

  • मंगल का देर साँझ चेन्नई में आई पी एल के पांचवा संस्करण के उद्घाटन समारोह चलल. अमिताभ बच्चन एह समारोह के शुरूआत कइले. मुकाबला आजु बुध का दिन से शुरु होखी. अबकी नौ गौ टीम एह लीग में खेलत बाड़ी सँ.

बिजनेस

  • देश भर के बैंक बियफे आ शुक का दिने बंद रहीहे सँ. बियफे का दिने महावीर जयन्ती पड़त बा आ शुक का दिने गुड फ्राइडे. एकदिन शनिचर के आकस्मिक अवकाश ले के चार दिन के छूट्टी मना सकीहें सरकारी कर्मचारी.
  • बम्बई शेयर बाजार के सूचकांक मंगल का दिने ११९ अंक बढ़के बंद भइल. मंगल का दिने रुपिया पंद्रह पइसा मजबूत हो गइल.
  • एशियाई विकास बैंक तमिलनाडु आ उत्तराखण्ड में पर्यटन बढ़ावे खातिर भारत के चार करोड़ तीस लाख डॉलर के करजा दिहल मंजूर कर लिहलसि.

%d bloggers like this: