दस पाँच लड़िका एक संतोष गदहा मरलें कवनो ना दोष
May 17, 2012
मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मायावती सरकार का शासन काल में चार हजार करोड़ के घोटाला के बात का कह दिहलें कि बसपा छनछना गइल बिया. बुध का दिने बसपा का तरफ से सफाई दिहल गइल कि एनआरएचएम घोटाला में मायावती के कवनो हाथ ना रहल. ऊ कवनो कागजात पर ना त दस्तखत कइले बाड़ी ना ओकर कवनो जरूरत रहल.
ओने सपा सरकार ओह दौर के घोटाला से जुड़ल सगरी कागजात मुहैया करवले जात बिया आ मायावती पर गिरफ्तारी के तलवार लटकल बुझात बा.