Go to ...
RSS Feed

नक्सली गिरफ्तार, जाली नोट बरामद


पूर्वी चपारण के राजेपुर इलाका से पुलिस दू गो हार्डकोर नक्सलियन के गिरफ्तर कर लिहलसि. सुभाष प्रसाद आ जयलाल माँझी नाम के एह नक्सलियन के पुलिस ढेर दिन से खोजत रहुवे काहें कि एकनी के नामे कई गो मामिला दर्ज बा.
छौड़ादानो इलाका में पुरुसोतम गाँव में छापामारी का बाद एगो घर से अढ़ाई लाख रुपिया के जाली नोट भेंटाइल बाकिर अपराधी पुलिस के भनक मिलते फरार हो गइल रह सँ.

Tags:

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: