Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

चार हजार के चेक चउवालिस हजार के बना लिहलसि


छपरा सिविल सर्जन आफिस के कर्मचारी प्रवीण कुमार चार हजार के चेक के चउवालिस हजार के बना के भुगतान उठा लिहलसि. जिलाधिकारी विनय कुमार ओकरा खिलाफ मुकदमा दायर करे के आदेश दिहले बाड़न.

एगो दोसरा घटना में डोरीगंज थाना के धरमपुरा गाँव के अमृतेश प्रभाकर आइडीबीआई बैंक में डीपीओ के एगो चेक जमा कइलसि. मैनेजर के संदेह भइल त भुगतान रोक लिहलें आ
डीपीओ आफिस से पता लगवले त मालूम भइल कि चेक बुक गायब बा बाकिर बैंक के खबर नइखे कइल गइल. चेक पर दस्तखतो जाली मिलल. अइसने कुछ भुगतान अउरिओ बैंक से होखे के खबर बा.
पूरा खबर पढ़ी

Tags:

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: