बिहार में माध्यमिक शिक्षकन के बहाली खातिर दरखास्त सोलह अगस्त से पंद्रह सितम्बर का बीच जमा करावल जाई. एह बहाली के अधिसूचना जारी कर दिहल गइल बा. दरखास्त जमा भइला का बाद सोलह से उनतीस सितंबर का बीच मेधा सूची बना लिहल जाई जवना के प्रकाशन आठ सितम्बर के होखी आ नौ अक्टूबर से तीस अक्टूबर का बीच एह पर आपत्ति दर्ज करावल जा सकी. छह नवम्बर ले आपत्तियन के निराकरण कर के अंतिम मेधासूची के प्रकाशन कर दिहल जाई.
248 total views, 10 views today