web analytics

टटका खबर, सोमार, 9 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी काल्हु मोतिहारी में कहलन कि मोतिहारी में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोलल केन्द्र के नैतिक जिम्मेदारी बा. पहिले सैद्धांतिक सहमति दिहला का बाद अब एह मामिला में पीछे हटल ठीक ना कहाई. कहलन कि केन्द्र सरकार गया में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले के अपना फैसला पर फेरू से सोचे.

उत्तर प्रदेश

लोक निर्माण मंत्री शिवपाल सिंह यादव कहले बाड़न कि मायावती सरकार के वित्तीय अनियमितता के जाँच करावल जाई आ दोषी अधिकारियन आ मंत्रियन का खिलाफ कार्यवाही कइल जाई.

गर्भवती मेहरारूवन आ बच्चन के फोटो वाला पहचानपत्र बनावल जाई जेहसे पुष्टाहार व्यवस्था में गड़बड़ी ना हो सके. अब पचीस किलो के पैकेट का बदले एक एक किलो के पैकेट दिहल जाई आ पैकेट पर जिला आ केन्द्र के नाम छपल होखी जेहसे पकड़इला पर पता लाग जाव कि कवना केन्द्र के पुष्टाहार हऽ.

महाराष्ट्र के गढ़चिरौली में नक्सली हमला में मराइल जौनपुर के चितापयर करकोली गाँव के सीआरपीएफ जवान अनिल उपाध्याय के परिवार के काल्हु अठारह लाख रुपिया के चेक दिहल गइल. एहमें से चौदह लाख विधवा का नामे आ चार लाख के चेक बाप महतारी का नामे बा.

मर शहीद मंगल पाँडेय के बलिदान दिवस पर काल्हु बलिया समेत प्रदेश भर में कई जगहा श्रद्धांजलि कार्यक्रम करावल गइल. बलिया के कदम चौराहा पर उनुका प्रतिमा के फूल चढ़ावल गइल, गार्ड आफ आनर दिहल गइल आ दिन भर कार्यक्रम चला के उनुका व्यक्तित्व आ कृतित्व के चरचा कइल गइल. मंगल पाँडे के आठ अप्रेल का दिने बैरकपुर में फाँसी पर लटकावल गइल रहे.

विधानसभा के एगो एंग्लोइंडियन सदस्य का रूप में पीटर फेँथम के राज्यपाल बी एल जोशी मनोनीत कइले. विधानसभा में इहे एगो मनोनीत सदस्य रहेले.

इलाहाबाद राजकीय बाल सुधार गृह में तीन गो बच्चियन का साथे दुराचार का मामिला में अबले नौ गो कर्मचारियन के निलंबित कर दिहल गइल बा. एहमें सुधार गृह के अधीक्षिको शामिल बाड़ी आ महिला कल्याण विभाग के निदेशको के हटा दिहल गइल बा.

गोरखपुर में खजनी इलाका में गोली से घवाहिल नेता हरेन्द्र पाण्डेय मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भरती का बाद से लापता हो गइले.

बिहार

केन्द्रीय उर्जा मंत्रालय दामोदर वैली कार्पोरेशन से बिहार के एक सौ मेगावाट बिजली देबे के मंजूरी दे दिहलसि.

अतवार का दिने सासाराम में बाबू जगजीवन राम के जयंती समारोह संबोधित करत लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार कहलीं कि देश के मजबूत बनावे खातिर जात पात हटावल जरूरी बावे.

कोटा के अनाज अब डीलर लोग खाद्य निगम के गोदाम से ना उठावल करी. नयकी व्यवस्था में राज्य सरकार भाड़ा के वाहन से खुदे डीलर ले राशन चहुँपाई. राशन चहुँपावे वाला वाहन पर माइक लागल रही जवना से ओह इलाका के लोग के बता दिहल जाई कि अनाज चहुँप गइल आ कतना अनाज आइल बा.

मोहनियां में घेघिंया आश्रम का लगे तीन दिन के महायज्ञ का आखिरी दिने भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम में लोग मनोज तिवारी के गवनई से श्रद्धा से सराबोर हो गइल.

काल्हु अतवार का दिने छपरा, सिवान, मोतिहारी आ गोपालगंज में भइल बरखा से आम लीची का साथे रबी फसलो के बहुते नुकसान हो गइल. आजुवो बरखा होखे के अनेसा बतावल गइल बा.

गोपालगंज के विक्रमपुर गाँव से कुछ मोटर साइकिल सवार बदमाश महतारी के गोली मार के बेटी के उठा ले गइले. घटना के मामिला थाना में दर्ज करावल गइल बा.

भोरे के सब्जी विक्रेता आखिरकार प्रशासन के सलाह मानत जिला परिषद निरीक्षण भवन का लगे सब्जी बाजार लगावे पर तइयार हो गइलन.

नीलगाय मार के ओकर माँस बेचे वाला पाँच जने के दरौली पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया आ ओह लोग से पूछताछ में लागल बिया.

भोजपुर के कुख्यात अपराधी बजरंगी राय के अतवार का दिने पटना पुलिस बिहटा इलाका में छापा मार के पकड़ि लिहलसि.

सारन जिला के कोपा थाना के टरवा पोझिया गाँव में जमीन के झगड़ा में एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल जवना में देवरिया पंचायत के सरपंच ममतो देवी शामिल बाड़ी.

अतवार का दिने लोकनायक जेपी का गाँव से पाँच दिन के संपूर्ण क्रांति जागरूकता पदयात्रा के शुरूआत कइलसि पटना के संपूर्ण क्रांति मंच.

देश

प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह काल्हु पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी से कहलन कि पाकिस्तान का जमीन से भारत का खिलाफ होखत आतंकवादी हमला रोकल जाव आ मुंबई हमला के दोषियन के सजा दिहल जाव. वइसे सब कुछ हो चुकला का बादो अबही ले मनमोहन सिंह के सरकार संसद पर भइल हमला के दोषी अफजाल के फाँसी नइखे दे सकल.

काल्हु पाकिस्तान के “राहुल” आ हिन्दुस्तान के “बिलावल” का बीचो बातचीत भइला के खबर बा.

सरकार के नाक कसे में माहिर होखत नक्सली अब निहूरल ओडिशा सरकार के अउरी निहुयरावे में लागल बाड़े आ आ अउरी तीस गो कैदियन के रिहाई माँगत बाड़े स. एह मामिला में नक्सलियन के हितचि्तक बुद्धिजीवी दलाल जवन कहसु बाकिर होखे के चाहीं कि सरकारो टाइट हो जाव आ कह देव कि अगर अपहृत विधायक के कुछऊ भइल त ओह तीसो कैदियन के मुठभेड़ में मार दिहल जाई. नक्सलियन से बतियवला में कवनो फायदा नइखे.

विदेश

नाइजीरिया के कादुना शहर में भइल दू गो कार बम विस्फोट से नाहियो त सोलह लोग के जान चल गइल बा आ अनेके लोग घवाहिल भइल बा.

कोफी अन्नान चिंता जतवले बाड़न कि सीरिया में हिंसा अउरी बढ़ल जात बा. सरकार के कहना बा कि जबले विद्रोही लिख के ना दीहें तबले शहर से सैनिकन के ना हटावल जाई.

ईरान पश्चिमी देशन का बीच ईरान के परमाणु कार्यक्रम पर चौदह अप्रैल के इस्ताम्बुल में बातचीत के अगिला दौर चली. एहमें अगर मामिला कुछ आगा बढ़ल त फेर अगिला दौर के बातचीत बगदाद में हो सकेला.

बिजनेस

के्न्द्र सरकार देश में प्रत्यक्ष विदेशी पूंजी निवेश बढ़ावे खातिर अपना नीतियन के चुस्त दुरुस्त बनावे में लागल बिया.

आजु शेयर बाजार में सबेरे गिरावट के जबरदस्त दौर देखे के मिलल आ सूचकांक दू सौ अंक नीचे गिर गइल बा.

खेल

दू महीना से अमेरिका में अपना कैंसर के इलाज करवला का बादु क्रिकेट खिलाड़ी युवराज सिंह आजु हिन्दुस्तान वापिस आ गइलन. हवाई अड्डा पर उनुकर एक झलक पावे खातिर बड़हन भीड़ जुटल रहे. युवराज के स्वगत करे खातिर उनुकर महतारी शबनम हवाई अड्डा पर मौजूद रहली. युवराज मुसकात रहलन बाकिर देखे में कमजोर लागत रहले. माथ के बाल छिलववला का चलते टोपी पहिरले रहन युवराज.

मुक्केबाजी में भारत के विजेन्दर सिंह ७५ किलोग्राम वर्ग में लंदन ओलिम्पिक खातिर क्वालीफाई कर लिहलन. विजेंदर लगातार तीसरा बेर ओलिम्पिक खातिर क्वालीफाई कइले बाड़न.

आई पी एल पाँच का मैच में काल्हु जयपुर में राजस्थान रॉयल्स कोलकाता नाइट राइडर्स के २२ रन से आ पुणें में पुणे वैरियर्स इंडिया किंग्स इलेवन पंजाब के २२ रन से हरा दिहलसि.

आजु विशाखापत्तनम में डेक्कन चार्जर्स के मुकाबला मुंबई इंडियन्स से आ बंगलौर में रॉयल चेलेन्जर्स बंगलौर के मैच कोलकाता नाइट राइडर्स से होखे वाला बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: