Go to ...
RSS Feed

Archives for May 2012

जया बच्चन राज्यसभा टीवी से नाराज बाड़ी

आम तौर पर सांसद आ कलाकार कैमरा के सोझा रहला पर खुश होलें बाकिर जया बच्चन नाराज हो गइल बाड़ी. उनुका शिकायत बा कि मंगल का दिने जब रेखा गणेशन शपथ लेत रहली त टीवी के कैमरा पता ना कवना कारण से उनुका पर केन्द्रित रहल. उनुका पर एह मौका पर खास तौर पर फोकस

हार के जिम्मेदारी अकेले शाही के कइसे दिहल जाई

भाजपा नेता राजनाथ सिंह बुध का दिने कहलन कि प्रदेश चुनाव में भाजपा के हार के जिम्मेदार सभे रहल आ केहू एक आदमी के एकर दोषी बनावल भा बतावल ना जा सके. कहलन कि प्रदेश अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही के हटवला के सजा मत समुझल जाव. एह तरह के फेर बदल हर राजनीतिक दल में

साइकिल के पइसा ना मिलला पर दिघवारा में सड़क जाम

मुख्यमंत्री साइकिल योजना के धन ना मिलला का चलते नाराज छात्र दिघवारा का लगे छपर पटना सड़क जाम कर दिहलें. कई घंटा बाद केहू तरह समुझा बुझा के जाम हटावल गइल.

जौनपुर नगर के पूर्व विधायक के निधन

साल १९९१ में जनता दल के टिकट पर जौनपुर नगर के विधायक रह चुकल लालचंद मौर्य के निधन पैंसठ साल का उमिर में जौनपुर जिला अस्पताल में मंगल का दिने हो गइल. उनकर अंतिम संस्कार बुध का भोर में गोमती नदी के रामघाट पर नागरिक सम्मान का साथे कर दिहल जइल.

शेयर बाजार में बिकवाली तेज रहल

बुध का दिने मुंबई शेयर बाजार में फेर बिकवाली के गिरावट देखे के मिलल आ सूचकांक २९८ अंक ढिमला के १६०३० पर बंद भइल रूपियो ७१ पइसा कमजोर हो के अबही ले के सबले खराब रिकार्ड बना लिहलसि. एह गिरावट का साथे सोना आ चाँदीओ का दाम में गिरावट देखे के मिलल.

सोनिया के पुतला जरावे वाला के एक महीना जेल

झारखंड विधानसभा के अध्यक्ष सी पी सिंह के साल २००५ के एगो मामिला में एक महीना जेल के सजा सुनावल गइल बा. तब गोवा के भाजपा सरकार के बर्खास्तगी का खिलाफ भइल प्रदर्शन में सीपी सिंह सोनिया गाँधी के पुतला जरवले रहलें. सजा सुनला का बाद विधानसभा अध्यक्ष के कहना रहल कि ऊ एह आदेश

एनडी तिवारी के आपन खून के नमूना देही के पड़ी

दिल्ली उच्च न्यायालय आदेश दिहले बिया कि अगर दू दिन का भीतर नारायण दत्त तिवारी अपना खून के सैम्पल नइखन दे देत त पुलिस के मदद लेके उनुकर सैम्पल लिहल जाई. रोहित शेखर के दावा बा कि नारायण दत्त उनुकर नाजायज बाप हउवन आ एकरे के साबित करे खातिर ऊ चाहत बाड़न कि नारायण दत्त

पिछला सरकार घोटालन के सरकार रहल

मंगल का दिने हज यात्रियन के लॉटरी निकाले का मौका पर उत्तरप्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि पिछला सरकार घोटालन के सरकार रहल आ ओहमें नाहियो त चालीस हजार करोड़ के घोटाला भइल बा. कहलन कि गँवे गँवे एह घोटालन के परत उघड़े लागल बा आ जल्दिए कुछ अउरी घोटाला सामने आ सकेला. अखिलेश

आईपीएल बीसबीसा में दिल्ली डेयरडेविल्स के जीत

मंगल का दिने भइल बीसबीसा मैच में दिल्ली डेयर डेविल्स किंग्स इलेवन पंजाब के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. एकरा साथ ही दिल्ली डेयर डेविल्स आईपीएल पाँच के प्लेआफ दौर में चहुँपे वाला पहिला टीम बन गइल. दिल्ली के जीत में महेला जयवर्धन के नाबाद पचासा के बड़हन योगदान रहल.

पाँच गो क्रिकेटरन के ससपेंड कर दिहलसि बोर्ड

एगो निजी टीवी चैनल के स्टिंग आपरेशन में फँसल पाँच गो नवही क्रिकेटर अपना लालच का चलते आपन कैरियर खराब करे का मोड़ पर आ गइल बाड़न. भल मुअनी भल पिलुआ पड़ल वाला अंदाज में अबहींए त एह लोग के कैरियर के शुरूआत भइल रहुवे कि स्टिंग में मुँहे करीखा लगा लिहल लोग. एह खिलाड़ियन

पांच दिन बाद शेयर बाजार के उछले के मौका मिलल

मंगल का दिने मुंबई शेयर बाजार पिछला पाँच सत्र के गिरावट के दौर से उबरत ११२ अंक के छलांग लगवलसि. वइसे एकरा के तकनीकि सुधारो कहल जा सकेला जवन अगिला गिरावट के संकेतो हो सकेला. मंगल का दिने रुपिया में सतरह पइसा के मजबूती देखे के मिलल जबकि सोना आ चाँदी के दाम में गिरावट

इन आँखो की मस्ती के दिवाने हजारों हैं

पिछला तीसन साल से बालीवुड के क्रेज रहल रेखा मंगल का दिने राज्यसभा के सदस्यता के शपथ लेबे चहुँपली त उनुका के देखेवालन के भीड़ लाग गइल. एह भीड़ में संसद के सुरक्षा कर्मी, मीडिया के लोग आ कुछ सांसदो रहलें. रेखा के सरकार राज्यसभा के सदस्य मनोनीत कइले रहे जवना के राष्ट्रपति से मंजूरी

हावडा दिल्ली पूर्वा एक्सप्रेस के ठहराव अब जंघई टीसन पर

हावड़ा आ दिल्ली का बीच चले वाली पूर्वा एक्सप्रेस बुध सोलह मई का दिन से जौनपुर के जंघई टीसन पर रुकल करी. अगिला छह महीना ले एकर ई ठहराव दिहल गइल बा आ अगर एह से रेलवे के सवारी मिलले त ई ठहराव आगहू जारी रह सकेला.

दीघा रेल पुल के बारह आना काम पूरा भइल

पटना में दीघा का लगे गंगा नदी पर बनत रेल पुल के बारह आना काम पूरा हो गइल बा बाकिर बाकी चार आना काम कबले पूरा होखी ई बतावे खातिर रेलवे अबही तइयार नइखे. साल २००२ में राजग शासन में तब के प्रधानमंत्री अटल बिहारी बाजपेयी एह रेल पुल के शिलान्यास कइले रहलें. बाद में

छात्रसंघ चुनाव में वोटिंग मशीन

राजनीति सीखे वाला छात्र नेता लोग के चुनाव अब असली राजनेता जइसन करावे के इंतजाम मे लागल बावे लखनऊ विश्वविद्यालय. पहिला बेर छात्र संघ चुनाव में एह मशीनन के इस्तेमाल होखे वाला बा लखनऊ विश्वविद्यालय में. पिछला पाँच साल ले लागल रोक का बाद अब लिंगदोह कमिटी का सिफारिश क आधार पर छात्र संघ चुनाव

साल 2021 ले मेडिकल के सीट दुगुना हो जाई

देश में डाक्टरन के कमी देखत केन्द्र सरकार मेडिकल कोर्स में सीट दुगुना करे के योजना बनवले बिया. सरकार के लक्ष्य बा कि साल 2021 ले एमबीबीएस के सीट 80 हजार आ पीजी मेडिकल के सीट 45 हजार कर दिहल जाव. सरकार चाहत बिया कि हर दू हजार का आबादी पर एगो डाक्टर के अनुपात

मुंबई आ चेन्नई के जीत, बैंगलुरू कोलकाता के हार

आईपीएल के बीसबीसा मैच में सोमार का दिने बैंगलुरू में खेलल मैच में मुंबई इंडियंस बैंगलुरू रॉयल चैलेंजर्स के एगो शानदार मैच में पाँच विकेट से हरा दिहलसि. रायल चैलेंजर्स छ विकेट का नुकसान पर 171 रन बनवले रहलें जवना के जवाब में मुंबई इंडियंस दू गेंद बाकी रहते पाँच विकेट का नुकसान पर 173

शेयर के बिकवाली आ रुपिया के दाम में गिरावट चालू रहल

सोमार का दिने लगातार पंचवो दिने शेयर बाजार में बिकवाली के दबाव बनल रहल. रुपियो का दाम में गिरावट के दौर बनल रहला से एक एक डॉलर के दाम 53.96 रुपिया हो गइल. रुपिया के गिरावट से परेशान सरकार के आर्थिक सलाहकार सी रंगराजन कहलन कि एह गिरावट के रोके खातिर विदेशी मुद्रा के आरक्षित

नेपाल में हवाई जहाज गिरला से तेरह गो हिन्दुस्तानी के मौत

नेपाल में सोमार का भिनसहरा में एगो विमान जॉमसॉम पर उतरे वाला रहुवे बाकिर कम रोशनी का चलते विमान के वापिस पोखरा लवटे के कहल गइल. एह लवटे का दौरान हवाई जहाज दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ ओह पर सवार पन्दरह लोग के जान चल गइल. एहमें पन्द्रह लोग भारत के रहुवे जे मु्क्तिनाथ मंदिर में

बीसबीसा में किंग्स इलेवन पंजाब चार विकेट से जीतल

अतवार का दिने मोहाली में भइल आईपीएल बीसबीसा टूर्नामेट में किंग्स इलेवन पंजाब के डेविड हसे नाबाद पै्सठ रन आ गुरकीरत सिहं के नाबाद उनतीस रन का बदौलत चार विकेट से डेक्कन चार्जर्स के हरा दिहलसि. गुरकीरत 241.66 के स्ट्राइक रेट से बारह गेंद पर एगो छक्का आ चार गो चउका समेत उनतीस रन बनवलन.

Older Posts›› ‹‹Newer Posts