Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

Archives for June 2012

पहली जुलाई से महँगाई के नया दौर

जनता से एह हाथे ना त ओह हाथे वाल अन्दाज में टैक्स बिटोरे का कोशिश में सरकार ३८ गो अपवाद छोड़ सगरी तरह के “सेवा” पर सर्विस टैक्स लगा दिहले बिया जवना के वसूली पहली जुलाई से शुरू हो जाई. अपवादन में डॉक्टर, वकील, स्कूल, कालेज, जुआघर, लॉटरी, भाड़ा वाली टैक्सी, ट्रक बस वगैरह शामिल

नगर निकाय चुनाव के तीसरा दौर के मतदान अतवार का दिने

अतवार १ जुलाई का दिने राज्य के एक सौ छियालिस नगर निकायन के चुनाव करावल जाई. चुनाव के ई तिसरका दौर ह. एहसे पहिले के दू दौर के चुनाव शांति से करावल जा चुकल बा. एह दीर के वुनाव बीच जिला में करावल जाई.

विद्यार्थियन खातिर लैपटॉप आ टेबलेट

यूपी सरकार फैसला लिहले बिया कि एह साल मैट्रिक भा इंटर पास कर के अगिला क्लास में दाखिला लेबे वाला विद्यार्थियन के सरकार का तरफ से मुफ्त टैबलेट भा लैपटॉप दिहल जाई. साथही मान्यता वाला आईआईटी आ पॉलीटेक्निक के विद्यार्थियनो के टैबलेट दिहल जाई. एकर वितरण हर तहसील का स्तर पर कइल जाई.

प्राइमरी शिक्षकन के तीन साल के बकाया बोनस एह साल

प्राइमरी शिक्षकन के मिले वाला बोनस यूपी के शिक्षकन के पिछला तीन साल से नइखे मिलल. अब उमेद जतावल जात बा कि चुनाव आचार संहिता हटला का बाद ई बोनस मिल सकेला बशर्ते विभाग के सरकार ३९ अरब रुपिया दे देव. एह बोनस से हर शिक्षक के तीस से चालीस हजार तक रुपिया भेंटाए के

रामजयपाल सिंह कॉलेज का प्रिन्सिपल पर अवैध निकासी के आरोप

रामजयपाल सिंह कॉलेज के प्राचार्य पर आरोप लगावल गइल बा कि ऊ कॉलेज का खाता से छात्रवृति के साढ़े नौ लाख रुपिया गलत तरीका से निकाल के दोसरा बैंक में जमा कर दिहले बाड़ें. एह मामिला के जाँच के आदेश जिलाधिकारी के दिहल गइल बा.

दरौली के पीपा पुल टूटल

पिछला बियफे का रात सरयू नदी में पानी बढ़ला का चलते दरौली के पीपा पुल टूट गइल जवना का बाद सिवान आ बलिया के अनेके गाँवन के जोड़े के राह टूट गइल बा. अब लोग के नाव से नदी पार करे के पड़त बा. नाव वाला मनमाना किराया वसूलत बाड़े सँ.

अश्लील गाना के केस में टी सीरिज के दर्शन कुमार का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट

आरा के एगो अदालत में दायर मुकदमा में हाजिर ना भइला का बाद अदालत टी सीरिज के निर्माता दर्शन कुमार समेत तेरह लोग का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कर दिहले बिया. बाबू बाजार के रहे वाला आ भोजपुरिया सेना के राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभात कुमार सिंह अदालत में मुकदमा दायर करवले बाड़न जवना खातिर ओह लोग

बलिया में कवनो तरह के चिकित्सा शिविर लगावे पर रोक

बलिया जिला अस्पताल के नोडल अधिकारी डा.पीके सिंह के कहना बा कि जिला में कतहीं कवनो पैथी के कवनो तरह के शिविर लगावल गैरकानूनी बावे जबले ओकरा खातिर पहिले से अनुमति नइखे लिहल. उनकर ककहना बा कि अकसरहाँ एह तरह के शिविरन में फर्जी पद्धतियन का नाम पर फर्जी दवाई बाँटल जाले जवना के गुणवत्ता

बलिया में कुख्यात अपराधी धनजी कुंवर गिरफ्तार

दू दिन पहिले एसओजी टीम आ बैरिया पुलिस मिल के कुख्यात इनामी अपराधी धनजी कुंवर के नौरंगा दियर से गिरफ्तार कर लिहलसि बाकिर ओकर दू गो संहतिया भाग निकललन सँ. धनजी कुँवर पर बलिया का अलावे ओडिशो में कई गो मुकदमा दर्ज बा.

पेट्रोल के दाम फेरू घटावल गइल

बियफे आ शुक के बीच रात से पेट्रोल के दाम में करीब दू रुपिया प्रति लीटर के कटौती कर दिहल गइल. एह महीना में ई दुसरकी कटौती भइल बा. एह कटौती के आलोचना करत ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि राष्ट्रपति चुनाव का चलते ई कटौती कइल गइल बा आ चुनाव का बाद फेरू दाम बढ़ा

Older Posts››