web analytics

टटका खबर, शुक, 20 अप्रेल 2012

उत्तर प्रदेश

  • विधान परिषद के तेरह सीट के चुनाव में सगरी उम्मीदवार निर्विरोध जीत गइलन काहे कि तेरहे गो उमीदवार परचा दाखिल कइले रहले आ तेरहो के परचा सही मिलल. एह विजयी उम्मीदवारन में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, अंबिका चौधरी, उमर खान, राजेन्द्र चौधरी, मधु गुप्ता, रामसकल गुर्जर, नरेश चन्द्र उत्तम आ विजय यादव समाजवादी पार्टी के, सुनील कुमार, विजय प्रताप आ ठाकुर जयवीर सिंह बसपा के, महेन्द्र सिंह भाजपा के आ चौधरी मुश्ताक अहमद रालोद के हउवें.
  • बुध का दिने मऊ में भइल अपराधी पुलिस मुठभेड़ में मऊ के शहर कोतवाल गोविन्द सिंह आ एगो नागरिक मारल गइले. भागत अपराधी जवना मकान में लुकाइल रहले ओह मकान के मालिक के गोली मार दिहले. राज्य सरकार का तरफ से कोतवाल खातिर दस लाख आ मकान मालिक खातिर दू लाख के मुआविजा देबे के घोषणा भइल बा. एह मुठभेड़ में दु गो अपराधियो मारल गइले. ओकनी के नाम धीरज सिंह आ विकास सिंह रहुवे.
  • बलिया के दोकटी इलाका के जगदीशपुर गाँव के भाई बहिन गंगा में नहात घरी डूब गइले. दुनु बच्चा में से एगो के लाश मिल गइल बा जबकि दुसरका के लाश खोजल जात बा.
  • एनआरएचएम घोटाला में गाजियाबाद के सीबीआई विशेष अदालत तब परिवार कल्याण महानिदेशक रहल एस पी राम के जमानत अरजी खारिज कर दिहलस. हालांकि राज्य औद्योगिक विकास निगम के प्रबंध निदेशक अभय कुमार बाजपेई के जमानत दे दिहल गइल.

बिहार

  • विधान परिषद के एगारह सीट के मतदान में एगारहो उम्मीदवार निर्विरोध चुन लिहल गइले. एहमें जदयू से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, नरेन्द्र सिंह, भीम सिंह, रामाश्रय प्रसाद सिंह, संजय सिंह आ उपेन्द्र प्रसाद, भाजपा से सुशील कुमार मोदी, मंगल पांडेय, लालबाबू प्रसाद आ सत्येन्द्र नारायण कुशवाहा आ राजद से राबड़ी देवी के नाम शामिल बा.
  • सारण जिला के दरियापुर इलाका से बियफे का दिने दू गो नक्सलियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकनी का लगे से गैरकानूनी असलहो बरामद भइल बा.

देश

  • ह त अन्तर्महाद्वीपीय मिसाइल बाकिर कुछ रणनीतिक कारण से भारत अपना अग्नि ५ मिसाइल के लमहर दूरी ले मार करे वाला मिसाइल कहत बा. बियफे का दिन सबेरे ओडिशा समुद्र तट का लगे ह्विलर द्वीप से एह मिसाइल के सफल परीक्षण कइल गइल. परमाणु हथियार ढोवे में सक्षम एह मिसाइल के आसानी से एक जगह से दोसरा जगह ले जाइल जा सकेला.
  • नागपुर में स्टेट बैंक के तीन गो अधिकारियन के प्रवासी भारतीयन का खाता से करीब डेढ़ करोड़ रुपिया गलत तरीका से निकाले का आरोप में सीबीआई गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • सेना के टाट्रा ट्रक सप्लाई घोटाला में बियफे का दिने सीबीआई सरकारी कंपनी भारत अर्थ मूवर्स लिमिटेड के अध्यक्ष वी आर एस नटराजन के घर समेत कई जगहा छापा मरलसि आ कुछ दस्तावेज बरामद कइलसि. छापा बैंगलौर आ कोयंबटूर में पड़ल.
  • आखिरकार भाजपा झारखंड से राज्यसभा के सीट खातिर एस एस अहलूवालिया के आपन उम्मीदवार घोषित कर दिहलसि. झामुमो पहिलही संजीव कुमार के आपन उम्मीदवार बना चुकल बा. अब चुनाव मजेदार हो जाई काहे कि जीते वाला के कम से कम २७ गो वोट मिलल जरूरी बा आ अगर पार्टी फनउवल ना होखे त एहमें से एके आदमी जीत सकेला.
  • बीएसएनएल अपना ब्राडबैंड के स्पीड बढ़वलसि.

दुनिया

  • पिछला दिने अफगानिस्तान में पचीस गो उग्रवादी मारल गइल बाड़ै आ नौ गो घवाहिल भइल बाड़े. एकनी का लगे से बहुते हथियार विस्फोटक वगैरह बरामद भइल बा.
  • इराक में छह जगहा भइल गोलीबारी आ बम विस्फोट से नाहियो त ३७ जने मरा गइले आ डेढ़ सौ लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • यूरोपियन संघ म्यामार पर लगावल प्रतिबंध एक साल खातिर उठा लिही. उमेद बा कि सोमार का दिने एकर बाकायदा एलान कर दिहल जाई.
  • उत्तर कोरिया अपना जिद्द पर अड़ल बा कि ऊ आपन उपग्रह प्रक्षेपित कर के रही. ओने जापानो कहले बावे कि ओह उपग्रह के मार गिराई.

बिजनेस

  • देश का निर्यात एह साल २०११-१२ में पिछला साल का मुकाबले २१ फीसदी बेसी रहल आ तीन सौ तीस अरब डालर से अधिका के रहे. हालांकि आयात में ३२ फीसदी बढ़ोतरी होखला का चलते व्यापार अंसतुलन १९५ अरब डालर हो गइल.
  • मुंबई शेयर बाजार में बियफे का दिने सूचकांक में १११ अंक के बढ़ोतरी देखे के मिलल. डॉलर रुपिया का मुकाबिले ३७ पइसा कमजोर होके प्रति डालर ५२ रुपिया १५ पइसा हो गइल.

खेल

  • आईपीएल पाँच के बीसबीसा मैच में बियफे का दिने दिल्ली के फिरोजशाह कोटला मैदान पर डेल्ही डेयर डेविल्स डेक्कन चार्जर्स के पांच विकेट से हरा दिहलसि.
  • चीन में होखत एशियाई बैडमिंटन चैंपियनशिप से भारतीय चुनौती खतम हो गइल. सायना नेहवाल दूसरा दौर में, साई प्रणीत प्री क्वार्टर फाइनल में हार गइले. डबल्स खेलो में भारत के खिलाड़ी हार गइले.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: