पटना में गाँधी सेतु का बगल में दोसरो पुल बनावल जाई
June 27, 2012
बिहार सरकार फैसला कइले बिया कि पटना में गाँधी सेतु का बगल में एगो अउर पुल बनावल जाई जवना के केन्द्र सरकार के मंजूरी मिल गइल बा. पुल बिहार सरकार बनवाई जवना में केन्द्र हर संभव मदद दी. मौजूदा पुल पर यातायात का दबाव से ओकर रखरखाव करे में दिक्कत होखत बा आ आये दिन पुल पर जाम लागल आम बाति हो गइल बा.