मजहब का आधार पर आरक्षण खातिर केन्द्र सरकार सुप्रीम कोर्ट में गुहार लगवलसि
June 10, 2012
शनिचर का दिने केन्द्र सरकार सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर करके गुहार लगवलसि कि आध्रप्रदेश हाई कोर्ट के ओह फैसला के निरस्त कर दिहल जाव जवना में अदालत मजहब का आधार पर दिहल एह आरक्षण के गलत ठहरावत रद्द कर दिहले रहुवे. अदालत कहले रहुवे कि एह तरह के प्रावधान कवनो बुद्धिमानी से ना कइल गइल आ मजहब का आधार पर कइल गइल बा.
एह आरक्षण मे पिछड़ा समुदाय के मिले वाला आरक्षण में कटौती कर के मुसलमान खातिर साढ़े चार फीसदी आरक्षण दिहल गइल रहे.