web analytics

टटका खबर, बियफे, 12 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

बुध का दिने राज्य भर के शिक्षक हड़ताल पर रहलें आ पढ़ावे के काम ना कइलें. हालांकि शिक्षक लोग विद्यालयन में हाजिर रहे.

प्रो॰ रामदेव प्रसाद के बिहार संस्कृत शिक्षा परिषद के अध्यक्ष बनावल गइल बा. एकर सूचना मंगला का दिने जारी कर दिहल गइल.

बुध का दिने राज्य भर के शिक्षक हड़ताल पर रहलें आ पढ़ावे के काम ना कइलें. हालांकि शिक्षक लोग विद्यालयन में हाजिर रहे.

उत्तर प्रदेश

नयका विधायकन के किरिया धरावे के काम आजु से शुरू कर दिहल गइल. विधानसभा अध्यक्ष के चुनाव काल्हु तेरह अप्रेल के करावल जाई. सदन के सबले पुरान सदस्य कांग्रेस के प्रमोद तिवारी भाजपा विधायक श्यामदेव राय चौधरी के विधायक आ फेर प्रोटेम अध्यक्ष के किरिया दिहलन. उनुका बाद शिवपाल सिंह किरिया लिहलन. तब बसपा कें स्वामी प्रसाद मौर्य किरिया लिहलन.

विधानपरिषद के चुनाव खातिर आजु पाँच जने आपन परचा दाखिल कइलन. एहमें सपा का तरफ से बलिया के अंबिका चौधरी शामिल बाड़न. अंबिका चौधरी विधायकी के चुनाव हार गइल रहलन तबहोयो उनुका के राजस्व मंत्री बनावल गइल बा आ अब उनुका के विधानपरिषद में भेजल जात बा.

भाजपा विधायक दल के नेता पद पर हुकुम सिंह के सर्वसम्मति से चुन लिहल गइल. एह बइठक के अध्यक्षता प्रदेश अध्यक्ष सूर्यप्रताप शाही कइलन.

मारीशस के मशहूर गायिका हुसिला देवी के बुध का दिने बनारस के भोजपुरी अध्ययन केन्द्र पर स्वागत अभिनन्दन कइल गइल. हुसिला देवी मारीशस के राष्ट्रपति के साली हई.

जौनपुर केराकत के सैनिक गिरजाशंकर कॉलेज के सहायक केन्द्राधीक्षक का घरे एगो परीक्षार्थी खातिर कापी लिखल शिक्षक के एसडीएम छापा मार के धर दिहलन.

गोरखपुर लखनऊ रूट पर आजु से रेलगाड़ियन के परिचालन पाँच दिने ले अव्यवस्थित रही काहे कि एह खंड में नन इंटरलाकिंग के काम करावल जाई.

गाजीपुर मुहम्मदाबाद में बसपा के विधानसभा क्षेत्र अध्यक्ष रहल नेता के छूरी घोंप के हत्या कर दिहल गइल. हत्या के खबर सुनते सलेमपुर चट्टी के सगरी दुकान बंद हो गइली सँ. सर्किल के सगरी थाना से पुलिस बोलावल गइल बा हालात पर काबू करे खातिर.

बलिया नवानगर के तिलौलौ गाँव में मंगल रात जमीन के झगड़ा में एगो आदमी अपना छोट भाई के चोख हथियार से वार कर के मार डललसि, छोटका भाई बीएसएफ में रहुवे आ छुट्टी ले के घरे आइल रहुवे.

बिहार

विधानपरिषद चुनाव खातिर नीतीश कुमार, सुशील मोदी आ राबड़ी देवी समेत एगारह लोग बुध का दिने आपन परचा दाखिल कइल. अबकी परिषद सभापति ताराकांत झा के पार्टी टिकट नइखे मिलल. एगो अउरी पार्षद बालेश्वर प्रसाद भारती ओ के टिकट काट दिहलसि भाजपा. एह लोग का बदले मंगल पांडेय आ सत्येन्द्र कुशवाहा के उम्मीदवार बनावल गइल बा.

मैला आँचल के उपन्यासकार फणीश्वरनाथ रेणु के बुध का दिने उनुका पुण्यतिथि पर श्रद्धांजलि दिहल गइल.

गोपालगंज के कुचायकोट थाना के सिरिसिया गाँव में आग लगला से करीब एक दर्जन झोपड़ी राख हो गइल.

मैरवा के झरही नदी पर चार साल से बनल पुल के काम अबहीं ले पूरा ना होखला का चलते बुध का दिने युवा संघर्ष मोर्चा आन्दोलन शुरू कइलसि.

सिवान जिला के रघुनाथपुर थाना के निखती गाँव में एगोमवेशी चोर के लोग पकड़ के अतना पीटल कि इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल. दोसरका चार भाग पराइल.

पूर्वी चंपारण में मधुबन तेतरिया सड़क पर मंगल का देर साँझ ट्रैक्टर से कचराइल एगो लड़िका के मौत अस्पताल ले जाये का रास्ता में हो गइल.

मोतिहारी के चकिया आ पिपरा टीसन का बीच बुध का दिने अवध एक्सप्रेस के चेनपुलिंग कर के रोके वाला दू गो नवहियन के रेलवे सुरक्षा बल के जवान पकड़ के जेल भेज दिहलन.

आरा में एगो कोचिंग चलावे वाला एच एन सिंह के बुध का साँझे हत्या कर दिहल गइल. पुलिस अबहीं जाँच में लागल बिया आ कवनो गिरफ्तारी नइखे भइल.

सारण के डोरीगंज इलाका के चिरांद आ मुसेपुर पंचायत में कई गो मवेशियन के कवनो अनजान बेमारी से भइल मौत का बाद पटना से पशु चिकित्सकन के टीम ओह गाँवन के दौरा कइलसि.

मढ़ौरा के बिंदु बहुआरा गाँव में हुँड़ार का हमला से एगो आदमी घवाहिल हो गइल. हुँड़ार अबहीं पकड़ में नइखे आइल.

रोहतास जिला के नटवार इलाका के नदौवां गांव के दू गो नवहियन के हत्या से नाराज लोग बुध का दिने बेलवइयां चौक पर सड़क जाम लगावल.

राजद सांसद रघुवंश प्रसाद सिंह के पत्नी किरण सिहं के लमहर बीमारी का बाद आजु बुध का दिने दिल्ली में निधन हो गइल.

देश

ओडिशा में नक्सलियन से कवनो समझौता नइखे हो पावल आ इटली के पर्यटक आ एगो बीजद विधायक के रिहाई के संजोग नइखे बनत.

सेना प्रमुख से मिलल लिखित शिकायत का बाद सीबीआई उनुका के घूस देबे के कोशिश का मामिला में तफतीश शुरू कर दिहलसि.

देश के सात गो राज्यन से सुप्रीम कोर्ट बुध का दिने कहलसि कि अड़तालीस घंटा का भीतर जवान दाखिले करे लोग कि ओहिजा कवना कवना मुत्यु दण्ड मिलल अपराधौ के दया याचिका पर विचार लटकल बा.

दुनिया

बुध का दिने इंडोनेशिया में आइल भूकंप के तगड़ा झटका से तमिलनाडू, उड़ीसा, बंगाल, बिहार समेत भारत के बड़हन इलाका काँप गइल बाकिर कतहूं से कवनो नुकसान के कवनो खबर नइखे. भारत सुनामी के अनेसा से इंकार कइले बावे. भूकंप रिचर स्केल पर आठ दशमलव सात बतावल गइल बा.

नेपाल के माओवादी विद्रोही अब सेना में ले लिहल जइहें. एह फैसला का बाद अब सुलह समझौता के गुंजाइश बढ़ गइल बा.

बिजनेस

दस लाख रुपिया से अधिका के सालाना आमदनी वाला हर आदमी के अब इलेक्ट्रानिक तरीका से आपन रिटर्न फाइल करावे के जरूरी बना दिहलसि सरकार.

बुध का दिने शेयर बाजार में चौवालिस अंक के मामूली गिरावट दर्ज भइल. रुपिया डॉलर का मुकाबले पाँच पइसा मजबूत हो गइल.

खेल
लंदन ओलम्पिक में भारत के पाँच गो मुक्केबाजन के टिकट मिलल बा. एह में अठारह साल के शिवा अब तक ले के सबले कम उमिर वाला हिन्दुस्तानी मुक्केबाज बन गइलन.

कीरोन पोलार्ड के शानदार बल्लेबाजी आ गेंदबाजी का सहारे मुंबई इंडियंस आईपीएल-पांच के बीसबीसा मैच में राजस्थान रायल्स के 27 रनो से हरा दिहलसि. मुंबई इंडियंस के ई तिसरी जीत हवे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: