बतिया पंचे के रही खूँटवा रहिए पर रही

एअर इंडिया के हड़ताली पायलट लोग चाहत बा कि प्रबन्धन ओह लोग के बर्खास्तगी के आदेश वापिस ले लेव बाकिर ऊ लोग काम पर आवे के कवनो इच्छा नइखन जतावत. ओने सरकार चाहत बिया कि पहिले पायलट लोग आपन हड़ताल तूड़े ओकरा बादे बात विचार कइल जा सकी.