Archives for July 2012
मायावती शासन में कुछ जिला के नाम दलित महापुरुषन पर राखल गइल रहुवे जवना के अखिलेश सरकार बदल दिहलसि. अब छत्रपति शाहूजी महाराज नगर जिला के नाम अमेठी, रमाबाई नगर जिला के नाम कानपुर देहात, भीमनगर जिला के नाम बहजोई, प्रबुद्ध नगरजिला के शामली, पंचशीलनगर के नाम हापुड़, कांशीराम नगर के कासगंज, महामाया नगर के
सरकार पहिले तय कइले रहुवे कि तीस से चालीस साल उमिर के बेरोजगारने के बेरोजगारी भत्ता दिहल जाई. बाकिर एह नियम में फेर बदल करत उमिर घटा के अब पचीस साल कर दिहल गइल बा. साथही निबंधन के तारीखो बदल दिहल गइल बा. अब ३१ अगस्त ले आपन पंजीकरण करवा लेबे वाला बेरोजगारन के भत्ता
सोमार का दिने कैबिनेट तय कइलसि कि राज्य में अध्यापक पात्रता परीक्षा २०११ के अर्हता परीक्षा बना दिहल जाई. एहसे एह परीक्षा में अर्ह, चुने लायक, अभ्यर्थियन के शिक्षक पद पर बहाल कइल जा सकी. साथही फैसला लिहल गइल बा कि जे लोग उच्च प्राथमिक अध्यापक पात्रता परीक्षा पास कर लिहले बा ओह लोग के
बिहार में प्राथमिक आ मध्य विद्यालयन के शिक्षक पद पर बहाली खातिर आवेदन करे के अंतिम तारीख तीस अगस्त रहुवे जवना के जिला शिक्षा पदाधिकारियन का कहला पर पंद्रह दिन बढ़ा देबे के फैसला ले लिहल गइल बा बाकिर अबहीं एकर विधिवत एलान नइखे भइल.
पूर्वी चपारण के राजेपुर इलाका से पुलिस दू गो हार्डकोर नक्सलियन के गिरफ्तर कर लिहलसि. सुभाष प्रसाद आ जयलाल माँझी नाम के एह नक्सलियन के पुलिस ढेर दिन से खोजत रहुवे काहें कि एकनी के नामे कई गो मामिला दर्ज बा. छौड़ादानो इलाका में पुरुसोतम गाँव में छापामारी का बाद एगो घर से अढ़ाई लाख
कैमूर हिला के मोहनिया इलाका के भरखर गाँव में सोमार के देर साँझ एगो किसान के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. गाँव में तनाव देखत पुलिस अधिकारी ओहिजा कैम्प करत बाड़ें.
बिहार के कृषि स्नातक विद्यार्थियन के दू हजार रुपिया हर महीना के छात्रवृति दिहल जाए आ साल में एक बेर छह हजार रुपिया खेती आ शोध से जुड़ल किताब खरीदे खातिर देबे के सहमति कृषि विभाग विकास आयुक्त के अध्यक्षता वाली समिति के भेजले बावे. ओहिजा से मंजूरी मिलला का बाद एह प्रस्ताव के कैबिनेट
चुनाव जीते खातिर बहुते तरह के वादा कर चुकल सपा के सरकार बनते समुझ में आवे लागल बा कि भाषन देबे आ राशन बाँटे में का फरक होला. से पहिले बेरोजगारी भत्ता योजना में फेर बदल कर दिहल गइल आ अब लैपटॉप टैबलेट बाँटे के योजना में तरह तरह के तरीका अपनावल जात बा. अब
आजु सावन के तिसरका सोमारी आ नागपंचमी के तेवहार का मौका पर शिवमंदिरन में श्रद्धालुअन के भीड़ उमड़ल बा. भीड़ से बचे खातिर बहुते लोग सूर्योदय से पहिलहीं शिवजी पर जल चढ़ा दिहल बिना सोचले समुझले कि हिन्दू तरीका में सूर्योदय का बाद दिन बदले ला ना कि रात के बारह बजे.
रोहतास के करगहर इलाका में सासाराम कोचस रोड पर डुमरा गाँव का नियरा काल्हु साँझ एगो डम्पर से मोटरसाइकिल टकरइला का चलते मोटरसाइकिल पर सवार बेटा आ महतारी के मौत ओहिजे हो गइल. औरंगाबाद के नगरा इलाका के जसोईया मोड़ का लगे एगो बस आ ट्रक का टक्कर से दस जने घवाहिल हो गइलें.
राष्ट्रपति चुनाव में पी॰ ए॰ संगमा से सीधा चुनावी लड़ाई में प्रणव मुखर्जी के अनुमान से अधिका आ संगमा के उमेद से कम वोट मिलल. चुनाव हरला का बाद संगमा कहलन कि ई हार भारत के जनजाति समुदाय के ह आ भारत के लोग जनजातियन से एका देखावे के एगो मौका चूक गइलें. कहलन कि
केन्द्रीय सशस्त्र सीमा सुरक्षा बल, एसएसबी, में दू हजार आठ सौ बत्तीस रिक्ति पर बहाली खातिर आवेदन मँगाइल बा. टेलीकॉम कैडर के आवेदन ३१ जुलाई ले, कांस्टेबुल के आवेदन ९ अगस्त ले, ड्राइवर ला आवेदन अउर पारामेडिकल रिक्तियन खातिर आवेदन ३१ अगस्त ले दिहल जा सकेला. एह सगरी रिक्तियन के जानकारी एसएसबी के वेबसाइट से
राष्ट्रपति चुनाव में यूपीए उम्मीदवार प्रणव मुखर्जी के समर्थन के एलान कइला का बावजूद आजु जब मुलायम सिंह वोट देबे गइलन त गलती से संगमा के वोट दे दिहलन.बाकिर तुरते उनुका आपन गलती बुझाइयो गइल जवना का बाद ऊ ओह मतपत्र के फाड़ दिहलन आ दोसर मतपत्र माँग के फेर से वोट दिहलन. अबकी कवनो
यूपी सरकार के पंचायती राज विभाग का तरफ से सगरी जिलाधिकारियन के निर्देश जारी भइल बा कि ई तय कइल जाव कि कवनो निर्वाचित महिला प्रतिनिधि के पति भा प्रतिनिधि कवनो बइठक में शामिल ना हो पावसु ना ही ओह लोग के कवनो कागजात पर दस्तखत करे दिहल जाव. अबहीं हालत ई बा कि निर्वाचित
नेपाल से आवत पानी का चलते नदियन में आइल बाढ़ से शिवहर मोतिहारी रोड पिछला छह दिन से बंद बा आ अबहियों एकरा चालू होखे के उमेद नइखे. पश्चिमी चंपारण के सिकटा टीसन का पश्चिम किनारे ओरिया नदी के बाँध लगभग तीस फुट टूट गइल बा. आ अनेके गाँव बाढ़ का पानी में डूबल बाड़ी
नालंदा अंतर्राष्ट्रीय विश्वविद्यालय के नियंत्रक परिषद के बइठकी आजु अमर्त्य सेन का मौजूदगी में भइल. एह बइठकी में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सुझाव दिहलन कि एहिजा अर्थशास्त्र आ बेसिक सांइसो के पढ़ाई होखे के चाहीं. दुनिया के कई देश से मिलत आर्थिक सहायता से बने जात एह विश्वविद्यालय खातिर बिहार सरकार पहिलही जमीन दे दिहले बिया.
केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश मनरेगा के निरीक्षण करे यूपी आइल रहलें आ एह दौरान ऊ एह बाति के समर्थन कर दिहलन कि यूपी जइसन बड़हन राज्य के पूर्वी इलाकन के ठीक से विकास खातिर जरूरी बा कि राज्य के बँटवारा कर दिहल जाव. मायावती राज्य के चार हिस्सा में बाँटे के प्रस्ताव केन्द्र
यूपी आ उत्तराखंड सरकारन के कहना रहल कि एह राज्यन में डीएद उम्मीदवार कम बाड़ें जबकि बीएड उम्मीदवारन के भरमार बा. एहसे सर्व शिक्षा अभियान का तहत प्राइमरी शिक्षक पद पर एह लोग के बहाल करे के अनुमति दिहल जाव. अब केन्द्र सरकार एह निहोरा के मान लेबे के सैद्धान्तिक मंजूरी दे दिहले बिया.
कर्मचारियन के हड़ताल से अँउजिया के बलिया के मुरली मनोहर टाउन दिग्री कॉलेज के प्राचार्य कॉलेज के अनियत काल ले ब्द कर दिहलें. एह चलते नया विद्यार्थियन के दाखिलो रुक जाई. कर्माचारियन के शिकायत बा कि प्रयोगशाला सहायक खातिर सीधे बहाली काहे कइल गइल. ओह लोग के कहना बा कि एहमें प्रोन्नति का आधार पर
बीस जुलाई से वाराणसी सूरत का बीच चले वाली ताप्ती गंगा एक्सप्रेस के छपरा से बलिया, मऊ, आजमगढ़, शाहगंज, जौनपुर, बनारस होत चलावल जाई जेहसे एह इलाका के लोग के बनारस आ के एह गाड़ी के पकड़े के जरूरत ना रही. रुट लमहर हो गइला का बाद ई ट्रेन सुपर फास्ट ना रही. गाड़ी के
Older Posts››