नाट लड़िका से बिआह ना करब
June 27, 2012
छपरा जिला के कोपा थाना के कुमना गांव के भुवनेश्वर राय के बेटा सर्वजीत कुमार राय के शादी सिवान के सिसवन थाना इलाका में गयासपुर के मोतीलाल राय के बेटी किरण कुमारी से होखे वाला रहुवे, २३ तारीख के तिलक पड़ल आ २५ तारीख के लड़िका के दुबारा देखे खातिर ताजपुर बोलावल गइल. ओहिजा लड़िकीओ ओकरा के देखलसि आ लड़िका के नाट देख के सबका सोझा शादी करे से मना कर दिहल. एकरा बाद लड़िका पक्ष के कहना बा कि लड़िका पहिलहू देखले रहे लोग आ ऊ वइसन नाट नइखे जइसन कहल जात बा. ओ लोग आपन नुकसान के भरपाई कन्या पक्ष से माँगत बा.