web analytics

परचा लीक करे का आरोप में चौदह जने गिरफ्तार

मुम्बई पुलिस पिछला महीना मुम्बई विश्वविद्यालय के दू गो इंजीनियरिंग परीक्षा के परचा लीक करे का आरोप में चौदह जने के गिरफ्तार कइले बिया आ ओह लोग के ८ जून ले पुलिस हिरासत में भेज दिहल गइल बा. एह लोगन में दू गो प्रोफेसर, चार गो चपरासी आ पांच गो छात्र शामिल बाड़े. एह लोगन का लगे से कंप्यूटर हार्ड डिस्क, परचा के नकल, मोबाइल आ नगदी बरामद भइल बा. विश्वविद्यालय परीक्षा समिति आठ जून के बइठका में तय करी कि परीक्षा फेर से करावल जाव कि ना.

 438 total views,  2 views today

%d bloggers like this: