web analytics

सड़क दुर्घटना में व्यंग के बादशाह जसपाल भट्टी के निधन

धारदार व्यंग के बादशाह जसपाल भट्टी के बियफे का दिने जालंधर का लगे एगो सड़क दुर्घटना में मौत हो गइल जब उनकर गाड़ी सड़क किनारे का एगो गाछ से टकरा गइल. जसपाल भट्टी अपना फिलिम “पावर कट” के प्रोमोशन का सिलसिला में भटिंडा से जालंधर जात रहलें जब रात के चउथा पहर में करीब तीन बजे ई दु्घटना भइल. गाड़ी में बइठल उनकर बेटा आ फिलिम के हीरो जसराज, फिलिम के हीरोइन सुरीली गौतम आ पीआरओ नवीन जोशी घवाहिल हो गइल लोग.
पूरा खबर पढ़ी

 132 total views,  2 views today

%d bloggers like this: