Go to ...
RSS Feed

Archives for July 2012

बलिया से सपा समर्थित साधना गुप्ता जीतली

चितबड़ागाँव से पार्वती, सहतवार से स्वर्णप्रभा, बाँसडीह से मनोरमा सिहं, रेवती से जयश्री पाण्डेय, आ सिकन्दरपुर से सावित्री देवी जीतल बाड़ी. मनियर नगर पंचायत से मौजूदा अध्यक्ष ब्रह्मशक्ति संजय सिंह दुबारा जीतलें. रसड़ा नगरपालिका परिषद अध्यक्ष पद पर वशिष्ठ नारायण सोनी फेर जीतलें. जबकी भाजपा उनुका के टिकट ना दिहले रहुवे. बिल्थरा रोड से दिनेश

महानगरन में भाजपा के दबदबा

यूपी में भइल नगर निकायन के चुनाव में शनिचर के भइल मतगणना का बाद बारह गो नगर निगमन में से दस गो पर भाजपा के मेयर चुनइलें. सपा आ बसपा समर्थित उम्मीदवारन के एक एक सीट मिलल जबकि कांग्रेस का हाथे एको ना लागल. पिछला चुनाव में भाजपा के छह गो मेयर रहलें आ कांग्रेस

एमबीबीएस में तीन हजार पाँच सौ पंचानबे सीट बढ़ल

एह साल देश भर में मेडिकल के सीट में कुल मिला के ३५९५ सीट बढ़ा दिहल गइल बा. एहमें से २४०० सीट नया मेडिकल कॉलेजन में रही जबकि बाकी सीट पुरनका मेडिकल कालेजन में बढ़ावल गइल बा. साथ ही एह साल से देश भर में छह गो अउरी एम्स में तीन सौ सीट मिल जाई

नगर निकाय चुनाव के तिसरका दौर पूरा

काल्हु राज्य के बीस गो जिला में नगर निकाय के चुनाव बिना कवनो झगड़ा झंझट करा लिहल गइल. हालांकि मौसम के गरमाहट का चलते मतदाता घर से बाहर ना निकललें. कई जगहा तीसे फीसदी मतदान हो के रह गइल. चउथा आ आखिरी दौर के मतदान चार जुलाई के करावल जाई आ सात जुलाई के सगरी

सगरी मंत्रियन से अपना संपति के ब्योरा देबे के कहलन

यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मुख्यमंत्री बनला का बाद अपना संपति के हिसाब किताब सार्वजनिक कर दिहलें, अब सगरी मंत्रियन से वइसहीं करे के कहल गइल बा. सगरी मंत्रियन के हर साल अपना संपति के ब्योरा देबे के पड़ी. साथही कहल गइल बा कि कवनो मंत्री पंद्रह हजार से अधिका के उपहार ना ले सकसु.

शलभ श्रीवास्तव पर पाँच साल ले क्रिकेट खेले पर रोक

भारत के क्रिकेट बोर्ड स्टिंग आपरेशन से फँसावल पाँच गो खिलाड़ियन पर क्रिकेट खेले से रोक लगा दिहलसि. मध्यप्रदेश के खिलाड़ी सुधीन्द्र पर आजीवन रोक लगावल गइल बा आ यूपी के शलभ श्रीवास्तव पर पाँच साल के रोक लगावल गइल बा. बाकी तीन गो खिलाड़ियन पर एक एक साल के रोक लगावल गइल बा. शलभ

जमीन बेचे खातिर अपना महतारी के मार दिहलसि

रोहतास के अगरेर थाना इलाका के गरुरा गाँव के नंदू पासवान आपन जमीन बेचे खातिर अपना महतारी परमात्मा कुंवर के हत्या कर के लाश पोखरी में छुपा दिहलसि. तीन दिन बाद पुलिस ओह लाश के अतवार का दिने बरामद कर लिहलसि आ नंदू पासवान के गिरफ्तार कर लिहलसि.

राज्य भर में भयंकर गर्मी पड़त बा

पूरा राज्य में मानसून के आवे में देरी का चलते भयंकर गरमी पड़त बा आ कई गो जिलन के प्रशासन स्कूलन के गरमी के छुट्टी एक हफ्ता बढ़ा देबे के आदेश दिहले बा. अमूमन हर साल जून का आखिर में मानसून के बरखा शुरु हो जाले बाकिर अबकी अइसन नइखे भइल, ओने राज्य सरकार के

‹‹Newer Posts