बिहार के मुख्यमंत्री एकदम ना चाहस कि नरेन्द्र मोदी के भाजपा के नेता बनावल जाव आ ऊ एनडीए के नेता बन जासु. पिछला दिने नीतीश फेरू भाजपा अध्यक्ष नीतिन गडकरी से आश्वासन मँगलन कि नरेन्द्र मोदी के भाजपा अपना ओर से प्रधानमंत्री के उम्मीदवार ना बनाई.
ओने लाकृष्ण आडवाणी अपना ब्लॉग पर लिखले बाड़न कि अगिला चुनाव का बाद ना त कांग्रेस ना भाजपा के प्रधानमंत्री बन पाई. ई अलग बात बा कि जेही बनी ओकरा कांग्रेस भा भाजपा के समर्थन लेवहीं के पड़ी. आडवाणी के एह बयान के कांग्रेस आलोचना कइले बिया. शायद आडवाणीओ नइखन चाहत कि नरेन्द्र मोदी के नेता बनावल जाव आ ओह हालत में ऊ शायद नीतीश कुमार के नेता बनवावल चाहसु.