web analytics

जहरीला शराब से छपरा के दरियापुर आ डेरनी में पाँच जने मरलें

दरियापुर आ डेरनी थाना के गाँवन के पाँच लोग जहरीला शराब पियला का चलते मर गइल जबकि अनेके लोग के हालत खराब बा. मरे वालन के गिनिती बढ़े के पूरा अनेसा बा. घटना मंगल का दिने शराब पियला का बाद शुरू भइल. मंगल के रात में दू जने के मौत भइल त तीन जने बुध का रात में मरलें.
दुख के बाति बा कि एह घटना का बावजूद शराब कारोबारियन का दहशत का चलते केहु मुँह खोले के तइयार नइखे. ई लोग राजापुर मठिया का लगे शराब पियले रहुवे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: