सोमार का दिने लगातार पंचवो दिने शेयर बाजार में बिकवाली के दबाव बनल रहल. रुपियो का दाम में गिरावट के दौर बनल रहला से एक एक डॉलर के दाम 53.96 रुपिया हो गइल. रुपिया के गिरावट से परेशान सरकार के आर्थिक सलाहकार सी रंगराजन कहलन कि एह गिरावट के रोके खातिर विदेशी मुद्रा के आरक्षित भंडार के इस्तेमाल करे क चाहीं.
एशिया आ युरोपो का शेयर बाजार में सोमार का दिने बिकवाली के दबाव देखे के मिलल.