लंदन ओलम्पिक में सुशील कुमार रजत पदक ले के रह गइलें
August 13, 2012
६६ किलो वर्ग के कुश्ती मुकाबला के फाइनल में भारत के सुशील कुमार हार गइलें आ रजत पदक से संतोष करे के पड़ल. बाकिर अबकि के ओलम्पिक में भारत इतिहास बना दिहलसि जब ओकरा छह गो पदक हाथे लागल. अबहीं ले कवनो ओलम्पिक में भारत के अतना पदक ना मिलल रहुवे. खेल मंत्री अजय माकन के कहना बा कि अगिला ओलम्पिक में भारत पचीस गो पदक के उमेद ले के उतरी.