खास खबर
- मुंबई जा के जय महाराष्ट्र बोल अइलन बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार. अपना भाषण का आखिर में मराठी में आभार जतवले.
- बिहार सरकार नया पटना बसाई. एह काम खातिर मशहूर आर्किटेक्ट हफीज कन्ट्रैक्टर के पटना बोलावल गइल जहाँ ऊ सतरह सौ एकड़ में बने वाला बिहार के नया राजधानी नया पटना के योजना के अंतिम रूप दीहें. बिहार फाउण्डेशन के प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत जानकारी दिहलन कि नीतीश कुमार का बिजनेस मीटिंग में हजारो करोड़ के निवेश के उमेद जागल. एह मीटिंग में नीतीश कुमार कहलन कि बिहार सरकार के सलाह देबे खातिर उद्योगपतियन के एगो समिति बनावल जाई जवना के बइठक साल में दू बेर होखल करी. टाटा मोटर्स कहलसि कि ऊ बिहार में चार गो आईटीआई के अंगीकत करे के योजना रखले बिया साथ ही बिहार में मोटर ड्राइविंग स्कूलो खोली. अदानी ग्रुप बिहार में पावर प्रोजेक्ट लगावे के बात कइलसि त एल एंड टी ओ का ओर से निवेश के वादा मिलल. देश के बड़हन हीरा व्यापारी श्रीश्रेयस दोषी बिहार में पाँच सौ करोड़ के निवेश करे के बात कहलन. बिहार फाउन्डेशन मुंबई का तरफ से फतुहा में एगो इंडस्ट्रियल पार्क खोलल जाई.
- आंतरिक सुरक्षा का मुद्दा पर देश भर के मुख्यमंत्रियन के सम्मेलन आजु सोमार के होखे वाला बा. एह सम्मेलन के उद्घाटन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह करीहें. ममता बनर्जी आ जयललिता एह सम्मेलन में नइखी आवत.
- मुसलमान राजनीति का फेर में फँसल मुलायम के आजु शाही इमाम का तरफ से फेर चेतावनी मिलल कि अगर वादा पूरा ना भइल त ऊ हरावलो जानेले. ओने शिया समुदाय के कल्वे सादिक चिट्ठी लिख के मुलायम के याद दिअवले बाड़न कि शिया समुदायो उनुका के ओही तरह वोट दिहले रहुवे त शिया लोग के काहे अनदेखी होखत बा. पसमांदा समाज अलगे माँग कइले बा कि पसमांदा मुसलमानन के पिछड़ा जमात में शामिल कर के पिछड़ा वाला सुविधा दिहल जाव. एह बीच आजम खान कहले बाड़न कि खराब शुरूआत के खराबे नतीजा होखेला. कहलन कि बुखारी के दामाद के टिकट दिहला के कवनो जरूरत ना रहुवे.
- आईपीएल पाँच के बीसबीसा मैच में आजु किंग्स इलेवन पंजाब कोलकाता नाइट राइडर्स के दू रन से हरा दिहलसि. दोसरा मैच में राजस्थान रायल्स रायल चैलेंजर्स बेंगलुरू के ५९ रन से हरा दिहलसि.
उत्तर प्रदेश
- मायावती के धमकी के नजरअंदाज करत यूपी अखिलेश यादव कहलन कि सरकार मायावती का जमाना में बनल पार्क आ स्मारकन में स्कूल आ अस्पताल बनवाई.
- नेपाल सीमा से सटल कटरहवा से वाराणसी ले चार लेन के नेशनल हाईवे बनावे के आ गोरखपुर से गोण्डा ले छोटकी रेल लाइन के बड़की रेल लाइन में बदले के योजना के केन्द्र सरकार मंजूरी दिहलसि.
- मायावती कहली कि उनुका सपा सरकार से अपना जान के खतरा बा. ऊ आगरा में डा॰ अंबेडकर जयंती समारोह में बोलत रहली. कहली कि अगर सपा सरकार के पार्क में स्कूल कॉलेज खोले के बहुते शौक बा त ऊ लोहिया पार्क में खोल लेव.
बिहार
- राज्य के नगर निकायन खातिर चुनाव प्रक्रिया आजु परचा दाखिल करे से शूरू होखी. वोट सोलह मई के करावल जाई. बेगूसराय, पुर्णिया आ कटिहार नगर निगम के चुनाव अबहीं ना होखी. एह चुनाव में आधा सीट औरतन खातिर सुरक्षित राखल गइल बा. ई चुनाव गैर दलीय आधार पर करावल जाई.
- गोपालगंज के बैकुंठपुर इलाका के फैजुलापुर गाँव का नियरा गंडक नदी में एगो नाव पलटला से एक आदमी डूब गइल जबकि सात लोग अबहियो नपाता बा. गोताखोर नपाता लोग के खोजे में लागल बाड़े.
- सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सिल्होरी गाँव से नपाता औरत के लाश लेरूआ गाँव में एगो इनार से बरामद भइल बा.
- सासाराम आरा रोड पर अगरेरा का लगे एगो सड़क दुर्घटना में तीन गो मोटरसाइकिल सवारन के मौत हो गइल.
- सिवान के गोरेयाकोठी इलाका से पाँच गो वाहन चोर पकड़ाइल बाड़े सँ. ओकनी का लगे से पाँच गो मोटरसाइकिल आ असलहा बरामद भइल बा.
देश
- दिल्ली में नया बनल तीनो नगर निगमन के चुनाव अतवार का दिने शांति से हो गइल. एह में अठावन फीसदी मतदान के खबर बा. वोट सतरह अप्रेल के गिनल जाई आ ओही दिन पता चली कि के जीतल, कांग्रेस की भाजपा ?
- महाराष्ट्रो में अतवार का दिने मालेगांव, भिवंडी-निजामपुर, लातुर, चंद्रपुर आ परभणी नगर निगमन खातिर मतदान करावल गइल. ओहिजा आजु वोट गिनल जाई.
दुनिया
- अफगानिस्तान में अतवार का उपरि बेरा राजधानी काबुल में आतंकवादी हमला कर दिहले. एह इलाका में कई देशन के दूतावास बा. भारत के दूतावास के लोग सुरक्षित बतावल गइल बा. हमला का निशाना पर उपराष्ट्रपति आवास रहल. एह हमला के जिम्मेदारी तालिबान सकरले बा.
- पाकिस्तान का बन्नू जेल पर अतवार का दिने आतंकवादी हमला कर के ३८१ गो कैदियन के भगा ले गइले. एहमें से बाइस गो के मौत के सजा सुनावल रहे.
- भारत के एगो संसदीय प्रतिनिधिमंडल श्रीलंका में युद्ध प्रभावित तमिल नागरिकों के पुनर्वास आ राजनीतिक प्रक्रिया क जायजा लेबे छह दिन के यात्रा पर आजु सोमार के श्रीलंका जाई. एह प्रतिनिधिमंडल में डीएमके शामिल नइखे भइल.
बिजनेस
- अतवार के अधरतिया से हवाई जहाज ईंधन के दाम में १७० रूपिया प्रति किलोलीटर के कमी हो गइल.
- रिजर्व बैंक गवर्नर चिंता जतवले बाड़न कि देश के घाटा बढ़ल जात बा छोट अवधि के करजा मँहग होखल जात बा. बाकिर देश के हालात साल १९९१ जस नइखे भइल.
खेल
- असम सरकार ओलंपिक खातिर चुनाइल मुक्केबाज शिवा थापा के दस लाख रूपिया इनाम देबे के घोषणा कइलसि. अठारह साल के शिवा थापा के अतवार का दिने असम चहुंपला पर जोरदार स्वागत भइल.
- आस्ट्रेलिया के तैराक मुरे रोज के अतवार का दिने कैंसर से तिहत्तर साल का उमिर में निधन हो गइल.