पेट झरला से चार लोग के मौत

रोहतास जिला में डायरिया से चार लोग के मौत हो गइल बा. काराकाट प्रखंड के चौंगाई के महादलित टोला में एगो आदमी आ ओकरा दू गो पोतियन के मौत पेट झरला से हो गइल . एक आदमी के मौत राजाडीह में होखे के खबर बा. रोहतास के सिविल सर्जन कहतारें कि प्रभावित इलाका में डाक्टरन के दल भेज दिहल गइल बा.