web analytics

बलिया में यूरो गायनी सर्जिकल कार्यशाला के आयोजन


अहमदाबाद के इंस्टीच्यूट आफ किडनी डिजीज एंड रिसर्च सेंटर के गायनोकोलोजी विभागाध्यक्ष डा॰ विनीत मिश्रा
आज अतवार, २ सितम्बर के बलिया में पहिला हाली एगो यूरो गायनी सर्जिकल कार्यशाला के आयोजन डा॰ महाबीर सिंह हास्पिटल पर भइल. एह सर्जिकल कार्यशाला में अहमदाबाद के इंस्टीच्यूट आफ किडनी डिजीज एंड रिसर्च सेंटर के गायनोकोलोजी विभागाध्यक्ष डा॰ विनीत मिश्रा, जे फाग्सी के यूरोगायनाकोलोजी समिति के चेयरमैनो हउवें, एक दर्जन औरतन के अलग अलग बेमारियन खातिर बहुते आधुनिक तरीके के आपरेशन कइलन. सबले बड़ बात रहल कि कवनो मरीज से कवनो तरह के फीस ना लिहल गइल. एह कार्यशाला में डा॰ विनीत मिश्रा के मुख्य सहयोगी रहलन आजमगढ़ से आइल गायनी सर्जन डा॰ जी॰ के॰ त्रिपाठी जे आजमगढ़ फाग्सी के संगठन मंत्री हउवें.
आजमगढ़ टेस्ट ट्यब बेबी एंड आईवीएफ सेंटर के गायनी सर्जन डा॰ जी॰ के॰ त्रिपाठी
एह कार्यशाला के उद्घाटन बलिया के मुख्य चिकित्साधिकारी डा॰ पी॰के॰ सिंह कइलें आ एह कार्यशाला में शहर के लगभग सगरी महिला सर्जन शामिल भइली. जइसे कि महिला अस्पताल के सीएमएस डा॰ विमला सिंह, डा॰ शशिकला सिंह, डा॰ चन्दा सिन्हा, डा॰ अमिता रानी, डा॰ ज्योत्सना सिंह वगैरह. कुछेक आपरेशन में एहु लोग के आपरेशन में सहयोग देबे के मौको मिलल.

अपना तरह के एह पहिला आयोजन के सफलता ला महाबीर हास्पिटल के डा॰ वी॰के॰ सिंह आ डा॰ विनीता सिंह सभे के आभार जतवली आ धन्यवाद दिहल लोग.

 201 total views,  4 views today

%d bloggers like this: