web analytics

इंजीनियरिंग के साझा परीक्षा अगिला साल से ना हो पाई

चौबे गइलन छब्बे बने दूबे बन के अइलन वाला अंदाज में कपिल सिब्बल के योजना कि इंजीनियरिंग प्रवेश खातिर पूरा देश में साझा प्रवेश परीक्षा करावल जाव हवा में उधिया गइल. कानपुर आईआईटी घोषणा कर दिहलसि कि ऊ अगिला साल से आपन अलगे प्रवेश परीक्षा कराई. दिल्ली के आईआईटीओ हो सकेला कि आपन अलगे प्रवेश परीक्षा करावे. कानपुर आईआईटी के कहना बा कि साझा प्रवेश परीक्षा के प्रस्ताव गलत रहे आ एह से कानून के लाँघलो जात रहुवे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: