Go to ...
RSS Feed

Archives for June 2012

देवरिया में फरार कैदी विवेक मिश्रा फेरू पकड़ाइल

देवरिया जिला अस्पताल में आपरेशन करावे खातिर ले आइल गइल हत्यारोपी कैदी नूनखार के विवेक मिश्रा सिपाहियन के चकमा दे के मई में फरार हो गइल रहुवे. ओकरा तलाश में लागल पुलिस के मंगल का दिने सफलता मिलल जब विवेक मिश्रा के लार रोड से गिरफ्तार कर लिहल गइल. हालांकि एह गिरफ्तारी के पुष्टि ना

अंधविश्वास का खिलाफ बलिया में अभियान के शुरूआत

काल्हु २६ जून के बलिया जापलिनगंज के राधाकृष्ण अकादमी में राष्ट्रीय बाल विज्ञान कांग्रेस बलिया का तरफ से एगो प्रशिक्षण शिविर के आयोजन भइल जवना के उद्घाटन बलिया के इनफारमेटिक आफिसर अहमद सऊद कइलन. खास मेहमान रहलें एनआईसी बलिया के अंजन गोस्वामी. एह शिविर में बाबा लोग के चमत्कारन के वैज्ञानिक जानकारी दिहल गइल जवना

प्रणव मुखर्जी आ वीरभद्र सिंह केन्द्रीय मंत्रीमंडल से इस्तीफा दिहलें

मंगल का दिने केन्द्रीय मंत्री प्रणव मुखर्जी आ वीरभद्र सिंह इस्तीफा दे दिहलें आ दुनु जने के इस्तीफा सकार लिहल गइल. वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के संप्रग राष्ट्रपति के उम्मीदवार बनवले बिया जबकि वीरभद्र सिंह पर शिमला के एगो अदालत में भठियरपन के आरोप तय हो गइल बा. वीरभद्र सिंह के इस्तीफा का बाद टीम

पाकिस्तान में कैद सरबजीत के माफी मिलल

पिछला बीस साल से पाकिस्तान का जेल में कैद हत्यारोपी सरबजीत सि्ह के फाँसी के सजाय पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी माफ कर दिहलन. अब ओकरा के जेल से रिहा कइल जाई आ सरबजीत भारत लवटि अइहन. सरबजीत सिंह पर आरोप रहल कि ऊ भारत के जासूस रहल.

एनआरएचएम घोटाला में बीस गो डॉक्टर निलंबित

उत्तरप्रदेश के एनआरएचएम घोटाला में काल्हु शनिचर का दिने बीस गो डाक्टरन समेत बाइस गो स्वास्थ्य कर्मियन के निलंबित कर दिहल गइल. अब एह लोग पर मुकदमा चलावल जाई. एह सूची में चौदह गो महिला चिकित्सा अधीक्षक शामिल बाड़ी.

इंजीनियरिंग के साझा परीक्षा अगिला साल से ना हो पाई

चौबे गइलन छब्बे बने दूबे बन के अइलन वाला अंदाज में कपिल सिब्बल के योजना कि इंजीनियरिंग प्रवेश खातिर पूरा देश में साझा प्रवेश परीक्षा करावल जाव हवा में उधिया गइल. कानपुर आईआईटी घोषणा कर दिहलसि कि ऊ अगिला साल से आपन अलगे प्रवेश परीक्षा कराई. दिल्ली के आईआईटीओ हो सकेला कि आपन अलगे प्रवेश

मजहब का आधार पर आरक्षण खातिर केन्द्र सरकार सुप्रीम कोर्ट में गुहार लगवलसि

शनिचर का दिने केन्द्र सरकार सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर करके गुहार लगवलसि कि आध्रप्रदेश हाई कोर्ट के ओह फैसला के निरस्त कर दिहल जाव जवना में अदालत मजहब का आधार पर दिहल एह आरक्षण के गलत ठहरावत रद्द कर दिहले रहुवे. अदालत कहले रहुवे कि एह तरह के प्रावधान कवनो बुद्धिमानी से ना कइल

गया आफिसर्स ट्रेनिंग अकादमी क पहिलका पासिंग आउट परेड

शनिचर का दिने गया आफिसर्स ट्रेनिंग अकादमी के पहिला बैच के पासिंग आउट परेड का साथे १४९ गो कैडेट काल्हू थल सेना में शामिल हो गइलें. एह परेड के निरीक्षण उप थल सेना प्रमुख लेफ्टिनेंट जनरल एस॰ के॰ सिहं कइलन.

बिहार के शहरी निकाय प्रमुखन के चुनाव भइल

काल्हु शनिचर का दिने राज्य के नगर परिषद, नगर निगम आ नगर पंचायत प्रमुखन के चुनाव शांति से करा लिहल गइल, पटना के मेयर आ डिप्टी मेयर के चुनाव आजु अतवार के होखत बा. बक्सर नगर परिषद में मीना दवी, डुमरांव में कमलेश प्रसाद, सासाराम में नाजिया बेगम, छपरा में शोभा देवी, सिवान में बबु

अनजान बेमारी से बचवन के मरल जारी बा

मुजफ्फरपुर आ गया समेत बिहार के कई इलाका में एगो अनजान बेमारी से बचवन के मरे के सिलसिला अबहियो जारी वा. एह बेमारी से पीड़ित बचवन के इलाज पटना, मुजफ्फरपुर, आ गया समेत अनेके सरकारी आ गैरसरकारी अस्पतालन में इलाज होखत बा. इंसेफ्लाइटिस के तरह के एह नया बेमारी के कारण जाने खातिर नेशनल इंस्टीच्यूट

भाजपा में संघ से आइल संजय जोशी इस्तीफा दिहले

पिछला दिने नरेन्द्र मोदी का विरोध का चलते भाजपा का राष्ट्रीय कार्यकारिणी से हटावल प्रचारक संजय जोशी भाजपा से इस्तीफा दे दिहले बाड़न आ कहले बाड़न कि अब ऊ खाली संघ कार्य में लगीहें. संघ के कार्यप्रणाली का तहत ओकर प्रचारक भाजपा आ बाकी आनुसांगिक संगठनन में संगठन मंत्री बनावल जालें जे ओह संगठन पर

अब चालीस साला का उमिर ले दे सकीलें पीसीएस परीक्षा

यूपी सरकार अपना पीसीएस परीक्षा में शामिल होखे के अधिकतम उमिर बढ़ा के चालीस साल ले कर दिहले बिया. कम से कम उमिर में कवनो बदलाव नइखे भइल आ परीक्षा दिहला के कवनो सीमा ना होखला का चलते कवनो परीक्षार्थी उनतीस बेर ले एह परीक्षा में शामिल हो सकेला. पहिले ई सीमा पैंतीस साल के

सायना नेहवाल थाईलैंड ओपन ग्रां प्री का सेमीफाइनल में

माथ वरीयता वाली भारत के सायना नेहवाल थाईलैंड ओपन ग्रां प्री गोल्ड बैडमिंटन टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में चहुँप गइल बाड़ी, शुक का दिने भइल क्वार्टड़ फाइनल में ऊ थाईलैंड की सपसीरी ताए रतना चाई के २१-१०, २२-२० से हरवली. अब सेमीफाइनल में सायना नेहवाल के मुकाबला थाईलैंडे के पोर्नतिप बी से होखी.

मैट्रिको बोर्ड में बाराबंकी के लड़िकी बाजी मरली सँ

शुक का दिने प्रकाशित यूपी बोर्ड के मैट्रिक रिजल्ट में इंटरे लेखा बाराबंकी के दू गो लड़िकी टॉप कइली सँ आ तिसरको जगहा पर ओहिजे के एगो लड़िका आइल बा. इंटर में लखनऊ के ई खुशी मिलल रहुवे. मैट्रिक बोर्ड में लड़िकियन के पास प्रतिशत ८८.९ रहल जबकि लड़िकन के पास प्रतिशत ७९.६ रहल. जेल

सिवान जिला में डाक्टर के गोली मार के हत्या

सिवान के यूनानी मेडीकल कॉलेज के सहायक प्रोफेसर डा॰ इमरान हसन के कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. हत्यारन के भा हत्या का मकसद का बारे में अबहीं कुछ पता नइखे लागल.

एगो अउरी निर्विरोध चुनाव के तइयारी

बड़ बड़ जने दहाइल जासु गदहा पूछे कतना पानी! कन्नौज लोकसभा उपचुनाव में डिम्पल का खिलाफ खड़ा दुनु उम्मीदवार आपन नाम वापिस ले लिहलें आ डिम्पल यादव एगो इतिहास रच दिहली संसद ला निर्विरोध चुना के. अब आधिकारिक घोषणा होखल बाकी बा. एही तरह राज्यसभा सांसद बृजभूषण तिवारी का निधन से खाली भइल सीट पर

कन्नौज उपचुनाव खातिर तीन गो परचा सही

लोकसभा के कन्नौज सीट पर होखे जात उपचुनाव खातिर दाखिल तीनो उम्मीदवार के परचा सही मिलल बा. मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के इस्तीफा से खाली भइल एह सीट से उनुकर पत्नी डिम्पल यादव के उम्मीदवार बनावल गइल बा. डिम्पल का खिलाफ कांग्रेस आ बसपा उम्मीदवार देबे से इंकार कर दिहलें जब कि भाजपा उम्मीदवार देबे के

वी एस संपत नया मुख्य चुनाव आयुक्त बनावल गइलें

साल २०१४ के लोकसभा चुनाव अब वी एस संपत का देखरेख में करावल जाई. रिटायर होखे जात एस वाई कुरैशी का जगहा संपत के केन्द्र सरकार नियुक्त कइले बिया. संपत आंध्र प्रदेश कैडर के साल १९७३ बैच के हउवें. हालही में भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी कहले रहलें कि चुनाव आयुक्तन के नियुक्ति में विपक्षो के

ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या के जाँच सीबीआई से करावल जाई

बिहार सरकार आखिरकार एह बात ला तइयार हो गइल कि रणवीर सेना के प्रमुख रहल ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या के जाँच सीबीआई से करावल जाई. अनेके राजनीतिक दल एकर माँग करत रहलें आ पहिले सरकार के कहना रहल कि बिहार पुलिस एकर जाँच करे में पूरा सक्षम बिया. सरकार के एह फैसला के भाकपा माले

खाली शिक्षकन के पद जल्दिए भरल जाई कहलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव

बुध का दिने विधानसभा में एगो सवाल का लिखित जबाब में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि राज्य में खाली पड़ल प्रवक्ता आ प्रशिक्षित स्नातक शिक्षकन के खाली पड़ल पद जल्दिए भरल जाई. कहलन कि १४७९ स्नातक शिक्षक आ ३९३ प्रवक्ता पद के रिक्ति विज्ञापित कइल जा चुकल बा आ ८२ गो प्रवक्ता आ ४२१ गो

Older Posts›› ‹‹Newer Posts