Archives for October 2012
पटना वि॰वि॰ छात्र संघ के चुनाव में राजनीतिक दल से अलगा रुख रखले बाड़े सगरी छात्र संगठन. विद्यार्थी परिषद जवन अपना के भाजपा के संगठन मनबे ना करे आ जदयू, कांग्रेस, राजद, लोजपा सगरी पार्टियन के छात्र संगठन अकेले चुनाव लड़े के तइयारी में बाड़ें. सबकर दावा बा कि ऊ खुद अतना मजबूत बाड़ें कि
बिहार में डेंगू के अढ़ाई सौ मरीज मिलला का बावजूद राज्य सरकार एकरा से चिन्तित नइखे. ओकर कहना बा एहमें ना त चिन्ता के कवनो बात बा ना कतहीं भयावह हालात बनल बा. सरकार एह बीमारी पर काबू करे के हर कोशिश करत बिया. आ कवनो मरीज के कवनो दिक्कत ना होखे दिहल जाई. बिहार
काल्हु सिवान के टिकरी गाँव के इलाहाबाद बैंक से दू जने के गिरफ्तार कर लिहल गइल. एह लोग पर आरोप बा कि ई लोग इंदिरा आवास ला लोगन से दस दस हजार घूस लेत रहुवन. गिरफ्तार लोग बैंक कर्मचारी ना ह.
यूपी के खेलकूद आ युवा कल्याण मंत्री कामेश्वर उपाध्याय के निधन परसो दिल्ली में हो गइल रहे. काल्हु उनकर पार्थिव देह देवरिया के भाटपाररानी ले आवल गइल जहाँ उनकर अंतिम संस्कार भइल. सत्तर साल के कामेश्वर उपाध्याय एने ढेर दिन से बीमार रहुवन. पिछला तीन चुनाव से ऊ लगातार भाटपार रानी से विधानसभा चुनाव जीतत
जौनपुर जिला के खुटहन चथाना के घमौरदास गाँव में एहो समारोह में शराब पियला का बाद सोमार देर रात तीन जने के मौत हो गइल. एक आदमी के बनारस रेफर कइल गइल बा. प्रशासन घटना के जाँच करवाववत बिया.
पिछला तीन दिन में गोरखपुर में डेंगू के कई गो मरीज मिलला का बाद से प्रशासन सचेत हो गइल बा. दू गो मरीज जिला अस्पताल में त तीन गो मरीज निजी अस्पतालन में भरती करावल गइल बाड़ें. सीएमऊ आफिस में एगो कंट्रोल रूम बनावल गइल बा जहाँ से चौबीसो घंटा काम करी. ओने जौनपुर में
शुक के देर रात भदरसा में कुछ बवाली एगो ओरत बंजरा के आ एगो सत्तर साल के बूढ़ रामाशंकर के गोली मार दिहलें आ इस्लामाबाद, फुलवरिया, बिगहिया वगैरह गाँवन में बीसन घर फूंक दिहलें. एह घटना का बाद भदरसो में कर्फ्यू लगा दिहल गइल.
काल्हु शनिचर का दिने जौनपुर के चंदवक इलाका के वरिष्ठ पत्रकार जनार्दन सिहं के निधन उनुका गाँवे थुन्ही में हो गइल. अस्सी साल के जनार्दन सिहं कई गो अखबारन से जुड़ल रहलें आ शिक्षक रहलें. अंतिम संस्कार औड़िहार के तवक्का घाट पर भइल.
दुर्गापूजा विसर्जन का दौरान भइल बवाल का बाद बुध का साँझ फैजाबाद में कर्फ्यू लगा दिहल गइल. काल्हु भइल बवाल पर काबू पावे ला सेनो के बोलावे पड़ल रहुवे. बवाली लोग एगो धार्मिक जगह के आग लगा दिहल. प्रशासन हालात के काबू में बतावत बा. मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहले बाड़न कि जवना लोग के दूकान
धारदार व्यंग के बादशाह जसपाल भट्टी के बियफे का दिने जालंधर का लगे एगो सड़क दुर्घटना में मौत हो गइल जब उनकर गाड़ी सड़क किनारे का एगो गाछ से टकरा गइल. जसपाल भट्टी अपना फिलिम “पावर कट” के प्रोमोशन का सिलसिला में भटिंडा से जालंधर जात रहलें जब रात के चउथा पहर में करीब तीन
देश के कानूनो गजब बा. ई हिन्दी के राष्ट्रभाषा ना माने देव आ अब बतावल गइल बा कि महात्मा गाँधी के राष्ट्रपिता के पदवीओ ना दे सके. लखनऊ के एगो छात्रा राष्ट्रपति से निहोरा कइले रहुवे कि महात्मा गाँधी के राष्ट्रपिता घोषित कइल जाव त गृहमंत्रालय कहले बा कि देश के नियम कायदा एह बात
त्योहारी सीजन में मुंबई से पुर्वांचल आवे वाला भीड़ सम्हारे खातिर बांद्रा गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस में दू गो स्लीपर कोच आ एगो जनरल कोच बढ़ा दिहल गइल बा.
सासाराम में काल्हु से बिहार राज्य स्तर के महिला हॉकी आ कबड्डी प्रतियोगिता शुरू भइल. हॉकी में सात गो आ कबड्डी में सताइस जिला के टीम शामिल बाड़ी सँ. काल्हु पहिला दिने रोहतास के टीम भोजपुर के चार एक से हरा दिहलसि.
काल्हु ईद उल जुहा के चाँद देखला का बाद मौलना लोग एलान कइले बा कि अबकी के बकरीद सताइस २७ अक्टूबर के मनावल जाई.
चार हजार आठ सौ रुपिया से कम का ग्रेड के कर्मचारियन के यूपी सरकार एक महीना के तनखाह बोनस का रूप में दी. ई बोनस राज्य सरकार के कर्मचारियन का अलावे राज्य निधि से सहायता लेबे वाला शिक्षण संस्थान, स्थानीय निकाय आ जिला निकाय के कर्मचारियनो के दिहल जाई. अधिकतम बोनस पैंतीस सौ रुपिया होखी.
गोरखपुर विश्वविद्यालय के इकतीसवाँ दीक्षान्त समारोह आजु होखे वाला बा. योजना आयोग के सदस्य बी॰के॰चतुर्वेदी मुख्य अतिथि रहीहें आ राज्यपाल बी॰एल॰ जोशी अध्यक्षता करीहें.
गुजरात भाजपा अपना जवन चालीस गो स्टार प्रचारकन के सूची आयोग के दिहले बिया तवना में भाजपा के कवनो मुसलमान नेता भा बिहार भाजपा के कवनो नेता के नाम नइखे. बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश का विरोध का चलते बिहार भाजपा के कुछ नेता ना चाहसु कि नरेन्द्र मोदी बिहार आवसु. एकरा जबाब में शायद गुजरात
राज्य स्तर के अट्ठावनवाँ सीनियर पुरुष आ पनरहवीं महिला कुश्ती प्रतियोगिता अट्ठारह अक्टूबर से इकइस अक्टूबर ले गाजीपुर में होखे वाला बा. आयोजन समिति के अध्यक्ष रमाशंकर सिंह बतवले बाड़न कि एह दंगल में चालीस गो से अधिका पहलवान हिस्सा लीहें. गाजीपुर में पहिला बेर होखे जात ई दंगल करमजीतपुर के मेघबरन स्टेडियम में करावल
मुजफ्फरपुर में आजु से सतरहवीं नेशनल रोड रेस साइकिल चैम्पियनशिप के शुरूआत होखे वाला बा जवना के उद्घाटन मुजफ्फरपुर जोन के आईजी गुप्तेश्वर पाण्डेय करीहें. एह प्रतियोगिता में बिहार का अलावे सेना, रेलवे, केरल, पंजाब पुलिस आ महाराष्ट्र के टीम हिस्सा लेत बाड़ी सँ.
पटना नई दिल्ली राजधानी एक्सप्रेस में चार गो डिब्बा स्थायी रूप से बढ़ा दिहल गइल. एह फैसला से अब अधिका यात्रियन के सहूलियत से रिजर्वेशन मिल जाइल करी.
Older Posts››