web analytics

सड़क दुर्घटना में काँवरियन के मौत

गोरखपुर लखनऊ राजमार्ग पर काल्ह अधरतिया में बस्ती छावनी इलाका के रेहड़वल गाँव का लगे सड़क का डिवाइडर पर सूतल लोग पर एगो ट्रैक्टर बेकाबू हो के चढ़ गइल आ चार गो काँवरियन के ओहिजे मौत हो गइल. तीन जने घवाहिलो भइल बाड़ें. बाद में खिसियाइल लोग ओह ट्रैक्टर में आग लगा दिहल आ सड़क पर बवाल काटल.

काँवरियन के भीड़ देखत प्रशासन बस्ती फैजाबाद राजमार्ग के अगिला तीन दिन खातिर बन्द कर दिहलसि आ अब वाहन दोसरा रास्ता से अइहें जइहें.

जौनपुर में गोमती नदी में एगो काँवरिया के डूबे के खबर बा. अबहीं ओकर लाश नइखे मिलल.

 256 total views,  5 views today

%d bloggers like this: