Go to ...
RSS Feed

Archives for July 2012

मुखिया आ ग्रामसेवक पर घूसखोरी के मुकदमा

बक्सर जिला के ब्रह्मपुर इलाका के गौहना प्चायत के मुखिया आ ग्रामसेवक समेत चार जने पर इंदिरा आवास खातिर घूस लेबे के मुकदमा दर्ज भइल बा. एह लोग पर लाभार्थियन से छह छह हजार रुपिया वसूले के शिकायत बा.

मधुमिता हत्याकाण्ड के दोषी अमरमणि के राहत ना मिलल

मधुमिता शु्क्ला हत्याकाण्ड में उमरकैद के सजा भुगतत अमरमणि त्रिपाठी आ उनुका मेहरारू मधुमणि त्रिपाठी समेत चार जने के उत्तराखंड हाई कोर्ट से कवनो राहत ना मिलल आ हाई कोर्ट एह लोग के मिलल उमरकैद के सजा बरकरार रखलसि. साथ में निचली अदालत से सबूत का कमी का चलते छोड़ दिहल गइल प्रकाश पाण्डे के

सड़क दुर्घटना में उनचालीस श्रद्धालुवन के मौत

महाराजगंज के इटहिया सिव मंदिर में जल चढ़ावे खातिर नेपाल के त्रिवेणी संगम से पानी भरे जात श्रद्धालुवन से भरल बस नेपाल के नवलपरासी इलाका के झुलनीपुर का लगे गंडक नहर में पलट गइल जवना चलते ओह पर सवार उनचालीस गो श्रद्धालुवन के मौत हो गइल. बारह लोग घवाहिलो भइल बा. मरे वालन में महाराजगंज

मान्यवर कांशीराम विश्वविद्यालय के नाम बदल दी सपा सरकार

मायावती सरकार का शासन में खुलल लखनऊ के मान्यवर कांशीराम उर्दू, अरबी, फारसी विश्वविद्यालय के नाम बदले के सपा सरकार तय कर लिहले बिया. बस अतने तय नइखे कि बदल के केकरा नाम पर राखल जाव. विश्वविद्यालय से सुझाव मिलल बा कि एकरा के ख्वाजा मोइनुद्दीन चिश्ती, अल्लामा इकाबाल, भा मौलाना अबुल कलाम आजाद के

सड़क दुर्घटना में काँवरियन के मौत

गोरखपुर लखनऊ राजमार्ग पर काल्ह अधरतिया में बस्ती छावनी इलाका के रेहड़वल गाँव का लगे सड़क का डिवाइडर पर सूतल लोग पर एगो ट्रैक्टर बेकाबू हो के चढ़ गइल आ चार गो काँवरियन के ओहिजे मौत हो गइल. तीन जने घवाहिलो भइल बाड़ें. बाद में खिसियाइल लोग ओह ट्रैक्टर में आग लगा दिहल आ सड़क

परीक्षाफल जारी भइल

बिहार मदरसा शिक्षा बोर्ड काल्हु शनिचर का दिने आपन फिकानिया आ मौलवी परीक्षा के रिजल्ट जारी कर दिहलसि. फोकानिया में नवासी दशमलव छह दू फीसदी आ मौलवी परीक्षा में तिरानबे दशमलव छह आठ फीसदी विद्यार्थी पास भइल बाड़ें. प्रारंभिक, माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षन के रिजल्टो जारी कर दिहल गइल बा. एह परीक्षाफल

बिहार के सगरी सरकारी स्कूलन में इंटर के एगो सेक्शन अउर

मैट्रिक में बड़हन संख्या में पास विद्यार्थियन के दाखिला खातिर बिहार सरकार बिहार विद्यालय परीक्षा समिति से सगरी सरकारी हाईस्कूलन में, जहवाँ इंटर के पढ़ाई होखेले, एक एक सेक्शन अउरी बढ़ावे के प्रस्ताव मंगवले बिया. सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के दाखिला लेबे में कवनो परेशानी होखो. संगही संगे इहो फैसला भइल बा कि प्लस

जरूरत बा कुछ सहयोगियन के

अगर रउरा भोजपुरी भाषी हईं, (ना रहतीं त एहिजा अइतीं काहे?) बिहार, यूपी, झारखंड, भा छत्तीसगढ़ के ओह इलाका में रहीलें जहाँ भोजपुरी बोलल जाले.(राज्य के राजधानी में रहल जरूरी नइखे, जिला मुख्यालय पर होखल जरूरी बा.) इंटरनेट के उपयोग जानीलें.(ना जनतीं त अइतीं कइसे?) यूटीएफ फांट में टाइप करे आवेला भा सीखे के इरादा

हामिद अंसारी के दुबारा उपराष्ट्रपति बनावल जाई

यूपीए गठबन्हन का बइठकी में यूपीए के सर्वेसर्वा सोनिया गाँधी उपराष्ट्रपति पद पर हामिद अंसारी के फेर से उम्मीदवार बनावे के एलान कइली जवना से गठबन्हन के बाकी सहयोगी सहमति जतवलें. एह बइठक में तृणमूल का तरफ से मुकुल बनर्जी शामिल रहलें बाकिर ममता बनर्जी के फैसला का होखी से अबहीं पता नइखे चलल. एने

बिहार में दू गो केन्द्रीय विश्वविद्यालय

अबे कुछ महीना पहिले बिहार आ केन्द्र में विवाद होत रहल कि बिहार में केन्द्रीय विश्वविद्यालय कहवाँ खोलल जाव. बिहार सरकार मोतिहारी में खोलवावे पर अड़ल रहुवे त केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्री कपिल सिब्बल गया में खोलवावे पर अड़ल रहलें. एह बीच पता ना कवनो समीकरण बनल भा बदलल कि अब केन्द्र सरकार बिहार में

आगरा में सेना बहाली रैली में भगदड़

आगरा में सेना बहाली खातिर आइल अभ्यर्थियन के भारी भीड़ का चलते बैरिकेड टूटला पर भगदड़ मच गइल आ एह भगदड़ में एगो युवक के मौत हो गइल आ दू गो अउरी युवक घवाहिल हो गइले. घवाहिल नवहियन के सेना के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. एह दुर्घटना का बारे में अबही ले सेना

आनन्द मोहन के उमिर कैद बरकरार रखलसि सुप्रीम कोर्ट

मंगल का दिने अपना फैसला में सुप्रीम कोर्ट सांसद रहल आनन्द मोहन के उमिर कैद के सजा बहाल रखलसि. साल १९९४ में आनन्द मोहन का भड़कवला पर छोटन शूक्ला के मजल में शामिल लोग गोपालगंज के तब के जिलाधिकारी कृष्णैया के कार से खींच के हत्या कर दिहले रहुवे. आपराधिक इतिहास वाला छोटन शूक्ला के

लालू यादव के साला के साला के हत्या

बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू यादव के साला सुभाष यादव के साला पंकज कुमार यादव के लाश आजु मंगल का सबेरे दीघा इलाका में एगो मैदान से बरामद भइल. बाद में पुलिस जब पंकज के डेरा चहुँपल त ओहिजा पंकज के नौकर के लाश मिलल. डेरा पर इहे दु जने रहत रहुवे. एह दुनु के

पूर्वांचल विश्वविद्यालय के विद्यार्थी अमेरिका में शोध कर सकीहें

जौनपुर के वीरबहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय अमेरिका के विश्वविद्यालयन से बातचीत में लागल बा जवना का बाद एहिजा के विद्यार्थी अमेरिका के विश्वविद्यालयन में शोध कर सकीहें. एह दिसाईं फैसला करे से पहिले अमेरिका के वर्जीनिया विश्वविद्यालय के टीम अगस्त में पूर्वांचल विश्वविद्यालय के दौरा करे आई आ प्रबन्धन, शिक्षकन आ विद्यार्थियन से बातचीत कर

डेढ़ सौ डाक्टरन के डाक्टरी करे पर रोक

सुप्रीम कोर्ट के आदेश का बाद देश के तीन गो मेडिकल कॉलेज से पास होके निकलल डेढ़ सौ डाक्टरन के प्रैक्टिस खातिर अयोग्य घोषित कर दिहल गइल बा. सुप्रीम कोर्ट के आदेश दिल्ली अउर पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्टन के आदेश के पलट के आइल बा. सु्प्रीम कोर्ट कहले बा कि कवनो कॉलेज अपना मनमर्जी से

गुजरातो ले बेसी खरचा बिहार में होखी

गुजरात जतना खरचा अपना विकास खातिर पिछला पचास साल में कइलसि ओहू ले अधिका खरचा बिहार अगिला पाँच साल में करे के योजना बनवले बा आ योजना आयोग के २५१००० करोड़ रुपिया के योजना संउपले बा. ई गुजरात के पाँच साल के योजना से अधिका बा. पंजाब, हरियाणा आ पश्चिमो बंगाल अपना विकास पर अतना

बक्सर पैसेंजर पटरी से उतरल

मुगलसराय से बक्सर जात पैसेंजर ट्रेन अतवार का फजीरे जीटीआर पुल का लगे बेपटरी हो गइल जवना चलते डाउन रूट पर आवाजाही बड़ी देर ले बाधित रहल. संजोग से एह दुर्घटना में केहू घवाहिल ना भइल नाही केहु के जान गइल.

पेशा पर लागल रोक का खिलाफ आयुर्वेदिक डाक्टरन के हड़ताल

यूपी में आयुर्वेदिक डाक्टरन के प्रैक्टिस पर लागल तरह तरह के प्रतिबन्ध का खिलाफ आयुर्वेदिक डाक्टर दस जुलाई के देश भर में आपन चिकित्सालय बन्द रखीहें. एह खातिर नीमा के सेंट्रल काउन्सिल गोहार लगवले बिया. काल्हु बलिया में आयुर्वेदिक डाक्टरन के बइठक में एह बन्द के बढ़िया से लागू करे के आ अन्तिम दम तक

पूर्व प्रधानमंत्री स्व॰ चन्द्रशेखर के पुण्यतिथि

काल्हु अतवार का दिने बलिया के सांसद रहल आ देश के प्रधानमंत्री रह चुकल स्व॰ चन्द्रशेखर के पुण्य तिथि बलिया में मनावल गइल. शहर के कंपनी बाग जवना के अब चन्द्रशेखर उद्यान नाम हो गइल बा, चिलकहर के देवस्थली विद्यापीठ, सहतवार के दूजा देवी महाविद्यालय समेत कई जगहा कार्यक्रम कर के स्व॰ चन्द्रशेखर उर्फ दाढ़ी

फर्जी कागजात पर रोजगार सेवक के नौकरी

बलिया के नगरा ब्लाक के खैरानिस्फी गाँव के भुटेली यादव का शिकायत पर गाँवे के अरविंद यादव, ओह घरी के बीडीओ आ प्रधान, अउर एगो औरत रंजना यादव पर अदालत का आदेश का बाद पुलिस केस दर्ज कर के जाँच शुरु कर दिहले बिया. बार बार सिकायत कइला का बादो जब कवनो कार्रवाई ना भइल

Older Posts›› ‹‹Newer Posts