web analytics

टटका खबर, शनिचर, 14 अप्रेल 2012

उत्तर प्रदेश

  • आजु अंबेदकर जयंती खातिर जोरदार तइयारी भइल बा. बाकिर अबकी ऊ गरमजोशी ना रही जवन मायावती शासन में रहत रहुवे.
  • माता प्रसाद पाण्डेय के शुक का दिने विधानसभा के अध्यक्ष चुनाए के घोषणा कर दिहल गइल. उनुका खिलाफ केहू परचा दाखिल ना कइल से उनुका के निर्विरोध चुन लिहल गइल.
  • भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सूर्यप्रताप शाही के इस्तीफा सकारत मेरठ के लक्ष्मी कांत बाजपेई के अध्यक्ष बना दिहल गइल बा. शाही के भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के विशेष आमंत्रित सदस्य बना दिहल गइल.
  • अधिकारियन के तबादला शुको का दिने चालू रहल. अखिलेश यादव सरकार करीब सगरी अधिकारियन के फेंटे में लागल बिया.
  • देवरिया के बैतालपुर में नकली डीजल बनावे के एगो अड्डा पर छापामारी डाल के कई टैंकर नकली डीजल पकड़ल गइल.
  • वाराणसी में आजु चौदह अप्रेल के डीएल डबल्यू मजदूर संघ का तरफ से रक्तदान शिविर लगावल जाई. साल २०११ में बनल दत्तात्रेय दत्तोपंत ठेंगड़ी कर्मचारी रक्त सहायता समूह हर साल रक्तदान शिविर लगावेला जवना से जरूरत पड़ला पर रेल कर्मचारियन भा उनुका परिजन के रक्त दिहल जाला.

बिहार

  • मनसे नेता राज ठाकरे शुक का दिने नीतीश कुमार से फोन पर बात कइलन आ कहलन कि उनुका पार्टी के नीतीश के मुंबई दौरा से कवनो विरोध नइखे. ओने महाराष्ट्र सरकार बिहार दिवस कार्यक्रम के पूरा सुरक्षा के इंतजाम करे में लागल बिया.
  • पशुपालन मंत्री गिरिराज सिंह कहलन कि राज्य में खाली पड़ल नौ लाख हेक्टेयर चँवर के जमीन पर मछली पालन करावल जाई.
  • छपरा में शुक का दिने आरएसबीवाई योजना शहरी गरीबनो खातिर शुरु करा दिहल गइल. सगरी राज्य में ई सुविधा दिहल जाई.
  • विपक्ष के नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी कहलन कि कैग रिपोर्ट जवन गड़बड़ घोटाला के आरोप बिहार सरकार पर लगवले बावे तवना के सीबीआई से जाँच करावल जाए.
  • मशरक के अरना के दलित बस्ती में लागल आग से करीन साठ गो घर स्वाहा हो गइल. आग शुक का दिने एक बजे लागल.
  • सारण जिला के प्रखंड प्रमुख पानापुर के प्रखंड प्रमुख के देवर के एगो मुकदमा में फँसावे का खिलाफ पानापुर थाना परिसर में धरना प्रदर्शन कइले.
  • शुक का सबेरे सिवान जिला के पंचरूखी में पोखरेड़ा गाँव का लगे खेत में एगो अधड़ के लाश मिलल जवन सोनबरसा के अमर सिहं के बतावल जात बा.
  • आजु शनिचर का दिने बक्सर के सगरी कोचिंग संस्थान आरा के कोचिग संचालक हरिनारायण सिंह के हत्या का विरोध में बंद रही.

देश

  • भारत आ पाकिस्तान के पहिला एकीकृत चौकी शुक से पंजाब का अटारी सीमा पर खोल दिहल गइल. भारत पाकिस्तान खातिर उदार वीजा नीति बना लिहले बावे आ ओकरा उमेद बा कि पाकिस्तानो जल्दिए अइसने करी. एह चौकी के बनावे में डेढ़ सौ करोड़ रूपिया के खरचा आइल बा.
  • पाकिस्तान शुक का दिने अपना किहाँ बन्द ३३ गो से अधिका कैदियन के आजु भारत के अधिकारियन के सँउप दिहलसि. एहमें एगो कैदी कैंसर से पीड़ित बा.
  • सुप्रीम कोर्ट टू जी स्पेक्ट्रम मामिला में अपना फैसला पर फेरू विचार करे के केन्द्र सरकार के निहोरा सुनवाई खातिर सकार लिहलसि. कोर्ट इहो कहलसि कि निहोरा सुने खातिर सकरला के ई मतलब मत लगावल जाव कि ओह फैसला पर कवनो रोक लगावल बा.
  • भारत अमेरिका से कड़ा विरोध जतवले बा कि न्यूयार्क हवाई अड्डा पर फिल्म अभिनेता शाहरूख खान के काहे रोकल गइल. विदेश मंत्री कहलन कि हर बेर लेखा खाली माफी मँगला से काम नइखे चले वाला. अमेरिका आपन ई आदत छोड़े.
  • भारत, रूस आ चीन के विदेश मंत्रियन का बीच शुक का दिने मॉस्को में महत्त्वपूर्ण इलाकाई आ दुनियावी मामिलन पर रायमशविरा भइल. एह बैठक में भारत के एस एम कृष्णा, रूस के सर्गेई लेवरोफ अउर चीन के यांग जियेची शामिल भइले.
  • विदेश मंत्री एस एम कृष्णा १४ से १६ अप्रैल ले संयुक्त अरब अमीरात के यात्रा पर जइहें.
  • कोलकाता में जादवपुर विश्वविद्यालय के एगो प्रोफेसर आ उनुका पड़ोसी के एगो सोशल नेटवर्किग साइट पर ममता बैनर्जी के अपमानजनक कार्टून प्रसारित करे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाद में प्रोफेसर के अदालत से जमानत मिल गइल.
  • हैदराबाद में सीबीआई के विशेष अदालत सांसद जगनमोहन रेड्डी के नजदीकी विजय साईं रेड्डी के शुक का दिने कुछ शर्त लगा के जमानत दे दिहलसि.

दुनिया

  • सुरक्षा परिषद कहलसि कि सूडान में चलत लड़ाई तुरते बंद कइल जाव.दक्खिन सूडान से कहल गइल बा कि ऊ ओह तेल इलाकन के खाली कर देव जवना के ऊ कब्जिया लिहले बावे.
  • पाकिस्तान के संसद काल्हु सरकार से कहलसि कि अमेरिका से वइसने परमाणु समझौता करावल जाव जइसन अमेरिका भारत से कइले बावे.
  • नेपाल में संविधान रचे क काम २७ मई तकले हो जाये के उमेद जतवलसि नेपाल के कम्यूनिस्ट पार्टी.
  • हंगरी कर्जा खातिर कवनो राजनीतिक दबाव माने से इंकार कर दिहलसि.

बिजनेस

  • शुक का दिने शेयर बाजार में २३८ अंक के गिरावट दर्ज भइल. जबकि डॉलर का मुकाबले रूपिया १८ पइसा मजबूत हो गइल.
  • केन्द्र सरकार सरकारी बैँकन के वित्तीय ओकात मजबूत बनावे खातिर ओहमें पन्द्रह अरब रुपिया के निवेश करी.
  • भारतीय रिजर्व बैंक एक हजार रुपिया के नोट के बंडल अब सिलसिलेवार ना सजाई. हर बंडल में एक सौ नोट रही बाकिर ओकर नंबर उपर नीचे रही. पाँच सौ के अइसन बंडल पिछला साल से जारी होखत बा.
  • अमरीका आ यूरोप जइसन बड़हन बाजारन के खराब हालत का बावजूद भारत पिछला खाता बही साल में तीन खरब अमरीकी डॉलर से अधिका के निर्यात कइलसि.
  • सेबी कहले बिया कि कंपनियन में अब कम से कम पचीस फीसदी पूंजी जनता के होखल चाहीं. कहलसि कि एह मामिला में कवनो रियायत ना दिहल जाई.अबहीं नाहियो त करीब पौने दू सौ अइसन सार्वजनिक कंपनी बाड़ी सँ जवना के पब्लिक शेयर होल्डिग पचीस फीसदी से कम के बा. एह कंपनियन के अगिला साल जून तकले बाजार से सताइस हजार करोड़ रुपिया उठावे के होई.

खेल

  • आईपीएल पाँच के बीसबीसा मैच में शुक का रात कोलकाता नाइट राइडर्स राजस्थान रॉयल्स के पाँच विकेट से हरा दिहलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: