शिवहर मोतिहारी सड़क छह दिन से बंद बा
July 19, 2012
नेपाल से आवत पानी का चलते नदियन में आइल बाढ़ से शिवहर मोतिहारी रोड पिछला छह दिन से बंद बा आ अबहियों एकरा चालू होखे के उमेद नइखे. पश्चिमी चंपारण के सिकटा टीसन का पश्चिम किनारे ओरिया नदी के बाँध लगभग तीस फुट टूट गइल बा. आ अनेके गाँव बाढ़ का पानी में डूबल बाड़ी सँ. लोग के शिकायत बा कि माटी भरे में ठीकेदार का बेइमानी का चलते ई बाँध टूटल बा.