बीसबीसा में किंग्स इलेवन पंजाब चार विकेट से जीतल
May 14, 2012
अतवार का दिने मोहाली में भइल आईपीएल बीसबीसा टूर्नामेट में किंग्स इलेवन पंजाब के डेविड हसे नाबाद पै्सठ रन आ गुरकीरत सिहं के नाबाद उनतीस रन का बदौलत चार विकेट से डेक्कन चार्जर्स के हरा दिहलसि. गुरकीरत 241.66 के स्ट्राइक रेट से बारह गेंद पर एगो छक्का आ चार गो चउका समेत उनतीस रन बनवलन.
सोमार का दिने बंगलुरू में मुंबई इंडियंस के मैच रायल चैलेंजर्स बैंगलुरू से आ कोलकाता में चेन्नई सुपर किंग्स के मैच कोलकाता नाइट राइडर्स से होखी.