यूपी के कालेजन में सीट बढ़ावल गइल

उत्तरप्रदेश में दाखिला में आवत दिक्कत देखत राज्य सरकार हर कॉलेज आ यूनिवर्सिटी में नया सेक्शन खोले आ हर क्लास में सीट बढ़ावे के निर्देश दिहले बिया. अब कवनो कॉलेज कुलपति से अनुमति ले के एगो सेक्शन खोल सकी जवना में अस्सी गो विद्यार्थियन के दाखिला हो सकी.