रणवीर सेना के प्रमुख रह चुकल आ नौ साल बाद जेल से रिहा हो के अप्रेल में बाहर आइल ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या का बाद उनुकर समर्थक खिसिया गइलें आ आरा समेत कई जगहा तोड़ फोड़ आ आगजनी कइलें. मुखिया के हत्या के सगरी राजनीतिक दल नि्दा कइले बाड़न आ भाजपा के सीपी ठाकुर समेत अनेक नेता एह मामिला के सीबीआई जाँच करावे के माग कइले बाड़न.
हत्या का बाद उपजल हालात पर काबू पावे खातिर आरा शहर में निषेधाज्ञा लगा दिहल गइल आ पूरा राज्य में अलर्ट जारी कर दिहल गइल बा.