web analytics

समाजवादियन के समय ना मिलल जेपी खातिर

एक जमाना रहल जब जेपी जयंती पर उनुका गाँव में नेतवन के मेला लाग जात रहुवे बाकिर अब लोग भुलाए लागल बा जेपी के. इहाँ ले कि कवनो समाजवादी नेता के समय ना मिलल कि सिताबदियारा आ के जेपी के गाँव में उनका के याद कर लीत. हँ जेपी का नाम पर लखनऊ में कुछ कार्यक्रम जरूर कर लिहल गइल. सिताबदियारा के कार्यक्रम बिहार के भाजपा नेता चलवलें. बिहार भाजपा अध्यक्ष डा॰ सी॰पी॰ ठाकुर आ उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी सिताबदियारा आ के जेपी के श्रद्धांजलि दिहलें. कहल लोग कि अगिला साल से एह दिन के जेपी महोत्सव का रूप में मनावल जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: