Archives for May 2012
मुजफ्फरपुर से सांसद कैप्टन जयनारायण निषाद राष्ट्रपति चुनाव लड़े के घोषणा कइले बाड़न. उनुकर कहना बा कि आजु ले कवनो अति पिछड़ा के राष्ट्रपति नइखे बनावल गइल. निषाद अपना खातिर समर्थन जुटावे बदे सगरी सांसद आ विधायकन के चिट्ठी भेजले बाड़न. हालांकि अबही ले उनुका अपना खातिर प्रस्तावको नइखे भेंटात. पार्टी के समर्थन मिले के
बिहार के निकाय चुनाव के मतगणना काल्हु शनिचर का दिने पर्याप्त सुरक्षा व्यवस्था का बीच हो गइल. हालांकि कुछेक जगहा मतगणना में धांधली के शिकायत करत कुछ लोग हंगामो कइल बाकिर कतहीं हालात बेकाबू ना भइल.
यूपी के मुख्यमंत्री रहल मायावती काल्हु अपना पत्रकार सम्मेलन में अखिलेश यादव सरकार पर हमला बोलत कहली कि हम त कहलें रही कि साल भर का भितरे लोग के अहसास हो जाई कि गलती हो गइल सपा सरकार ले आ के. बाकिर हालात अतना खराब बा कि दुइये महीना में लोग मानल शुरु कर दिहल
शनिचर के भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स पूणे वैरियर्स के चौंतीस रन से हरा दिहलसि. एह जीत का बाद कोलकाता के टीम अंक तालिका में दुसरा जगहा पर जम गइल बिया जहाँ से अब ओकरा के हटावल ना जा सके.
बिहार में ग्रामीण सड़कन के जाल बिछावे खातिर केन्द्र सरकार अढ़ाई हजार करोड़ रुपिया देबे के मंजूरी दिहले बिया. एह से पहिले सात गो नक्सल प्रभावित जिलन खातिर नौ सो पंद्रह करोड़ रुपिया पिछला साल दिहले रहुवे. एह मंजूरी का बाद राज्य आ केंद्र का बीच चलत खटपट खतम हो गइल बा. एह राशि से
बहराइच के चिलवरिया चीनी मिल का सोझा खाड़ एगो ट्रक से एगो बस टकरा गइल. बस अंबेदकर नगर के किछौछा शरीफ से जायरीन के लेके दरगाह शरीफ जात रहुवे. दुर्घटना का बाद बस में आग लाग गइल जवना चलते पंद्रह जने के मौत हो गइल. सरकार मृतकन के परिवार के एक एक लाख आ घवाहिलन
पश्चिमी चंपारण के गौनाहा प्रखंड के डरोल, बेलसंडी, माधेपुर आ भटियारी पंचायतन के पंचायत सचिव रहल तीन जने पर लाखों रुपिया के गबन के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. मुकदमा जिला प्रशासन दर्ज करवले बा.
चोरी का आरोप में जेल में बंद रामावतार बैठा के मौत हो गइल. ऊ पिछला डेढ़ महीना से चोरी का आरोप में जेल में बन्द रहुवे आ अबहीं ओकर मामिला विचाराधीन रहुवे.
आध्यात्मिक गुरू बाबा जय गुरुदेव के निधन शुक का रात पौने दस बजे एक सौ सोलह साल का उमिर में मथुरा के उनुका आश्रम में हो गइल. बाबा के अंतिम संस्कार सोमार का दिने कइल जाई. एकर विधि क बारे में फैसला प्रबंध समिति करी. आजु अतवार क दिने प्रबंध समिति के बइठक में बाबा
बिहार के सात गो नगर निगम, बत्तीस गो नगर परिषद आ सड़सठ गो नगर पंचायत में भइल चुनाव के मतगणना आजु होखे वाला बा. हर मतगणना केन्द्र पर चुनाव आयोग के निरीक्षक मौजूद रहीहें आ पूरा मतगणना प्रक्रिया के वीडियोग्राफी करावल जाई.
केन्द्र सरकार अपना जिद्द पर अड़ल बिया आ काल्हु राज्यसभा में केन्द्रीय मानव संसाधन राज्य मंत्री बतवलन कि केन्द्रीय विश्वविद्यालय गया के पंचनपुर में स्थापित कइल जाई. कहलन कि स्थल चयन समिति मोतिहारी के एह लायक ना पवलस काहे कि ९हिजा जरूरी सामाजिक आ भौतिक सुविधा के कमी बा, पंचनपुर के जमीन रक्षा मंत्रालय के
बियफे का दिने निकलल आईआईटी जेईई के परीक्षाफल में दिल्ली के अर्पित अग्रवाल पहिला जगहा आइल बाड़े, पटना के मशहूर सुपर थर्टी के तीस गो में से सताइस गो छात्र एह प्रतियोगिता में सफल निकलल बाड़े.
झारखंड से राज्य सभा चुनाव में विधायकन के खरीद फरोख्त के मामिला सामने आइल रहे जवना का बाद चुनाव टार दिहल गइल रहे आ बाद में करावल गइल रहे. एह सिलसिला में बियफे का दिने बिहार, झारखंड आ पश्चिम बंगाल के पैंतीस जगहन पर सीबीआई छापा मरलसि. एह जगहन में कांग्रेस, झामुमो, झाविमो, अझास्टूडेंट यूनियन,
यूपी एह घरी बिजली के भयंकर संकट झेलत बा. भयंकर गरमी का चलते बिजली के माँग बहुते बढ़ि गइल बा जवना से तीन से चार हजार मेगावाट बिजली कम पड़ जात बा. अबहीं बमुश्किल से छह हजार मेगावाट बिजली मिलत बा राज्य के जवना वलते जगहे जगहे बिजली के भयंकर कटौती कइल जा रहल बा.
बलिया के मौजूदा एसपी लव कुमार के तबादला रायबरेली कर दिहल गइल आ चित्रकूट के एस पी ओंकार सिंह के बलिया के एसपी बना दिहल गइल. जब से सपा सरकार आइल बिया तब से अधिकारियन के तबादला के सिलसिला चालू बा आ पता ना कब ले चालू रही.
वानखेडे स्टेडियम में शाहरूख खान के घुसे पर लगावल पाँच साल के रोक का खिलाफ राजनीतिक दल आपन आपन गोटी सेंकें लागल बाड़न. लालू प्रसाद आ ममता बनर्जी एह मुद्दा पर शाहरुख के तरफदारी करत एह पर फेर से सोचे के कहले बा लोग.
बियफे का दिने लोकसभा में एगो ध्यानाकर्षण प्रस्ताव पर गृह मंत्री पी चिदंबरम भोजपुरी में कहलन कि “हम रउआ सभे के भावना समुझत बानी” आ आश्वासन दिहलन कि एह मामिला में एगो बिल संसद के मानसून सत्र में ले आवल जाई. भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर भोजपुरी के अनेके संगठन
आजु बियफे का दिने बिहार के दू हजार पांच सौ वार्ड के चुनाव करावल जा रहल बा. हर बूथ पर सशस्त्र पुलिस बल मौजूद रही. वोट सबेरे सात बजे से उपरी बेरा चार बजे ले डालल जा सकी. मत गणना अनइस मई के करावल जाई आ ओही दिने पूरा परिणाम मिल जाई. एह चुनाव में
मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मायावती सरकार का शासन काल में चार हजार करोड़ के घोटाला के बात का कह दिहलें कि बसपा छनछना गइल बिया. बुध का दिने बसपा का तरफ से सफाई दिहल गइल कि एनआरएचएम घोटाला में मायावती के कवनो हाथ ना रहल. ऊ कवनो कागजात पर ना त दस्तखत कइले बाड़ी ना ओकर
मुंबई मे बुध का रात भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स मुबई इंडियंस टीम के बत्तीस रन से हरा दिहलसि. एह जीत से कोलकाता टीम के प्लेआफ में पहँचल करीब करीब पक्का हो गइल बा. अबहीं ले के अंक तालिका में चौदह मैच से बीस अंक ले के दिल्ली के टीम सबले उपर
Older Posts››