पशु मेला के विरोध कइला पर तीन आदमी के हत्या
August 10, 2012
गोरखपुर के सहजनवा इलाका के जैतपुर कस्बा में पशु बाजार लगावे पर भइल झगड़ा में विरोध करे वाला परिवार के तीन आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. ओह परिवार के विरोध रहुवे कि ओह लोग के घर के सोझा जानवर मत खड़ा कइल जाव.
एह मामिला में लापरवाही बरते का आरोप में सहजनवा के थानाध्यक्ष के लाइन हाजिर करा दिहल गइल बा इ दू गो सिपाहियन के निलंबित कर दिहल गइल बा.