web analytics

लागऽता डिम्पल निर्विरोध चुनइहें

कन्नौज लोकसभा सीट पर होखे जात उप चुनाव में सपा का तरफ से मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के मेहरारू डिम्पल के उम्मीदवार बनावल गइल बा. डिम्पल का खिलाफ कांग्रेस, बसपा आ भाजपा में से कवनो दल आपन उम्मीदवार खड़ा करे के तइयार नइखे. बुध का दिने परचा दाखिल करे के आखिरी दिन होखी आ बुधे के पता चल जाई कि डिम्पल बिना चुनाव लड़ले जीत जइहें कि चुनाव के खानापूरी करे के पड़ी.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: