महाराजगंज के इटहिया सिव मंदिर में जल चढ़ावे खातिर नेपाल के त्रिवेणी संगम से पानी भरे जात श्रद्धालुवन से भरल बस नेपाल के नवलपरासी इलाका के झुलनीपुर का लगे गंडक नहर में पलट गइल जवना चलते ओह पर सवार उनचालीस गो श्रद्धालुवन के मौत हो गइल. बारह लोग घवाहिलो भइल बा. मरे वालन में महाराजगंज के निचलौल तहसील के निवासी रहलें. प्रदेश सरकार मरेवालन के परिजन के एक एक लाख रुपिया के सहायता देबे के एलान कइले बिया. नेपाल में भारतीय दूतावास के अधिकारी मौका पर चहुँप के शव भेजवावे के इंतजाम में लागल बाड़ें.
235 total views, 5 views today